हजारी प्रसाद द्विवेदी

आचार्य हजारी प्रसाद द्विवेदी (19 अगस्त 1907 – 19 मई 1979) हिंदी, संस्कृत आ भारतीय इतिहास अउरी संस्कृति के विद्वान रहलें आ आधुनिक युग क एगो मौलिक निबंधकार, उत्कृष्ट समालोचक आ सांस्कृतिक विचारधारा क बहुते नामी उपन्यासकार रहलें। द्विवेदी क जनम 19 अगस्त 1907 ई में बलिया जिला की दुबे-का-छपरा नाँव की गाँव में भइल रहे। उहाँ के परिवार ज्योतिष विद्या खातिर बहुत परसिद्ध रहे आ उहाँ के पिता पं.

अनमोल द्विवेदी जी संस्कृत क प्रकांड पंडित रहलीं।

हजारी प्रसाद द्विवेदी
हजारी प्रसाद द्विवेदी
जनम(1907-08-19)19 अगस्त 1907
बलियाँ जिला, आगरा आ अवध संजुक्त प्रांत, ब्रिटिश भारत
निधन19 मई 1979(1979-05-19) (उमिर 71)
भारत
पेशालेखक, निबंधकार, बिद्वान, इतिहासकार, उपन्यासकार, समालोचक
राष्ट्रियताभारतीय
प्रमुख रचनाकबीर, बाणभट्ट की आत्मकथा, साहित्य की भूमिका
प्रमुख सम्मान1973: साहित्य अकादमी अवार्ड
1957: पद्मभूषण

द्विवेदी जी क प्रारंभिक शिक्षा गांव की इस्कूल में भइल आ उहंवें से उहाँ क मिडिल क इम्तिहान पास कइलीं। एकरी बाद उहाँ क इंटर क परीक्षा आ ज्योतिष विषय में आचार्य क परीक्षा पास कइलीं। पढ़ाई लिखाई खतम क के द्विवेदी जी शांतिनिकेतन चलि गइलीं आ कई बरिस ले उहाँ हिंदी क पठन-पाठन कइलीं । शांतिनिकेतन में गुरुदेव रवींद्रनाथ ठाकुर आ आचार्य क्षितिमोहन सेन की परभाव से साहित्य क गहन अध्ययन और रचना शुरू कइलीं।

द्विवेदी जी का व्यक्तित्व बड़ा प्रभावशाली आ उहाँ क स्वभाव बड़ा सरल आ उदार रहे। पंडित जी हिंदी, अंग्रेज़ी, संस्कृतबंगाली भाषा क विद्वान रहलीं। भक्तिकाल की साहित्य का उहाँ के बहुत नीमन आ बिस्तार से ज्ञान ज्ञान रहे। लखनऊ विश्वविद्यालय उहाँ के डी.लिट. की उपाधि दे के विशेष सम्मान कइलस। उहाँ क बी.एच.यू. में हिंदी पढ़ावलीं आ उहाँ के भारत सरकार 1957 में पद्मभूषण सम्मान से सम्मानित कइलस।

बाणभट्ट की आत्मकथा नाँव क उपन्यास पंडित जी क सबसे परसिद्ध आ महत्व वाली रचना मानल जाले।

रचना

द्विवेदी जी क प्रमुख रचना नीचे दिहल जात बा -

आलोचना/साहित्‍येतिहास

  • कबीर (1942)
  • सूर साहित्‍य (1936)
  • हिन्‍दी साहित्‍य की भूमिका (1940)
  • हिन्‍दी साहित्‍य का आदिकाल (1952)
  • नाथ संप्रदाय (1950)
  • आधुनिक हिन्‍दी साहित्‍य पर विचार (1949)
  • साहित्‍य का मर्म (1949)
  • लालित्‍य मीमांसा (1962)
  • साहित्‍य सहचर (1965)
  • कालिदास की लालित्‍य योजना (1965)
  • मध्‍यकालीन बोध का स्‍वरूप (1970)


निबंध संग्रह

  • अशोक के फूल (1948)
  • कल्‍पलता (1951)
  • विचार और वितर्क (1954)
  • विचार प्रवाह (1959)
  • कुटज (1964)
  • आलोक पर्व (1972)

उपन्‍यास

अन्‍य

  • मृत्‍युंजय रवीन्‍द्र (1970)
  • संक्षिप्‍त पृथ्‍वीराज रासो (1957)
  • संदेश रासक (1960)
  • महापुरुषों का स्‍मरण (1987)

अनुवाद

  • लाल कनेर (1958) (रवींद्रनाथ टैगोर के कृति के अनुबाद)

संदर्भ

Tags:

हजारी प्रसाद द्विवेदी रचनाहजारी प्रसाद द्विवेदी संदर्भहजारी प्रसाद द्विवेदी बाहरी कड़ीहजारी प्रसाद द्विवेदीज्योतिषबलिया जिला

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

अनुष्का शर्माप्रकृतिकिरिबातीचिरईगोदावरी नदीशिवाजीमंगल ग्रहजीआई टैगसुपरमूनहेमा मालिनीयातायातअलकनंदामहात्मा गाँधीमहादीपबिहार के भूगोलरामरोहतास जिलाहवाई फोटोग्राफीहिन्दुस्तान (अखबार)रेलगाड़ीकरीना कपूरगुरुद्वारा शीशगंज साहिबमथुराअगहनपुणेमहाराणा प्रतापमिर्जापुरमहादेवी वर्मागजपुरनाविकिमीडिया फाउंडेशनकलमअलीगढ़ मंडलभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टगुलाबी सदाबहारजॉर्जिया (देश)जानवरसिजिगीथ्री गॉर्जिज डैमपोर्न फिलिमहिल्डेगार्ड ऑफ बिन्जेनदक्कन पठाररामचरितमानसहेरोडोटसचायबनारसअनुकूलतम जनसंख्याआईपी पताएम्सटर्डमसोनपुर मेलासंगीतधोबिन चिरईडेनमार्कसामाजिक भूगोलआरापंकज त्रिपाठीबिहटागरमी (सीजन)मैथ्यू अर्नाल्डअवधभूगोलीय निर्देशांक सिस्टमनारियलसनातनीखेलकूदगुरु तेग बहादुरस्पेनसिनेगॉगमहाराजगंज, बिहाररोमगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनस्विट्जरलैंडहिंदू धर्मगोरखपुर चिड़ियाघर🡆 More