मुंबई

मुंबई, पुरान नाँव बॉम्बे भारत की महाराष्ट्र प्रान्त क राजधानी बा । ए शहर के आर्थिक महत्व की कारण एके भारत क आर्थिक राजधानी कहल जाला। संयुक्त राष्ट्र के अनुसार, 2018 के हिसाब से मुंबई भारत के दिल्ली के बाद दुसरा सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर बा आ दुनिया के आठवाँ सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर बाटे जेकर आबादी लगभग 2 करोड़ बाटे। साल 2011 के भारत सरकार के जनगणना के मोताबिक, मुंबई भारत के सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर रहल जेकर अनुमानित शहरी उचित आबादी 1.25 करोड़ (12.5 मिलियन) रहल जे बृहनमुम्बई नगर निगम के तहत रहत रहलें। मुंबई मुंबई महानगरीय क्षेत्र के केंद्र हवे, दुनिया के छठवाँ सभसे ढेर जनसंख्या वाला महानगरीय इलाका हवे जेकर जनसंख्या 23 लाख (23 मिलियन) से ढेर बाटे। मुंबई भारत के पच्छिमी तट पर कोंकण तट पर पड़े ला आ एकर गहिरा प्राकृतिक बंदरगाह बा। साल 2008 में मुंबई के अल्फा वर्ल्ड सिटी के नाँव दिहल गइल। भारत के सगरी शहर सभ में एह में सभसे ढेर करोड़पति आ अरबपति लोग के संख्या बा। मुंबई में यूनेस्को के तीन गो बिस्व धरोहर स्थल बाड़ें: एलिफंटा गुफा, छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस, आ शहर के बिसेस बिक्टोरियन आ आर्ट डेको भवन सभ के समूह जे 19वीं आ 20वीं सदी में डिजाइन कइल गइल बाड़ें।

मुंबई
मुंबई
मुंबई
मुंबई
मुंबई
मुंबई
मुंबई
From top, left to right: Bandra–Worli Sea Link, Gateway of India, Taj Mahal Palace Hotel, Chhatrapati Shivaji Maharaj Terminus, Buildings at Nariman Point, South Bombay's skyline at night
Coat of arms of मुंबई
Nicknames: 
City of Seven Islands, Bollywood,[प्रमाण देईं] Gateway of India, City of Dreams, Skyscrapers City, Maximum City, City that Never Sleeps
Interactive map outlining Greater Mumbai (Mumbai City District and Mumbai Suburban District)
मुंबई is located in Mumbai
मुंबई
मुंबई
Location of Mumbai in Maharashtra, India
मुंबई is located in Maharashtra
मुंबई
मुंबई
मुंबई (Maharashtra)
मुंबई is located in India
मुंबई
मुंबई
मुंबई (India)
मुंबई is located in एशिया
मुंबई
मुंबई
मुंबई (एशिया)
मुंबई is located in पृथिवी
मुंबई
मुंबई
मुंबई (पृथिवी)
Coordinates: 18°58′30″N 72°49′33″E / 18.97500°N 72.82583°E / 18.97500; 72.82583 72°49′33″E / 18.97500°N 72.82583°E / 18.97500; 72.82583
देशभारत India
राज्यमुंबई महाराष्ट्र
Divisionकोंकण
DistrictMumbai City
Mumbai Suburban
कब बसल1507[प्रमाण देईं]
Named forमुम्बादेवी
Government
 • TypeMunicipal Corporation
 • BodyMunicipal Corporation of Greater Mumbai
 • MayorKishori Pednekar (Shiv Sena)
Area
 • महानगर603 किमी2 (233 बर्ग मील)
 • Metro
4,355 किमी2 (1,681.5 बर्ग मील)
Elevation
14 m (46 ft)
Population
 (2011)
 • महानगर12,478,447
 • Rank1st
 • Density21,000/किमी2 (54,000/बर्ग मील)
 • Metro
18,414,288
20,748,395 (Extended UA)
Demonymsमुम्बईकर, बॉम्बयिटे
Time zoneUTC+5:30 (आइएसटी)
PINs
400 001 to 400 107
Area code+91-22
Vehicle registration
  • MH-01 Mumbai(S/C), MH-02 Mumbai(W), MH-03 Mumbai(E), MH-47 Borivali
Metro GDP/PPP$151–$368 billion
HDI (2013)Increase 0.846 (very high)
आधिकारिक भाषामराठी
Websitemcgm.gov.in

