कैस्पियन सागर

कैस्पियन सागर एशिया महादीप में, बिचला एशिया के पच्छिमी माथ पर मौजूद एगो चारो ओर से जमीन से घेराइल झील हवे जेकरा बिसाल आकार के चलते परंपरागत रूप से सागर कहल जाला। ई काकेशस परबत के पूरुब में आ बिसाल स्टेपी के मैदान के पच्छिम में बाटे आ पानी के सतह के रकबा के हिसाब से दुनिया के सभसे बड़ खारा पानी के झील हवे। एकरे उत्तर-पूरुब में कजाकिस्तान, उत्तर-पच्छिम में रूस, पच्छिम में अजरबैजान, दक्खिन में ईरान, आ दक्खिन-पूरुब में तुर्कमेनिस्तान देस बाड़ें।

कैस्पियन सागर
Caspian Sea
कैस्पियन सागर
कैस्पियन सागर के उपग्रह से लिहल फोटो, जून 2003
निर्देशांक41°40′N 50°40′E / 41.667°N 50.667°E / 41.667; 50.667 50°40′E / 41.667°N 50.667°E / 41.667; 50.667
प्रकारबन्द, खारी, स्थायी, प्राकृतिक
आगमवोल्गा नदी, यूराल नदी, कूरा नदी, तेरीक नदी
निकासवाष्पीकरण, गाराबोज़कोइ
थाला3,626,000 किमी2 (1,400,000 वर्ग मील)
थाला के देसअज़रबैजान, ईरान, कजाकस्तान, रूस, तुर्कमेनिस्तान
अधिकतम लंबाई1,030 किमी (640 मील)
अधिकतम चौड़ाई435 किमी (270 मील)
सतह क्षेत्र371,000 किमी2 (143,200 वर्ग मील)
औसत गहिराई211 मी (690 फीट)
अधिकतम गहिराई1,025 मी (3,360 फीट)
आयतन78,200 किमी3 (18,800 घन मील)
जलनिवास समय250 years
किनारा के लंबाई17,000 किमी (4,300 मील)
सतह ऊँचाई−28 मी (−92 फीट)
दीप26+
आबादीबाकू (अज़रबैजान), अंजलि (ईरान), अकटाउ (कजाकस्तान), Makhachkala (रूस), Türkmenbaşy (Turkmenistan) (see article)
संदर्भ
1 किनारा के लंबाई कौनो सटीक माप ना हवे।

कैस्पियन सागर समुंद्र तल से करीबन 28 मी (92 फीट) नीचे कैस्पियन निचाई में मौजूद बा। एकरा दक्खिनी हिस्सा में एह समुंद्र के तली समुंद्र तल से 1,023 मी (3,356 फीट) नीचे ले पहुँच जाले, एकरा चलते ई बैकाल झील के बाद दूसरा सभसे गहिरा जगह भी बा (बैकाल के गहिराई −1,180 मी, −3,871 फीट हवे)। एकरे किनारे रहे वाला लोग एकरा में समुंद्र बूझे, अइसन साइद एकरे बिसाल आकार (साइज) के कारन रहल।

यूरोप के सभसे लमहर नदी वोल्गा, जे रूस के एगो सभसे प्रमुख नदी हवे, एही कैस्पियन सागरे में गिरे ले। वोल्गा नदी एकरे पानी के आगम के सभसे प्रमुख स्रोत ह। एकरे अलावा एह में गिरे वाली प्रमुख नदी यूराल नदी, कूरा नदी, तेरीक नदी बाड़ी स।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

अजरबैजानईरानएशिया महादीपकजाकिस्तानझीलतुर्कमेनिस्तानरूससागर

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

वेब ब्राउजरमोहम्मद अली जिन्नासनी लियोनीबसंतपुर ब्लाक, सिवानमहावीरमौर्य साम्राज्यपाब्लो पिकासोअमेजन नदीमदन मोहन मालवीयसंज्ञा के भेदवेंकैया नायडूशहरी भूगोलपठाररवीना टंडनअरावलीअलेक्जेंडर कनिंघमडिजिटल इंडियाहिंदू धर्मबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टरोममोहनजोदड़ोअंडोराभाग्यश्रीमहाराजगंज, सिवान (अनुमंडल)झेलम नदीताजमहलभारतीय मानक समयहाजीपुरनासाचंडीगढ़बंगाल के खाड़ीसारिकापुणेउत्तर प्रदेश के नाचपूर्वांचल एक्सप्रेसवेलिंक्डइनस्तनमहात्मा गाँधीकरीना कपूरचारमीनारबिपिन रावततंजानियापूनम सिन्हादेवरिया सदर रेलवे इस्टेशननेपालद्रौपदी मुर्मूशिकागोसनातनीकामभारतीय संविधान के आमुखसई नदीप्रेमचंदमलाइका अरोड़ा खानजोगबनीड्रैगनवल्ड वाइड वेबबनारस कैंट रेलवे स्टेशनहिंदी भाषासियोलजमशेदपुरकालिदासमहुआ टीवीशिवदासपुरबैरियागुवाहाटीपर्यावरणी गिरावटएक्सएनएक्सएक्सअजीत डोभालईरानसूडानपाकिस्तानसंस्कृत व्याकरणगुरु तेग बहादुर🡆 More