शेर शाह सूरी

शाह सूरी(𑂬𑂵𑂩 𑂬𑂰𑂯 𑂮𑂴𑂩𑂲) (1486 - 22 मई 1545) उत्तर भारत में सूरी साम्राज्य के संस्थापक रहलें। एह साम्राज्य के राजधानी सासाराम रहल। शेर शाह एक मूल रूप से पख्तून अफगानी रहलें आ 1540 में मुगलन से सत्ता हासिल कइलेन। एक ठो दुर्घटना में उनके मौत के बाद उनके लड़िका इस्लाम शाह सत्ता पवलें। राजा बने से पहिले ई मुगल सेना मे एगो सपिही रहन, फेर ई बाबर के पूत हुमायूँ के हरा के अपने राजा बन जा तताड़ऽन।

शेर शाह सूरी
पादिशाह
सुर कुल कर सुलतान
Reign17 मई 1538 – 22 मई1545
Coronation1540
Predecessorहुमायूँ
Successorइस्लाम शाह सूरी
Born1486
सासाराम, दिल्ली सल्तनत (अखनी बिहार मे, भारत[गैर-प्राइमरी सोर्स के जरूरत बा]
Died22 मई 1545 (उमिर 58–59)
कालिंजर
Burial
Spouseउत्मादुन निस्सा बानो बेगम रानी शाह बेगम
Issueइस्लाम शाह सूरी (जलाल खान)
अदिल खान
Names
फरिद खान लोधी
Dynastyसुर साम्राज्य
Fatherहसन खान सूरी
Religionइस्लाम

आपन सात बछर के राज मे ई बहुते नीमन नीमन काज कईलन आ परिवर्तन कइलन। हीनकर कुछु कुछु काज के मुगल राजा लोग, जइसे अकबर आगे बढ़वलस। ई हुमायूँ के दिना पनाह नगर के बिकास कइलन आ होकर नांव शेरगढ़ धइलन आ पाटलिपुत्र जेेकर सतमा सदी मे ओरा गइल रहे होके फेर से थापित कइलन।

जिनगी

शेर शाह सूरी एगो पशतुन कुल मे सासाराम जनमल रहन, जेवन की अबही बिहार मे बाटे। हिनकर उपनाँव पश्तुन के सुर जात से लिहल बाटे। कहल जाला जे, हीनकर नांव शेर एह से पड़ल काहे कि ई जहिया सेयान रहन तहिया एक हाली एगो बाघ से लड़ल रहन आ होके मुवा दिहले रहन। हिनकर आजा इब्राहिम खान सुरी एगो जागीरदार रहन। ई मियां हसन खान सुरी के आठ गो पुत मे से एगो रहन।

लईकाई मे फरीद आपन घरे से भाग गइलन, जब हुनकर पिता, हसन खान के ई बात पता लगाल जे उ जौनपुर के राजा जमाल खान लगे गइल बाड़न तऽ ऊ जमाल के एगो पाती लीखलन आ कहलन:

फरीद खान, हमरा से खिसिया के, बिना केवनो कारन के रउरा लगे चलि गइल बाड़ें। हमरा रउवा प पूरा बिस्वास बा जे रउवा हुनका के मना लिहब, आ बिदा कऽ दिहब; बाकिर जदि उ राऊर बाति नइखन सुनत, आ नइखन आवत, तऽ हमरा बिस्वास बा जे रउवा हुनकरा अपना भीरी धऽ लिहब, हम आसा करब जे ओहिजा हुनका धरम के सिख मिली

जमाल खान, फरीद से घरे जाए के कहलन बाकिर फरीद ई बात ना सकरलें, एगो दोसर पाती मे उ लिखलन:

जदि हमार बाबूजी चाहऽतानी जे हम सिक्खा लिहीं, तऽ एह नगर मे ढेर पढ़ल लिखल जन बा: हम एहिजा पढ़ब

बिहार आ बंगाल के बीजऽय

शेर शाह मलक (फरिश्ता) ना रहन बलुक मालिक (राजा) रहन। छव बछर मे, ऊ राज के स्थाई कइलन जेकर नेंव आजुओ बाचल बा। हुनकर भारत मे कइल काज इरान आ तुरान के राजा लोग मन के भा गइल आ ऊ लोग एकरा देखल चाहेला। हज़रत अर्श ऐशियानी (अकबर) हुनकरे कईल काज (ज़वाबित) के अगिला पचास बछल रहे देलन आ ओके कोनो बदलाव ना कइलन। आजु उहे भारत मे बन छोड़ि के कुछुवो नइखे बाचल।