मुंबई के गठन करे वाला सात गो दीप सभ में पहिले मराठी भाषा बोले वाला कोली लोग के समुदाय रहलें।सदियन ले, बंबई के सात गो दीप सभ के लगातार मूल निवासी शासक लोग के नियंत्रण में रहल आ एकरे बाद पुर्तगाली साम्राज्य के सौंप दिहल गइल आ एकरे बाद ईस्ट इंडिया कंपनी के 1661 में, कैथरीन ब्रागांजा के दहेज के माध्यम से जब इनके बियाह इंग्लैंड के चार्ल्स द्वितीय से भइलl 18वीं सदी के बीच के दौरान, बंबई के हॉर्नबी वेलार्ड प्रोजेक्ट द्वारा नया रूप दिहल गइल जेह में समुंद्र से सात गो दीप सभ के बीच के इलाका के रिक्लेमेशन के काम कइल गइल। प्रमुख सड़क आ रेलवे के निर्माण के साथे-साथ 1845 में पूरा भइल ई रिक्लेमेशन प्रोजेक्ट बम्बई के अरब सागर पर एगो प्रमुख समुद्री बंदरगाह में बदल दिहलस। बम्बई 19वीं सदी में आर्थिक आ शैक्षिक विकास के विशेषता रहे। 20वीं सदी के सुरुआत के दौरान ई भारतीय स्वतंत्रता आंदोलन खातिर एगो मजबूत आधार बन गइल। 1947 में भारत के आजादी मिलला पर एह शहर के बांबे राज्य में शामिल कइल गइल। 1960 में सम्यक् महाराष्ट्र आंदोलन के बाद एगो नया राज्य महाराष्ट्र के निर्माण भइल जवना के राजधानी बांबे रहे।

मुंबई भारत के बित्तीय, ब्यापारिक, आ मनोरंजन के राजधानी हवे। ई वैश्विक बित्तीय प्रवाह के मामिला में भी दुनिया के शीर्ष दस गो वाणिज्य केंद्र सभ में से एक बा, भारत के सकल घरेलू उत्पाद के 6.16% उत्पादन करे ला, आ औद्योगिक उत्पादन के 25% हिस्सा, भारत (मुंबई) में समुंद्री ब्यापार के 70% हिस्सा बाटे पोर्ट ट्रस्ट आ जेएनपीटी), आ भारत के अर्थब्यवस्था के पूंजी लेनदेन के 70% हिस्सा। मुंबई में दुनिया के कौनों भी शहर के तुलना में अरबपति लोग के संख्या आठवाँ बाटे आ 2008 में मुंबई के अरबपति लोग के औसत धन दुनिया के कौनों भी शहर के तुलना में सभसे ढेर रहल। एह शहर में महत्वपूर्ण बित्तीय संस्थान बाड़ें आ कई गो भारतीय कंपनी आ बहुराष्ट्रीय निगम सभ के कॉर्पोरेट मुख्यालय बाड़ें। एकरे अलावा इहाँ भारत के कुछ प्रमुख वैज्ञानिक आ परमाणु संस्थान भी बाड़ें। एह शहर में बॉलीवुड आ मराठी सिनेमा उद्योग भी बा। मुंबई के व्यापार के अवसर पूरा भारत से प्रवासी लोग के आकर्षित करेला।

संदर्भ

Tags:

भारतमहाराष्ट्र

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

क्लियोपैट्राअमरनाथ गुफा मंदिरबिहटासिजिगीकाशी विश्वनाथ मंदिरअरुणाचल प्रदेशसमाजसई नदीकमलकालानमक चाउररवांडाभारतीय संविधान के आमुखभोलाएली एवरामद्रौपदी मुर्मूलक्समबर्गजनसत्तागैलेक्सीसनातनीबकरीदमथुरापच्छिमी जर्मनिक भाषाकरीना कपूरबुलबुलममता बनर्जीलीना नदीभीमराव अंबेडकरजननी जन्मभूमिश्च स्वर्गादपि गरीयसीबुर्ज खलीफामहाराणा प्रतापफेसबुक मैसेंजररसगुल्लाजनपदलार्ड कार्नवालिसअजीत डोभालदिपावलीमॉब लिंचिंगचायबसंतपुर ब्लाक, सिवानबाघवेबसाइटएक्सवीडियोजलाल चंदनकृष्णमानव प्रजातिकंप्यूटरफुटबालआजमगढ़शहरजयप्रकाश नारायणगंगा नदीकुल्फी कुमार बाजेवालाइरफ़ान ख़ानसामूहिक सेक्सगाँड़हंगरीमनोज वाजपेयीरवीन्द्र कुमार 'राजू'किली पॉलकंगना राणावतवेंकैया नायडूहिंदू पतरारामनाथ कोविंदमैदानआम आदमी पार्टीअखिलेश यादवबाबा धामदुपहरियाप्रेम चोपड़ामकर रेखाकाशी विद्यापीठ🡆 More