कर्क रेखा

कर्क रेखा एगो कल्पित रेखा ह जेवन पृथ्वी के अइसन जगह सभ से गुजरे ले जे सभसे उत्तरी जगह बाने जहाँ सुरुज के किरण सीधा पड़ सके ला। अइसन वर्तमान समय में 21 जून के होला जब सूर्य सबसे उत्तर ले पहुँच के सीधा चमकेला, एह दिन के उत्तरी संक्रांति कहल जाला। अइसन पृथ्वी की एकरी काल्पनिक धुरी की झुकाव की वजह से होला आ 21 जून के पृथ्वी क उत्तरी हिस्सा ठीक सुरुज की ओर झुकल रहेला जेवना से सुरुज से आवे वाला किरन पृथ्वी पर सभसे उत्तर की ओर ले चढ़ जाले।

कर्क रेखा
विश्व की नक्शा पर कर्क रेखा
कर्क रेखा
उत्तरी संक्रांति की समय क इस्थिति जब सूर्य क किरण कर्क रेखा पर सीधा पड़त बा

वर्तमान समय में कर्क रेखा क इस्थिति आमतौर पर 23.5 डिग्री उत्तरी अक्षांश बतावल जाला हालाँकि ई हमेशा एकही ना रहेला। इतिहास में ए में थोड़ा बहुत परिवर्तन भी भइल बा जेवन चक्रीय होला, मने कबो घट जाला आ फिर ठीक ओतने समय में बढ़ जाला। ई बदलाव पृथिवी के झुकाव के मात्रा में बदलाव की वजह से होला।

कर्क रेखा, आ एकर उल्टा मकर रेखा जेवन दक्खिनी गोलार्ध में इस्थित बा, दुनो की बिच्चा में क हिस्सा उष्ण कटिबंध कहल जाला।

कर्क रेखा भारत की बीचोबीच से हो के जाले आ भारत की आठ गो राज्यन से हो के गुजरेले। ई राज्य हवें गुजरात, राजस्थान, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, झारखण्ड, पश्चिम बंगाल त्रिपुरा अउरी मिजोरम। उज्जैन आ राँची शहर लगभग कर्क रेखा पर इस्थित बाड़ें।

नाँव

एह रेखा के नाँव अबसे लगभग 2,000 पहिले धराइल, ओह समय में सुरुज कर्क नाँव के राशि (कर्क माने खेखड़ा) में रहत रहे जब जून संक्रांति होखे। मने की अइसन समय जब साल में एक बेर सुरुज के किरन सभसे उत्तरी बिंदु सभ पर पड़े, ओह समय सुरुज आकास में कर्क नाँव के तारा मंडल के सोझा रहल करे। हालाँकि, अब अइसन स्थिति ना बाटे, पृथ्वी के धुरी के झुकाव के दिसा भी बहुत धीरे-धीरे बदलत रहे ला जेकरा के अयन चलन भा अयन गति कहल जाला, एकरे परभाव के कारण, अब वर्तमान में जब जून संक्रांति (उत्तरी संक्रांति) होखे ले तब सुरुज वास्तव में वृष राशि में होखे ला। भारतीय ज्योतिष में, निरयन सिस्टम में गणना करे पर, जेह में अयन गति के परभाव के हटा के राशिमान लिखल जाला, कर्क संक्रांति 15 जुलाई के आसपास होले, जबकि सायन सिस्टम में ई 21 जून के होखे ले।

कर्क रेखा आ मकर रेखा के बीच के इलाका के अंग्रेजी में ट्रोपिकल कहल जाला आ एह रेखा सभ के ट्रॉपिक्स कहल जाला। इहो यूनानी (ग्रीक) भाषा के "ट्रोपो" शब्द से निकसल हवे जेकर अरथ बदलाव से हऽ मने की एकरे बाद सुरुज के दिसा (किरण के चढ़ाव-उतराव) बदल जाले।

