गंगा नदी बेसिन

गंगा नदी बेसिन (अंग्रेजी: Ganges river basin) गंगा नदी थाला भारत के सबसे बड़हन नदी बेसिन हवे। गंगा नदी के एह नदी थाला में अइसन सगरी इलाका सामिल बा जहाँ के पानी ढाल की अनुसार बह के गंगा नदी में पहुँचेला आ गंगा नदी द्वारा समुंद्र ले पहुंचावल जाला। ई नदी थाला, ब्यापक रूप से देखल जाय तब, गंगा-ब्रह्मपुत्र-मेघना नदी बेसिन के हिस्सा हवे।

गंगा नदी बेसिन
गंगा-ब्रह्मपुत्र-मेघना बेसिन

एक तरीका से देखल जाय त, गंगा-ब्रह्मपुत्र आ सुरमा-मेघना नदी सभ के डेल्टा एक दुसरे के साथे संजुक्त रूप से मिलल डेल्टा सिस्टम हवे जहाँ ई नदी सब कई धारा में बिभाजित हो जालीं आ एक दुसरे के साथे मिल के एगो जटिल आ बिसाल डेल्टा बनावे लीं; ई दुनिया के सभसे बड़हन डेल्टा हवे। एही से इनहन के ब्यापक रूप से एकही बिसाल नदी थाला मानल जा सके ला। एह तरीका से ई गंगा-ब्रह्मपुत्र-मेघना थाला (नक्शा देखल जाय) एशिया महादीप के एगो महत्वपूर्ण नदी थाला हवे जेकर बिस्तार एशिया के पाँच देसन में बाटे: तिब्बत, भारत, नेपाल, भूटान आ बांग्लादेस में। हालाँकि, अगर खाली गंगा नदी के बेसिन के बात कइल जाय, एकरा ब्रह्मपुत्र के साथे संगम से पहिले, तबो एह में चार गो देसन, तिब्बत, भारत, नेपाल, आ बांग्लादेस के हिस्सा (भूटान के छोड़ के जे ब्रह्मपुत्र थाला में गिनल जाला) सामिल होखे लें।

भारत में बिस्तार

भारत के राज्यन में एकरे बिस्तार के राज्यवार आँकड़ा नीचे दिहल गइल बा:

राज्य रकबा (किमी2)
उत्तराखंडउत्तर प्रदेश 2,94,364
मध्य प्रदेशछत्तीसगढ़ 1,98,962
बिहारझारखंड 1,43,961
राजस्थान 1,12,490
पच्छिम बंगाल 71,485
हरियाणा 34,341
हिमाचल प्रदेश 4,317
दिल्ली 1,484
कुल 861,404

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजीगंगानदी थालाब्रह्मपुत्र नदीमेघना नदी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

मौलाना मज़हरुल हक़ अरबी फ़ारसी विश्वविद्यालयखसराखुशबूचूड़ीमोहनजोदड़ोसामाजिक भूगोलगुरु तेग बहादुर1857 के बिद्रोहराम मंदिर, अयोध्याकृष्णा नदीसिकंदरपुरहिल्डेगार्ड ऑफ बिन्जेनबकरीदपूर्वांचल एक्सप्रेसवेआम आदमी पार्टीपवन कल्याणमार्क ज़करबर्गग्रहबरसातभारत के लोगएशिया के सभसे लमहर नदी सभ के लिस्टकाल्डेरामगध प्रमंडलबीयाकैमूर श्रेणीअरुणाचल प्रदेशअजीत डोभालसर्वेलैटिनबायोमहजारी प्रसाद द्विवेदीशुभी शर्माजानकारीकिरिबातीकरिया कंठ पनडुब्बीउरुआमहीनासंस्कृतिवृंदावनसुर्खेत जिलाब्राज़ीलपर्यावरणशिवमगध एक्सप्रेसबिहार के जिला सभ के लिस्टजगन्नाथ मंदिर, पुरीमहादीपकुशीनगरऔरतछोटानागपुर पठारगोरखपुर चिड़ियाघरभारतीय संविधानमिर्जापुरक्रेटर लेकपुर्तगालमहाराष्ट्रताराआगरा किलाजकार्ताकैस्पियन सागरस्ट्रॉम्बोलीराहुल सांकृत्यायनमोइन उल हक स्टेडियममणिपुरी भाषाकनाडाबुरुंडीसूखाभारतयातायातहेमा मालिनीप्राकृतिक पर्यावरणलता मंगेशकरइस्तांबुलमच्छर🡆 More