गेहूंमन चाहे नाग जेकरा अंग्रेजी कोबरा कहल जाला एगो साँप हटे, जे भारत के चारगो सभ से बीसाल साँपन मे से एगो बाटे। ई भारत, पाकिस्तान, बांग्लादेश, नेपाल आ भूटान मे पाईल जाला। ई नागराज चाहे कींग कोबरा के अलग होला।
गेहूंमन | |
---|---|
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
Unrecognized taxon (fix): | [[Sauropsida]] |
ऑर्डर (Order): | Squamata |
Suborder: | Serpentes |
परिवार: | Elapidae |
जाति (Genus): | Naja |
प्रजाति: | N. Naja |
दूपद नाँव | |
Naja Naja (Linnaeus, 1758) | |
Indian cobra distribution | |
अउरी दूसर नाँव | |
|
ई नाज जाति के साँप हऽ, नाग के लैटिन मे नाज कहल गइल एहिसे हेकर बेग्यानिक लोग हेकरा नाज कहेला।
भारत के दोसर दोसर भासा मे हेकर दोसर दोसर नांव बा, भोजपुरी मे हेकरा गेहूंमन कहल जाला, बाकिर जदि हेकर रंग करिया होखे तब ई नाग कहाला, गेहूंमन के रंग गेहूं लेखा होला एहिसे ऊ गेहूंमन कहाला। भोजपुरी इलाका मे नाग से बेसी गेहूंमन होखलऽसन। करिया आ गेहुमा छोड़ि के ई अउरी बहुते रंग के होखेलऽसन जेकरा ओही रंग के गेहूंमन चाहे नाग के आगा लगाई के चिन्हल जाला, जइसे उज्जर गेहूंमन, चाहे ऊज्जर नाग।
मराठी, हिंदीआ गुजराती मे हेकरा नाग कहल जाला, मलयालम मे मुरखन, तेलुगु मे नागु पामु, कन्नड़ मे नागरा हावू, तमिल मे नल्ला पंबू आ बंगाली मे गोखरा कहल जाला।
गेहूंमन अलग अलग जगहा प दोसर दोसर रंग आ आकार मे होला। देहि के नीचे के चोञटा चाहे पेट के रंग करिया, पीयर, भुअर, लालि हो सकेला। देहि के ऊपर के चाम चाहे चोञटा प अलग अलग रंग के आकिरती हो सकेला।
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article गेहुँअन, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.