भूगोल

कर्क रेखा जेवना देसन से हो के गुजरे ले ओहमें शामिल बाड़ें: अल्जीरिया, नाइजर, लीबिया, मिस्र, सऊदी अरब, यूएई, ओमान, भारत, बांग्लादेश, म्यांमार, चीन, ताइवान, मेक्सिको, बहामास, पच्छिम सहारा (मोरक्को आ सहरावी अरब डेमोक्रेटिक रिपब्लिक के दावेदारी), मारिटानिया, आ माली।

अक्षांस-देसांतर देश, राज्यक्षेत्र (टेरिटरी) चाहे समुंद्र नोट
23°26′N 0°0′E / 23.433°N 0.000°E / 23.433; 0.000 (Prime Meridian) कर्क रेखा  अल्जीरिया
23°26′N 11°51′E / 23.433°N 11.850°E / 23.433; 11.850 (Niger) कर्क रेखा  Niger
23°26′N 12°17′E / 23.433°N 12.283°E / 23.433; 12.283 (Libya) कर्क रेखा  Libya ई संक्रांति वृत्त कर्क रेखा  Chad के सबसे उत्तरी बिंदु 23°26′N 15°59′E / 23.433°N 15.983°E / 23.433; 15.983 (Northernmost point of Chad) पर टच करे ला।
23°26′N 25°0′E / 23.433°N 25.000°E / 23.433; 25.000 (Egypt) कर्क रेखा  मिस्र नासिर झील से हो के गुजरे ले।
23°26′N 35°30′E / 23.433°N 35.500°E / 23.433; 35.500 (Red Sea) लाल सागर
23°26′N 38°38′E / 23.433°N 38.633°E / 23.433; 38.633 (Saudi Arabia) कर्क रेखा  Saudi Arabia
23°26′N 52°10′E / 23.433°N 52.167°E / 23.433; 52.167 (United Arab Emirates) कर्क रेखा  यूनाइटेड अरब अमीरात खाली भर अबू धाबी अमीरत से हो के।
23°26′N 55°24′E / 23.433°N 55.400°E / 23.433; 55.400 (Oman) कर्क रेखा  Oman देस के राजधानी मस्कट से हो के।
23°26′N 58°46′E / 23.433°N 58.767°E / 23.433; 58.767 (Indian Ocean) हिंद महासागर अरब सागर
23°26′N 68°23′E / 23.433°N 68.383°E / 23.433; 68.383 (India) कर्क रेखा  भारत राज्य सभ: गुजरात, राजस्थान, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, झारखंडपच्छिम बंगाल
23°26′N 88°47′E / 23.433°N 88.783°E / 23.433; 88.783 (Bangladesh) कर्क रेखा  बांग्लादेश खुलना, ढाका आ चिटगांव डिवीजन
23°26′N 91°14′E / 23.433°N 91.233°E / 23.433; 91.233 (India) कर्क रेखा  भारत त्रिपुरा
23°26′N 91°56′E / 23.433°N 91.933°E / 23.433; 91.933 (Bangladesh) कर्क रेखा  बांग्लादेश चिटगाँव डिवीजन
23°26′N 92°19′E / 23.433°N 92.317°E / 23.433; 92.317 (India) कर्क रेखा  भारत मिजोरम
23°26′N 93°23′E / 23.433°N 93.383°E / 23.433; 93.383 (Myanmar) कर्क रेखा  म्यांमार चिन प्रांत, सागिंग, मांडले, शान राज्य
23°26′N 98°54′E / 23.433°N 98.900°E / 23.433; 98.900 (China) कर्क रेखा  चीन युन्नान (कर्क रेखा  वियतनाम बाडर के लगभग 7 किमी उत्तर से), गुआंग्सी, आ गुआंगडांग
23°26′N 117°8′E / 23.433°N 117.133°E / 23.433; 117.133 (Taiwan Strait) ताइवान जलजोड़
23°26′N 120°8′E / 23.433°N 120.133°E / 23.433; 120.133 (Taiwan) कर्क रेखा  Taiwan
23°26′N 121°29′E / 23.433°N 121.483°E / 23.433; 121.483 (Philippine Sea) फिलिपाइन सागर
23°26′N 142°00′E / 23.433°N 142.000°E / 23.433; 142.000 (Pacific Ocean) प्रशांत महासागर नेकर दीप, हवाई, कर्क रेखा  यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका के जस्ट दक्खिन से हो के
23°26′N 110°15′W / 23.433°N 110.250°W / 23.433; -110.250 (Mexico) कर्क रेखा  मेक्सिको बाजा कैलिफोर्निया सर
23°26′N 109°24′W / 23.433°N 109.400°W / 23.433; -109.400 (Gulf of California) कैलिफोर्निया के खाड़ी
23°26′N 106°35′W / 23.433°N 106.583°W / 23.433; -106.583 (Mexico) कर्क रेखा  मेक्सिको
23°26′N 97°45′W / 23.433°N 97.750°W / 23.433; -97.750 (Gulf of Mexico) मेक्सिको के खाड़ी क्यूबा से जस्ट उत्तर में
23°26′N 83°0′W / 23.433°N 83.000°W / 23.433; -83.000 (Atlantic Ocean) अटलांटिक महासागर
23°26′N 76°0′W / 23.433°N 76.000°W / 23.433; -76.000 (Bahamas) कर्क रेखा  Bahamas
23°26′N 75°10′W / 23.433°N 75.167°W / 23.433; -75.167 (Atlantic Ocean) अटलांटिक महासागर
23°26′N 15°57′W / 23.433°N 15.950°W / 23.433; -15.950 (Western Sahara) पच्छिमी सहारा Claimed by कर्क रेखा  Morocco and the कर्क रेखा  Sahrawi Arab Democratic Republic
23°26′N 12°0′W / 23.433°N 12.000°W / 23.433; -12.000 (Mauritania) कर्क रेखा  Mauritania
23°26′N 6°23′W / 23.433°N 6.383°W / 23.433; -6.383 (Mali) कर्क रेखा  Mali
23°26′N 2°23′W / 23.433°N 2.383°W / 23.433; -2.383 (Algeria) कर्क रेखा  अल्जीरिया

