फेसबुक लाभ-खातिर काम करे वाली (फॉर प्रॉफिट), एक ठो अमेरिकी कंपनी बा। वर्तमान में ई मेटा प्लेटफ़ॉर्म्स के एगो प्रोडक्ट आ ब्रांड के रूप में काम क रहल बाटे। ई सोशल नेटवर्किंग के सुबिधा उपलब्ध करावे ले। एकर स्थापना मार्क जकरबर्ग द्वारा कइल गइल रहे। 4 फरवरी 2004 के जब एकर स्थापना भइल, कुछ बिद्यार्थी लोग खातिर रहल। बाद में अन्य विश्वविद्यालय सभ के बिद्यार्थी लोग खातिर भी एकरा के उपलब्ध करावल गइल। साल 2006 के बाद से ई सभका खातिर खोल दिहल गइल आ लोकल कानून अगर बाधक न होखे तब 13 साल से अधिक उमिर वाला केहू भी ब्यक्ति आपन प्रोफाइल आ पन्ना बना सकत बाटे।
फरवरी 2012 के बाद ई कंपनी आपन आइपीओ सुरू कइलस आ शेयर पब्लिक द्वारा खरीदल जा सके लें।
ई कॉर्पोरेशन भा कंपनी संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article फेसबुक, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.