भारतीय रुपिया

भारतीय रुपिया (चीन्हा: ₹; कोड: INR), भारत गणतंत्र के ऑफिशियल करेंसी हवे। एक रुपिया के 100 पइसा में बाँटल जाला, हालाँकि, 25 पइसा या एकरा से कम कीमत के पइसा वाला सिक्का साल 2011 के बाद से अब लीगल टेंडर नइखे रह गइल। एह करेंसी के नियंत्रण भारतीय रिजर्व बैंक करे ला। रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया एक्ट, 1934 से रिजर्व बैंक के भारतीय करेंसी के नियंत्रण आ ब्यवस्थापन के अधिकार मिलल हवे। एकर नाँव रुपिया सुल्तान शेर शाह सूरी के जारी कइल चानी के सिक्का, जवना के रुपिया कहल जाव, के नाँव पर पड़ल हवे।

भारतीय रुपिया
ISO 4217
कोडINR
नंबर356
घातांक2
डिनॉमिनेशन
छोट इकाई
 1/100पइसा
चीन्हा
पइसाp
बैंकनोट
 ढेर चलन में10, 20, 50, 100, 500, 2000
 कम चलन में1, 2, 5
सिक्का
 ढेर चलन में1, 2, 5, 10
 कम चलन में50प
जनसंख्या आँकड़ा
ऑफिशियल इस्तेमालभारतीय रुपिया भारत
गैर-ऑफिशियलभारतीय रुपिया भूटान
भारतीय रुपिया नेपाल
भारतीय रुपिया जिम्बाब्वे
ढलाई/छपाई
सेंट्रल बैंकभारतीय रिजर्व बैंक
छापे वालाभारतीय रिजर्व बैंक
 वेबसाइटwww.rbi.org.in
टकसालभारत सरकार टकसाल
 वेबसाइटwww.spmcil.com
कीमत
इनफ्लेशन4.9%, 2015-16
 स्रोतRBI - Annual Inflation Report
 तरीकाCPI
समकक्षभूटानी न्गुल्त्रम (बरोबर)
नेपाली रुपिया (1 INR = 1.6 NPR)

साल 2010 में, एक ठो नया चीन्हा आधिकारिक तौर पर अंगीकार कइल गइल। ई चीन्हा देवनागरी लिपि के "" अक्षर आ रोमन "R" (आर) के मिलल जुलल रूप हवे। ऊपर दू गो पट रेख बाड़ी जिनहन से भारत के तिरंगा झंडा के भान होखेला। एह चीन्हा वाला सिक्का सभ के पहिली लाट आठ जुलाई 2011 से चलन में आइल।

8 नवंबर 2016 के मोदी सरकार के एक ठो बड़ फैसला में पुरान 500 आ 1000 रुपिया के नोटबंदी के घोषणा कइल गइल आ ई ओही रात से लागू क दिहल गइल। एकर कारण, काला धन पर रोक लगावल, बतावल गइल। बाद में कैशलेस अर्थब्यवस्था के ओर आगे बढ़े खातिर उठावल गइल कदम के रूप में एह नोटबंदी के परचार कइल गइल। एही के बाद पुरनका 500 के जगह पर नया सीरीज के नोट आइल आ पहिली बेर 2000 रुपिया के नोट भी चलन में आइल। एह नया नोट सभ के डिजाइन छोट कीमत वाला नोट सभ पर भी लागू होखी।

शब्द

रुपिया शब्द के उत्पत्ती संस्कृत के रूप्यकम् से भइल बतावल जाला। रूप्यकम् के अरथ चानी के सिक्का होखे। वर्तमान समय के रुपिया के सीधा संबंध शेर शाह सूरी के चलावल चानी के सिक्का से बाटे जेकरा के रुपिया कहल गइल। मुगल लोग एकरा के एही नाँव से चलावल आ अंग्रेजी राज में भी इहे परंपरा चलल चलि आइल।

