मैना कई प्रजाति के चिरइन के कहल जाला। ई सगरी चिरई सभ जे मैना कहि के बोलावल जालीं, दक्खिन एशिया आ मुख्य रूप से भारत के मूल निवासी हई स आ इहाँ से बाकी देसन में इनहन के फइलाव भइल हवे। कुछ जगह त इनहन के आक्रमणकारी प्रजाति के रूप में भी चिन्हित कइल गइल बा।
मैना | |
---|---|
देसी मैना | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | Animalia |
फाइलम: | Chordata |
क्लास: | Aves |
ऑर्डर (Order): | Passeriformes |
परिवार: | Sturnidae |
जीव बिज्ञान भा चिरई बिज्ञान के अनुसार, मैना अपने आप में कवनो जाति या प्रजाति ना हवे। इ तऽ एगो आम चलनसार नाँव हवे। आम आदमी कई प्रजाति के चिरइन सभ के सड़मेड़े मैना कहि के बोलावे ला। बैज्ञानिक बर्गीकरण के हिसाब से एह में कई प्रजाति के चिरई सामिल बाड़ी सऽ। मुख्य रूप से स्टर्लिंग परिवार की चिरइन के मैना नाँव से बोलावल जाला।
भोजपुरी के मैना शब्द संस्कृत भाषा से आइल मानल जाला। एकर उत्पत्ति संस्कृत की "मदना" से मानल जाला। मैना भारत आ एकरी आसपास की देसन में पावल जालीं आ इहाँ से दूसरी देसन में भी ले जाइल गइल बाड़ीं।
कुल:पासरीफारमेस परिवार: स्टर्निडाई
नीचे मैना सभ के प्रजातिन के नाँव दिहल जा रहल बा:
अंग्रेजी में इनहन के "True" मैना कहल जाला। इनहन के नाँव नीचे बा:
नीचे दिहल प्रजाति सभ के भी अक्सरहा Acridotheres mynas सभ में सामिल क लिहल जाला:
फोटो | भोजपुरी नाँव† | अंग्रेजी | बैज्ञानिक नाँव | टिप्पणी आ नोट |
---|---|---|---|---|
देसी मैना | Common Myna | Acridotheres tristis | एकरा के भारतीय मैना भी कहल जाला। आमतौर पर पूरा उत्तरी भारत में ई घर-दुआर के आसपास चरत मिल जालीं, अक्सर झुंड में रहे लीं। | |
गंगा मैना | Bank Myna | Acridotheres ginginianus | घर-दुआर के आसपास आ नदी के किनारे के इलाका में पावल जाले। | |
सिरोई मैना | Asian Pied Starling | Gracupica contra | ||
ब्राह्मणी मैना | Brahminy starling | Sturnia pagodarum | कपार पर करिया कलँगी होले जेकरा कारण एकरा के ब्राह्मणी मैना कहल जाला | |
जंगली मैना | Jungle myna | Acridotheres fuscus | ||
पहाड़ी मैना | Common hill myna | Gracula religiosa | ||
गुलाबी मैना | Rosy Starling | Sturnus roseus | दक्खिन भारत में | |
तिलेर मैना | European Starling | Sturnus vulgaris | ||
पुल्ली (मैना) | Spot-winged starling | Saroglossa spilopterus | ||
राजा मैना | Golden-crested myna | Ampeliceps coronatus | ||
एशियाई ग्लासी स्टर्लिंग | Asian glossy starling | |||
दक्खिनी पहाड़ी मैना | Southern hill myna | Gracula indica | ||
बड़की मैना | Great myna | Acridotheres grandis | मुख्य रूप से पूर्वोत्तर भारत आ बांग्लादेस में पावल जाले | |
कालरदार मैना | Collared myna | Acridotheres albocinctus | ||
चेस्टनट टेल्ड स्टर्लिंग | Chestnut-tailed starling | Sturnia malabarica | ||
मालाबार मैना | Malabar starling | Sturnia blythii | ||
वाइट-हेहेड स्टर्लिंग | White-headed starling | Temenuchus erythropygius | अंडमान निकोबार दीप समूह में पावल जाले |
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article मैना, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.