द्रौपदी मुर्मू: भारत के राष्ट्रपति

द्रौपदी मुर्मू (जनम 20 जून 1958) एगो भारतीय राजनीतिक नेता आ भारत के 15वीं आ मौजूदा राष्टपति बाड़ी। मुर्मू भारतीय जनता पार्टी से संबंधित बाड़ी। एकरा से पहिले उ 2015 से 2021 तक झारखंड के नौवीं राज्यपाल के रूप में काम कइले रहली। उ ओडिशा राज्य के हई। ऊ झारखंड के पहिला राज्यपाल रहली जे पाँच साल के कार्यकाल पूरा कइले होखे, 1997 तक रायरांगपुर में शिक्षक रहली, आ भारत के राष्ट्रपति बने वाली पहिली आदिवासी हई।

द्रौपदी मुर्मू
द्रौपदी मुर्मू: निजी जिनगी, राजनीतिक कैरियर, गवर्नर के रूप में
भारत के 15वीं राष्ट्रपति
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
25 जुलाई 2022
प्रधानमंत्रीनरेंद्र मोदी
उप राष्ट्रपतिवेंकैया नायडू
इनसे पहिलेरामनाथ कोविंद
झारखंड के गवर्नर
कार्यकाल
18 जुलाई 2015 – 12 जुलाई 2021
मुख्यमंत्रीरघुबर दास
हेमंत सोरेन
इनसे पहिलेसईद अहमद
इनके बादरमेश बैस
राज्यमंत्री,
ओडिशा सरकार
कार्यकाल
6 मार्च 2000 - 16 मई 2004
मुख्यमंत्रीनवीन पटनायक
बिधायक
कार्यकाल
2000–2009
इनसे पहिलेलक्ष्मण माँझी
इनके बादश्याम चरण हंसदा
सीटरैरंगपुर
निजी जानकारी
जनम (1958-06-20) 20 जून 1958 (उमिर 65)
मयूरभंज, ओडिशा, भारत
राजनीतिक पार्टीभारतीय जनता पार्टी
जीवनसाथीश्याम चरण मुर्मू (निधन)
संतान2 बेटा (निधन), 1 बेटी
महतारी संस्थारमा देवी महिला विश्वविद्यालय
प्रोफेशनराजनीतिक नेता

निजी जिनगी

द्रौपदी मुर्मू के जनम 20 जून 1958 के ओडिशा के मयूरभंज जिला के बैदापोसी गाँव में बिरंची नारायण तुडू के घरे भइल। टुडू आ इनके दादा दुनों पंचायती राज प्रणाली के तहत गाँव के मुखिया रहलें।

द्रौपदी मुर्मू के बियाह श्याम चरण मुर्मू से भइल। ए जोड़ी के दुगो बेटा रहे, दुनो के मौत हो गइल, अवरू एगो बेटी बाड़ी।

राजनीतिक कैरियर

मुर्मू 1997 में रैरंगपुर नगर पंचायत के पार्षद चुनल गइल रहली। उ भारतीय जनता पार्टी के अनुसूचित जनजाति मोर्चा के उपाध्यक्ष भी रहली।

ओडिशा में भारतीय जनता पार्टी आ बीजू जनता दल गठबंधन सरकार के दौरान 6 मार्च 2000 से 6 अगस्त 2002 ले वाणिज्य आ परिवहन आ 6 अगस्त 2002, आ 16 मई 2004 से मत्स्य आ पशु संसाधन विकास खातिर स्वतंत्र प्रभार के साथ राज्य मंत्री रहली। ऊ 2000 से 2004 ले ओडिशा के मुख्य मंत्री रहली आ रायरंगपुर विधानसभा क्षेत्र के विधायक रहली। साल 2007 में ओडिशा विधान सभा से उनुका के सर्वश्रेष्ठ विधायक खातिर नीलकंठ पुरस्कार दिहल गइल रहे।

गवर्नर के रूप में

मुर्मू झारखंड के पहिली महिला राज्यपाल रहली। उ ओडिशा के पहिली महिला आदिवासी नेता रहली जिनके कवनो भारतीय राज्य में गवर्नर के रूप में नियुक्ति भइल होखे।

राष्ट्रपति कार्यकाल (2022-अबतक ले)

26 जुलाई 2022 के द्रौपदी मुर्मू भारत के 15वीं राष्ट्रपति के शपथ लिहली, शपथ-ग्रहण समारोह के अध्यक्षता, भारत के 48वां मुख्य न्यायाधीश एन. वी. रमना द्वारा कइल गइल आ पूर्व राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति, प्रधानमंत्री, आ अउरी प्रतिनिधि लोग के समारोह में मौजूद रहल।

मुर्मू भारत के आदिवासी समुदाय से पहिली ब्यक्ति बाड़ी जे राष्ट्रपति चुनल गइल बाड़ी। ऊ सभसे कम उमिर के आ 1947 में भारत के आजादी के बाद पैदा भइल पहिली ब्यक्ति हई जे राष्ट्रपति चुनल गइल बाड़ी। मुर्मू प्रतिभा पाटिल के बाद राष्ट्रपति के पद धारण करे वाली दूसरही औरत बाड़ी।

मुर्मू पहिली बेर 14 अगस्त 2022 के राष्ट्रपति के रूप में राष्ट्र के संबोधित कइली, ई 75वाँ स्वतंत्रता दिवस के पूर्व संध्या पर रहल।

