आगरा किला

आगरा के लाल किला भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के आगरा शहर में मौजूद किला बाटे। ई मुगल शासन के मुख्य केंद्र रहल जबतक ले कि 1638 में राजधानी दिल्ली ना चल गइल।

आगरा के किला
आगरा किला
अमर सिंह दरवाजा
किला के मुख्य दरवाजा
लोकेशनआगरा, उत्तर प्रदेश, भारत
अक्षांस-देसांतर27°10′46″N 78°01′16″E / 27.179542°N 78.021101°E / 27.179542; 78.021101 78°01′16″E / 27.179542°N 78.021101°E / 27.179542; 78.021101

एकरे इतिहासी महत्व के कारण एकरा के यूनेस्को के बिस्व धरोहर लिस्ट में सामिल कइल गइल बाटे। आगरा के सभसे महत्व वाला पर्यटन आकर्षण, ताजमहल से ई किला लगभग 1.5 किलोमीटर उत्तर-पच्छिम में मौजूद बाटे।

इतिहास

सिकंदर लोदी (1487-1517) पहिला सुलतान रहलें जे दिल्ली से राजधानी के आगरा ले अइलें। इनके बाद इब्राहिम लोदी उत्तराधिकार पवलें आ किला उनके राजकाज के जगह बनल। पानीपत के पहिली लड़ाई (1526) में बिजय पावे के बाद बाबर हेइजे आगरे में इब्राहिम लोदी के महल में रहे सुरू कइलें आ 1530 में, हुमायूँ के ताजपोशी एही किला में भइल। बिलग्राम के लड़ाई में जब पठान राजा शेर शाह सूरी हुमायूँ के हरा दिहले, एह किला पर सूरी के कब्जा हो गइल आ 1555 ले रहल जब तक कि हुमायूँ दोबारा एकरा के ना जीत लिहलें। आदिल शाह सूरी के जनरल (सेनापति) हेमू 1556 एकरा के जीत लिहलें आ किलेदार के दिल्ली ले पीछा कइलें जहाँ मुगल सेना से तुगलकाबाद के लड़ाई भइल।

आगरा के किला के असली महत्व अकबर के राज में मिलल जब ऊ पुराना समय के, ईंटा से बनल एह किला जेकरा के बदलगढ़ किला के नाँव से जानल जाय, के जगह नया किला बनावे के आदेस दिहलें। बदलगढ़ किला तोमर बंस के राजपूत राजा लोग द्वारा बनवावल मानल जाला आ अकबर के समय ले ई जर्जर हो चुकल रहे जेकरे जगह दुबारा बाहरी हिस्सा लाल बलुआ पाथर से आ भीतरी हिस्सा ईंटा से बनवावल गइल। अकबर के दरबारी इतिहासकार अबुल फ़जल ई नोट कइलेन कि जब अकबर के साथे ऊ इहाँ चहुँपलें तब इहाँ किला के भीतर कम से कम 5000 सुघर इमारत रहली जे बंगाली आ गुजराती इस्टाइल में बनल रहलीं। किला के भीतर के अइसन कई गो बिल्डिंग ढहा दिहल गइली स जब शाहजहाँ इहाँ सफेद संगमरमर के इस्तेमाल वाली इमारत बनवलें। एह में से भी ज्यादातर बाद में अंगरेज लोग द्वारा ढहा दिहल गइल जब बैरक बनवावे के जरूरत पड़ल।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

आगरा किला इतिहासआगरा किला इहो देखल जायआगरा किला संदर्भआगरा किला बाहरी कड़ीआगरा किलाआगराउत्तर प्रदेशदिल्ली

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

सिकंदरपुरचंद्रयान-3पीरियॉडिक टेबलस्पेनिश भाषाराजेंद्र प्रसादपवन सिंहधर्मशाला, हिमाचल प्रदेशकरनालडोमलियोनार्डो डा विंचीभारत के राज्य अउरी संघ राज्यक्षेत्रमैनासंस्कृत व्याकरणभैरो बाबापुराणताजमहलजानकारीआरामेगस्थनीजअशोकभोजपुरी साहित्यवेदसपना चौधरीललित निबंधकनाडानवका यमुना पुलसदाबहार1918महेंदर मिसिरमहादेवी वर्मागोरखपुर विश्वविद्यालयचीनीध्रुवीय भालूविद्या बालनलूसिफ़र (टीवी सीरीज)प्रजातिरावणमहाराष्ट्र के जिला सभ के लिस्टआसामअल्जीरियाताजिकिस्तानअनुष्का शर्मामोनाकोशाहाबाद जिलाइंडियन नेशनल डेवलपमेंटल इंक्लूसिव अलायंसदुसरी बौद्ध संगीतिग्लोबल वॉर्मिंगदिल्ली चिड़ियाघरसतुआनपटना जंक्शनमहाबली खलीबिलारमुर्गागंगा नदी बेसिनगंगा नदीधुआँसारनाथबहरीनभेलीसोशल मीडियाऊटीम्यूजियमअनुकूलतम जनसंख्यामाटीतोतापरी आमसर्वेगोदावरी नदीमहाभियोगप्रियंका चोपड़ामहारानी के घोषणापत्रभारतक्राइम पेट्रोलमोतीलाल नेहरूस्पून्स सेक्स पोजीशन🡆 More