तुलसीदास: भारतीय कवी आ संत (1532–1623)

गोस्वामी तुलसीदास जिनके गोसाँईं जी भी कहल जाला, (1511— 1623) एक ठो हिंदू कवी-संत, सुधारक आ जगद्गुरु रामानंदाचार्य के परंपरा में रामानंदी संप्रदाय के एक ठो बिचारक रहलें जिनके श्रीराम के भक्त के रूप में पहिचान हवे। संस्कृत आ अवधी में कई ठे रचना करे वाला एह कवी के सभसे ढेर परसिद्धि रामचरितमानस खातिर हवे, जवन कि संस्कृत रामायण में बर्णित रामकथा के देसी भाषा अवधी में दुबारा बर्णन हवे।

गोस्वामी तुलसीदास
सफ़ेद रंग के मूर्ती
काँच मंदिर, तुलसी पीठ, चित्रकूट में तुलसीदास के मूर्ती
जनमरामबोला
1511
सोरों, दिल्ली सल्तनत, भारत
निधन1623
अस्सी घाट, बनारस, मुग़ल राज (अब उत्तर प्रदेश, भारत)
पदवी/उपाधि/सम्मानगोस्वामी, संत, अभिनववाल्मीकि, भक्तशिरोमणि
गुरुप्रथम गुरु। नरहरिदास शिक्षा गुरु। शेषसनातन
दर्शनरामानंदी
रचनारामचरितमानस, विनय पत्रिका, गीतावली, दोहावली, साहित्य रत्न, हनुमान चालीसा, Vairagya Sandipani, Janaki Mangal, Parvati Mangal, and others

तुलसीदास के उनका जियत रहते, मूल रामायण के रचयिता वाल्मीकि के अवतार मान लिहल गइल। तुलसीदास के हनुमान चलीसा के रचनाकार भी मानल जाला, जे वर्तमान में एक ठो बहुत प्रचलित प्रार्थना हवे, राम के भक्त हनुमान के प्रार्थना करे खातिर।

तुलसीदास के ज्यादातर जिनगी बनारस शहर में बीतल। इहाँ, गंगा के एगो घाट क नाँव इनहीं के नाँव पर तुलसी घाट रखल गइल बा। तुलसिये दास के संकट मोचन मंदिर के स्थापना के श्रेय दिहल जाला आ ई मानल जाला कि हेइजे उनके हनुमान जी के दरसन भइल रहल। रामलीला सुरू करे के श्रेय भी इनहीं के दिहल जाला, जे राम जी के कथा के नाटक रूपांतर होला आ आज बनारस के रामलीला पुरा दुनिया में अपना तरह के अकेल रामलीला हवे जहाँ पुरा सहरे एकर मंच हवे।

तुलसीदास के हिंदी साहित्य, भारतीय साहित्य आ विश्व साहित्य में सभसे महान कवी लोग में गिनल जाला। भारत के कला, संस्कृति आ समाज पर तुलसीदास के रचना सभ के परभाव बहुत बिस्तृत बाटे आ आजु भी ई परभाव देसी भाषा सभ, रामलीला, भारतीय शास्त्रीय संगीत, पापुलर संगीत, आ टीवी सीरीज में नोट कइल जा सके ला।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

रामचरितमानसरामायणसंस्कृतहिंदू

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

सर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनचइताशिवालिकभारतीय संविधानअलीगढ़ मंडलअर्थअवधी भाषाब्लॉगडोममहतारीजनसंख्या भूगोलइंग्लैंडइटलीइरफ़ान ख़ानग्रेगरियन कैलेंडरबनारस कैंट रेलवे स्टेशनमोइन उल हक स्टेडियमबेबिंकाभाग्यश्रीइकोलॉजीउत्तर प्रदेश के मंडल सभ के लिस्टपनामा नहरसेशेल्सपिरेनीज परबततीस्ता नदीमध्य प्रदेश के जिला सभ के लिस्टचिरईमलाइका अरोड़ा खाननेनुआरसगुल्लादार्जिलिंग जिलाविन्सेंट वान गॉगपृथ्वी के घूर्णनभारत छोड़ो आंदोलनरवांडाप्रेमचंदप्राकृतिक उपग्रहअरुणाचल प्रदेशएशिया के सभसे लमहर नदी सभ के लिस्टकुल्फी कुमार बाजेवालासई नदीसूडानगाजीपुर जिलाकमलहजारी प्रसाद द्विवेदीखुशबूबहरीनइस्कान मंदिर, दिल्लीहिंदू पतराभारत के अर्थब्यवस्थाहुगली नदीभाबरलवंडा नाचगेहुँअनमुस्तफाबादसंगमरमरकॉपीराइटबनारस हिंदू विश्वविद्यालयभोजपुरी साहित्यपुच्छल तारामेसोस्फियरकुशीनगर जिलालार्ड कार्नवालिसपर्यावरणी गिरावटजगदीशपुरअंटार्कटिकालैब्राडोर धाराकलमयूनाइटेड अरब अमीरातभूलेखविवेकानंदनीलम गिरीमगध प्रमंडल🡆 More