मिर्जा आजिज़ कोका, अताग खान के पूत, के लिखल जहाँगीर लगे एगो पाती

शेर शाह बिहार के मुगल प्रशासक, बहर खान लोहनी, ला काम कईल चालू कइलन। हुनकर बीरता के चलते बहर खान हुनकरा शेर खान कहत रहन। बहर खान के मुवला के बाद, शेर खान, जमाल खान के प्रतिनिधी राजा बनलन। बादि मे शेर खान के बढ़त तागत के देखि के जमाल खान बंगाल के सुल्तान गियासुद्दीन मुहम्मद शाह के मदद मंगलन। गियासुद्दीन शाह, इब्राहिम खान के नेतृत्व मे आपन सेना भेजलन, बकीर शेर खान उज्जैनीया राजपूतन संघे मिली के, 1534 मे, सूरजगढ़ के जुध मे ओह सेना ले जीत गइलन। एकरा बादि बिहार प हुनकर अधिकार हो जाता।

1538 मे शेर खान, बंगाल प आक्रमन कइलन आ मुहम्मद शाह के हरा देलन, बाकिर हुमायूँ के चलते ओह राज प ऊ कब्जा ना कई पइलन। 26 जुन 1539 के, शेर खान आउर हुमायूँ मे चउसा के जुध भइल जेहमे शेर खान जई भइलन। मई 1540 मे शेर खान, हुमायूँ के फेर कन्नौज मे हरइलन आ हुमायूँ के भारत छोरे पड़ल।

मालवा के बीजऽय

1537 मे गुजरात के बहादुर शाह मे मूवला के बादि, मालवा कर नवका राजा कादिर शाह बनलन।

मारवाड़ के बीजऽय

1543 मे शेर शाह सूरी एगो 80,000 लड़ाका वाला बिसाल सेना लेके मरवाड़ के राजा मालदेव राठौर से जुध कइलन आ हुनकरा हरा देलन आ जोधपुर प अधिकार हासिल कई लिहलन।

राज काज

शेर शाह सूरी 
एगो राह के जायजा लेत शेर शाह सूरी
शेर शाह सूरी 
शेर शाह सूरी के रूपिया

शेर शाह सूरी तीन परकार के सिकका चलवलें। शेर शाह से पहिले रूपिया चानी के सिक्का के कहल जात रहे बाकिर शेर शाह सूरी, एक रूपिया मे लागे वाला चानी के भार के निश्चित (178 ग्राम) कई दिहलन, एही रूपिया आजो भारत के मुद्रा बाटे। रूपिया भारत संघे नेपाल, इंडोनेशिया, मालदीव, मॉरिशस, पाकिस्तानश्रीलंका के मुद्रा बाटे। सोना के सिक्का मुहर कहात रहे आ होकर भार 169 ग्राम होखत रहे आ तामा के सिक्का के पईसा कहल जात रहे।

शेर शाह जी.टी.रोड के फेर से बनवलन आ होके राहे आजम कहलन जवन अफगान से बांग्लादेश के जोड़त रहे।

छबि सभ

सनर्भ

Tags:

शेर शाह सूरी जिनगीशेर शाह सूरी बिहार आ बंगाल के बीजऽयशेर शाह सूरी मालवा के बीजऽयशेर शाह सूरी मारवाड़ के बीजऽयशेर शाह सूरी राज काजशेर शाह सूरी छबि सभशेर शाह सूरी सनर्भशेर शाह सूरीउत्तर भारतबाबरसासारामहुमायूँ

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

फिलिपींसआग का दरिया25 अप्रैलशाहाबाद जिलामऊरानीपुरमोबाइल फोनजापानललित निबंधतुर्कीसनाया ईरानीफरवरीनाइट्रोजनउत्तर प्रदेश पुलिसयूनाइटेड नेशंससंघ राज्यक्षेत्रराज्यसभारामकाठमांडो घाटी24 अप्रैलहरसिंगारहिंदी भाषाक्रोएशियारसगुल्लानंदुरबार जिलाकंचनपुर जिलाआईएसबीएनसेक्स पोजीशनबबीना, उत्तर प्रदेशकोल्ड ड्रिंकएनेस्थीसियाबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टस्टार टीवीबहरीनखेसारी लाल यादवसमस्तीपुर जिलाई मेलबरौनी रिफाइनरीनेपाल के जिला सब के लिस्टइलाहाबाद के संधिपर्यावरण भूगोलब्रह्मांडभारतीय संविधान के आमुखदिल्लीपटना जंक्शनशेर शाह सूरी के मकबराक्रस्टब्रह्मपुत्र नदीहावड़ा ब्रिजमहाराष्ट्रमुख्य पन्नाजमुनागाजीपुर जिलावार्डजोधपुर जिलापरभणीजाति (जीव बिज्ञान)भूटानशेर शाह सूरीआर्मीनियापुणेमौलाना मज़हरुल हक़ अरबी फ़ारसी विश्वविद्यालयकमला नदीलिंक्डइनमणिपुरी भाषाऊटीमहाकालग्रेट लेक्सस्तूपफुटबालसूरनअजीत डोभाल🡆 More