जमीन पर

पूरा दुनिया में कई जगह पर नाप-जोख कइ के कर्क रेखा क जमीन पर इस्थिति के देखावे खातिर तरह तरह क निसान लगावल गइल बा। एही में से कुछ क फोटो नीचे दिहल जात बा:

संदर्भ

Tags:

कर्क रेखा नाँवकर्क रेखा भूगोलकर्क रेखा जमीन परकर्क रेखा संदर्भकर्क रेखा21 जूनपृथ्वीसुरुज

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

मानव प्रजातिरवि किशनअलेक्जेंडर कनिंघमबिहार के अनुमंडल सभपंजाब, पाकिस्तानताना भगत आंदोलनगोरखपुर विश्वविद्यालयमिया खलीफामहावीर जयंतीरोहित शर्मासंघ राज्यक्षेत्रकंचनजंघानागवासुकी मंदिर, इलाहाबाद2023 आईपीएलजन गण मनमहासागरमहेंदर मिसिरजापानट्रांस हिमालयअमेजन नदीकृष्णा सोबतीमादा जननांगमेहराबनैनी सेंट्रल जेलमुगलसराय जंक्शन रेलवे स्टेशनहोलीधुआँ1989इतिहासवैशाली जिलापुलसपना चौधरीराघवन1947भूमध्य सागरगाजीपुर जिलाघनानंदहिंदी भाषाभैरो बाबासर्वेमहेंद्र सिंह धोनीअनुष्का शर्माबुल्गारियामार्क ज़करबर्गशाहरुख खानचेन्नई सुपर किंग्सरिहानालवंडा नाचमाहेश्वर सूत्रमिठाईसत्यमेव जयतेवर्ग किलोमीटरआयनमंडलएंजाइमविद्यापतिदवाईपड़रौनाशेक्सपियरमानव यौन गतिविधिप्राकृतिक संसाधनहवा प्रदूषणव्लादिमीर पुतिनपुरुषार्थवायुमंडलअमृता सुभाषबेल्जियमब्रह्मपुत्र नदीसलमान खानगौतम बुद्धअरावलीमाइकल जैक्सनजो बाइडन2021🡆 More