बंगाल में रुपिया खातिर "टका" शब्द के इस्तेमाल होला। ई रुपिया के आम अरथ में इस्तेमाल होला, भले करेंसी कौनों भी होखे।

वर्तमान में चलन में नोट

वर्तमान में, 10 नवंबर 2016 तक ले, चलन में रुपिया के नोट सभ के लिस्ट नीचे दिहल गइल बाटे:

वर्तमान में चलन में नोट
Image कीमत साइज मुख्य रंग बिबरण चलन क तारीख चलन में
सामने उल्टा सामने उल्टा वाटरमार्क
भारतीय रुपिया  भारतीय रुपिया  1 97 × 63 mm नीला एक रुपिया के सिक्का सागर सम्राट अशोक स्तंभ 1994 / 2015 कम
भारतीय रुपिया  भारतीय रुपिया  5 117 × 63 mm हरियर महात्मा गाँधी ट्रैक्टर महात्मा गाँधी 2002 / 2009 कम
भारतीय रुपिया  भारतीय रुपिया  10 137 × 63 mm नारंगी-बैंगनी गैंडा, हाथी, शेर 1996 / 2006 भरपूर
भारतीय रुपिया  भारतीय रुपिया  20 147 × 63 mm लाल-नारंगी माउंट हैरियेट, पोर्ट ब्लेयर 2001 / 2006 भरपूर
भारतीय रुपिया  भारतीय रुपिया  50 147 × 73 mm बैंगनी भारतीय संसद 1997 / 2005 भरपूर
भारतीय रुपिया  भारतीय रुपिया  100 157 × 73 mm बीच में नीला-हरा, दूनों किनारे भूरा-बैंगनी हिमालय परबत 1996 / 2005 भरपूर
भारतीय रुपिया  भारतीय रुपिया  500 150 × 66 mm चट्टानी मटियाहूँ लाल किला 2016 भरपूर
भारतीय रुपिया  भारतीय रुपिया  2000 166 × 66 mm मैजेंटा मंगलयान 2016 भरपूर
तालिका मानक खातिर देखल जाय नोट_स्पेसिफिकेशन_तालिका।

संदर्भ

Tags:

en:ISO 4217करेंसी चीन्हाभारतभारतीय पइसाभारतीय रिजर्व बैंकभारतीय रूपया के चीन्हाशेर शाह सूरी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

अमेजन नदीचार धामवियतनामरोमानियामानव प्रजातिबसंतपुर ब्लाक, सिवानगंगा नदी बेसिनजनपदहिंदू धर्मनेशनल हाइवे 48भारत के बायोस्फियर रिजर्व सभ के लिस्टयशवंत सिन्हादाऊद इब्राहिमलखनऊकैनियनस्तनकावेरी नदीलोकसभाबोरॉनबैराजभोजपुरी लोकगीतएशियाभरतनाट्यमयूरेथ्राटेलीफोननीतू सिंहमनोज तिवारीपराग्वेक्रिस गेललोटनीज्योतिर्लिंगसपना चौधरीब्लॉगअवधधुआँछतरपुर मंदिरनई दिल्ली रेलवे स्टेशनऑस्ट्रियानेपाल के जिला सब के लिस्टपनामा नहरनागवासुकी मंदिर, इलाहाबादअथर्ववेददिलब्रह्मांडतुलसीदासभोजपुरी संस्कृतिबारहखड़ीकैमूर बनजीव अभयारण्यओमानद्रौपदी मुर्मूलिंगानुपातताना भगत आंदोलनलोहागोंडवाना लैंडपटना नगर निगमअनुकूलतम जनसंख्यागोरखपुर चिड़ियाघरसंज्ञा के भेदइंडस्ट्रीसतना जिलाखसराजमीन उपयोगशिवाजीगेहुँअनगोदावरी नदीविवेकानंदउत्तर प्रदेश पुलिसकोरिओलिस बलमानव यौन गतिविधिमंगोलियामुंबई🡆 More