संज्ञा के भेद

परंपरागत व्याकरण में संज्ञा (नाँव) के पाँच गो भेद भा प्रकार (अंग्रेजी: classification of noun) बतावल जालें — व्यक्तिवाचक, जातिवाचक, समूहवाचक, द्रव्यवाचक आ भाववाचक। ई वर्गीकरण के सिस्टम एह बात प आधारित हवे कि कौनों नाँव से कवना किसिम के चीज के बोध हो रहल बाटे। कौनों एक चीज के भा ब्यक्ति के नाँव व्यक्तिवाचक संज्ञा कहाला, जवना नाँव से कौनों पूरा जाति के बोध होखे ओकरा जातिवाचक संज्ञा कहल जाला, प्रानी भा बस्तु के झुंड भा समूह के बोध करावे वाला नाँव समूहवाचक संज्ञा होला, कौनों नापल-तउलल जा सके वाला पदार्थ के नाँव द्रव्यवाचक संज्ञा होला आ कौनों भाव-बिचार के नाँव भाववाचक संज्ञा कहाला।

आधुनिक भाषा विज्ञान में नाउन क्लास (अंग्रेजी: noun class) संज्ञा के बिसेस किसिम के कटेगरी होला भा संज्ञा के वर्गीकरण के सिस्टम होला जे, संज्ञा से जेकर भा जवना चीज के नाँव के बोध हो रहल होखे (रिफरेंट), ओकरे लच्छन के आधार पर वर्ग भा कटेगरी में बाँटे ला; एह बँटवारा के आधार चीज के नर भा मादा होखल, सजीव भा निर्जीव होखल वगैरह हो सके ला। एकरे अलावा नाउन क्लास में बाँटे के आधार संज्ञा के रूप (मॉर्फ़ोलॉजी) भी हो सके ला चाहे ई बँटवारा के सिस्टम एकदम से अटरेंडम आ रूढ़ि आधारित भी हो सके ला। नाउन क्लास के नाउन क्लासिफायर से अलगा बूझे के चाहीं।

Tags:

अंग्रेजीव्याकरणसंज्ञा

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

संगम कालअमेरिकापिरेनीज परबतकलमजरीबकंबोडियाइटलीतेजपुरपेरियारसतावर18 सितंबरकुचिपुड़ीछठदेव आनंदएंजाइमममता बनर्जीकर्क रेखाआदमीचट्टानरीमा लागूयूनानजुलाई 3हीलियमqjwsjअखिलेश यादवटॉरनैडोचीनीइंडोनेशियाई भाषानेनुआज्योतिकाभोजपुरी संस्कृतिगंगा मैया तोहें पियरी चढ़ैबोराम मंदिर, अयोध्याबराक ओबामापोर्नोग्राफीभैरो बाबामध्य प्रदेशसंघ राज्यक्षेत्रचंपारन सत्याग्रहबिहार बोर्डयातायातभारतीय संस्कृतिहरसिंगारगोरखपुर विश्वविद्यालययांग्त्सी नदीघनानंदअरुणाचल प्रदेशअजीत डोभालहप्तागुना27 मार्चसिद्धार्थ विश्वविद्यालयस्तूपआईएसएसएनघुमंतू लोगटेक्सासनीबिगूगल क्रोमग्रेट प्लेन्सहिमाचल प्रदेशकैथेड्रलअवधयूरोपआरास्टीफन हॉकिंगअनुकूलतम जनसंख्याआलूकड़कनाथमोतीलाल नेहरूबांग्लादेशकोरोप्लेथ नक्शाराजेंद्र प्रसाददिपठारचिरईजन गण मनचेन्नई सुपर किंग्स🡆 More