सितंबर 2022 में ऊ एगो सरकारी प्रोग्राम 'प्रधानमंत्री टीबी मुक्त भारत' लांच कइली – जवन देस से टीबी रोग (ट्यूबरकुलोसिस) के खतम करे के पहल बाटे। ऊ कर्नाटक में दस दिन के राज्य महोत्सव 'मैसूरू दसहरा' के उद्घाटन करे वाली भारत के पहिली राष्ट्रपति बनली।राष्ट्रपति कार्यकाल के सुरुआती महीना सभ में मुर्मू असम, मिजोरम, नागालैंड आ सिक्किम समेत देस के पूर्बोत्तर राज्यन के दौरा कइली आ बिबिध बिकास परियोजना सभ के समारोह में शामिल भइली।

नवंबर 2022 में ऊ राष्ट्रपति के पद सम्हरला के बाद पहिला बेर अपना गृह राज्य ओडिशा के दौरा कइली आ बिबिध कार्यक्रम सभ में भाग लिहली। उ अपना महतारी संस्था के दौरा कइली आ बाद में सड़क के किनारे स्कूली बच्चा लोगन से भेंट कइली अउरी दु किलोमीटर पैदल चल के पुरी जगन्नाथ मंदिर के देवता के नमन करे गइली।

अप्रैल 2023 में आसाम के तेजपुर एयर स्टेशन से सुखोई एसयू-30एमकेआई लड़ाकू विमान में ऐतिहासिक उड़ान भरली, आ लड़ाकू विमान में उड़ान भरे वाली अबतक के तिसरहा राष्ट्रपति बनली। उ लगभग 30 मिनट ले ब्रह्मपुत्र नदी अउरी तेजपुर घाटी के ऊपर से उड़ली जवन हिमालयी श्रृंखला के भी कवर कइलस। एकरा बाद उ एकरा के एगो "उल्लासजनक अनुभव" बतवली।

मई 2023 में जब सेंट्रल विस्टा प्रोजेक्ट के तहत नयका संसद भवन के उद्घाटन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कइलन त बिबाद छिड़ल। बिपक्ष एकर उद्घाटन मुर्मू से संवैधानिक राष्ट्रपति के रूप में करे के माँग कइलस, आ समारोह के बहिष्कार क देलस। हालाँकि, बाद में मुर्मू के कहनाम रहल कि "प्रधानमंत्री संसद के भरोसा के प्रतीक हवे, अउरी उनुका उद्घाटन से उनुके गर्व अउरी गहिरा संतुष्टि भइल"।

संदर्भ

रानीतिक पद
पहिले
लक्ष्मण माँझी
बिधायक, रायरंगपुर
2000–2009
बाद में
श्याम चरण हंसदा
सरकारी ऑफिस
पहिले
सईद अहमद
झारखंड के राज्यपाल
2015–2021
बाद में
रमेश बैस
पहिले
रामनाथ कोविंद
भारत के राष्ट्रपति
2022–अबतक
पद पर वर्तमान

Tags:

द्रौपदी मुर्मू निजी जिनगीद्रौपदी मुर्मू राजनीतिक कैरियरद्रौपदी मुर्मू गवर्नर के रूप मेंद्रौपदी मुर्मू राष्ट्रपति कार्यकाल (2022-अबतक ले)द्रौपदी मुर्मू संदर्भद्रौपदी मुर्मू बाहरी कड़ीद्रौपदी मुर्मूअनुसूचित जाति अउरी अनुसूचित जनजातिओडिशाझारखंडभारत के राष्ट्रपतिभारत के राष्ट्रपति लोगन के लिस्टभारतीय जनता पार्टी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

ई मेलमुर्गाराजघाट पुलबाणभट्टइंस्टाग्रामउत्तर प्रदेश के नाचइटलीयूनाइटेड किंगडमजगन्नाथ मंदिर, पुरीअंटार्कटिकामोहनजोदड़ोशाहजहाँसपना चौधरीकुसुमी जंगलतीजभारत के आजादी आंदोलनमांसपेशीकैंडलस्टिक पैटर्नक्रिस गेलकोरिओलिस बलपरिणीति चोपड़ाए. ओ. ह्यूमकामदेवकृष्णदेव उपाध्यायमैरवापंकज त्रिपाठीचार धाममीरा कुमारकुंचिकल झरनादेसी मुर्गाआदि पराशक्तिचंद्रप्रभा बनजीव बिहारविशाल आदित्य सिंहछोटानागपुर पठारविष्णुपद मंदिरमौर्य साम्राज्यमॉब लिंचिंगअस्पतालशरावती नदीडिग्री (कोण)सेंटीमीटरआदित्यनाथबियफेकावेरी नदीलाल किलापुच्छल ताराकैनियनकाममोजाम्बिकगुलाबजवाहरलाल नेहरूआम आदमी पार्टीपरभणी जिलाअजीत डोभालकरीना कपूरवाट्सएपदेवरिया सदर रेलवे इस्टेशननेपालफिनलैंडराइन नदीपूर्वांचलबुध (ग्रह)सल्वाडोर डालीमुख्य पन्नाबिहार में प्रशासनप्राकृतिक संसाधनकोलोरैडो नदीविद्यापतिमानव यौन गतिविधिइत् संज्ञामई दिवसअशोकईस्टर🡆 More