चारमीनार: हैदराबाद में एगो बिल्डिंग

चारमीनार भारत के हैदराबाद नगर मे एगो परसिद्ध भवन बा। एकर निर्माण 1591 मे भइल आ सऊँसे बिस्व मे ई हैदराबाद के चिन्हासी के रूप मे आ भारत के कुछू बहुते जानल-मानल बिल्डिंग सभ में गिनल जाए वाली बिल्डिंग बा। लमसम 400 बरिस से एकरे ऊपरी तल्ला प महजिद बा आ इहाँ कए तरह के मेला तिहुआरो मनावल जाला। ई हैदराबाद के सभसे ढेर देखल घूमल जाए वाला पर्यटक आकर्षण भी हवे।

चारमीनार
चारमीनार: हैदराबाद में एगो बिल्डिंग
बेसिक जानकारी
लोकेशनहैदराबाद, तेलंगाना, भारत
17°21′42″N 78°28′29″E / 17.36163°N 78.47467°E / 17.36163; 78.47467 78°28′29″E / 17.36163°N 78.47467°E / 17.36163; 78.47467
धर्म/मतइस्लाम
राज्यतेलंगाना
देसभारत
धरोहर पहिचानराष्ट्रिय महत्व के इस्मारक, UNESCO Tentative List
Architectural description
आर्किटेक्चरमीर मोमिन अस्तरवादी
आर्किटेक्चर इस्टाइलभारतीय-इस्लामी आर्किटेक्चर
Founderमुहम्मद क़ुली क़ुतुब शाह
बिसेस लच्छन
मिनारा4
मिनारा ऊँचाई48.7 मीटर (160 फीट)
मटेरियलग्रेनाइट, चूना पाथर, मोर्टार आ संगमरमर

चारमीनार मूसी नदी के पुरबी तीर पर बाटे आ एकरे लगे के इलाका भीड़भाड़ वाला बजार के इलाका हवे। एकरा पच्छिम ओर परसिद्ध लाड बजार बा जेकरा के चूड़ी बजार के नाँव से भी जानल जाला। एकरे दक्खिन-पच्छिम में मक्का महजिद बाटे।

हैदराबाद के कुतुबशाही बंस के शासक मुहम्मद कुली क़ुतुब शाह एह इमारत के बनववलें। ई इतिहासी धरोहर हवे। भारतीय आर्कियोलॉजिकल सर्वे के लिस्ट में ई भवन दर्ज बा आ ई एगो संरक्षित इमारत हवे।

फोटो गैलरी

प्रभाव

चारमीनार: हैदराबाद में एगो बिल्डिंग 
पाकिस्तान के कराची में चारमीनार के नकल। एह चौराहा के चारमीनार चौरंगी कहल जाला।

2007 में पाकिस्तान में रहे वाला हैदराबादी मुसलमान लोग कराची शहर के बहादुराबाद मोहल्ला में मेन चौक पर एह चारमीनार के एगो छोटहन नकल तइयार कइल। ई बिल्डिंग मूल चारमीनार के छोटहन आ कम सजावटी नकल हवे बाकी एगो बहुत सुघर बिल्डिंग हवे। एह चौराहा के चारमीनार चौरंगी कहल जाला। 2015 में छपल एगो रपट के मोताबिक ई यूके के एगो संस्था द्वारा जारी लिस्ट में दुनियाँ के छठवाँ सभसे खूबसूरत गोलचक्कर के रूप में चिन्हित कइल गइल रहल।

परसिद्ध चाकलेट बनावे वाली कंपनी लिंट (Lindt) के अडेलबर्ट बोशर एह बिल्डिंग के एगो छोट पैमाना पर मॉडल बनवलें जे 50 किलोग्राम चाकलेट से बनल रहे आ एकरा के बनावे में तीन दिन के समय लागल रहे। ई मॉडल हैदरबाद के वेस्टिन में 25 आ 26 सितंबर 2010 के नुमाइश खातिर रखल गइल रहे।

चामीनार एक्सप्रेस भारतीय रेल के एगो रेलगाड़ी हवे जे एही बिल्डिंग के नाँव पर नाँव वाली गाड़ी हवे, ई हैदराबाद आ मद्रास (चेन्नई) के बीचा में चले ले।

पुराना समय के हैदराबाद रियासत में चले वाला सिक्का आ रुपिया के नोट सभ पर भी चारमीनार के बिल्डिंग के चित्र छपल रहे जे सभ ओह समय में चलन में रहलें।

ई इमारत हैदराबाद शहर के पहिचान के दर्जा हासिल क चुकल बाटे आ तेलंगाना राज्य के भी। ई तेलंगाना राज्य के राजकीय निशान पर दर्ज कइल गइल बा जेह में ई काकतीय तोरण (वारंगल गेट) के बीचा में देखावल गइल हवे।


संदर्भ

Tags:

महजिदहैदराबाद

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

ओप्पो इलेक्ट्रानिक्सलिंक्डइनसतलजशाहाबाद जिलाकौशांबीजार्ज ग्रियर्सनबिहार के अनुमंडल सभग्रेट लेक्सभतुआशिवरंजनीहेमा मालिनीगुवाहाटीकैमूर बनजीव अभयारण्यसर्वेट्रिपल एक्स (फिलिम सिरीज)आदि पराशक्तिनोनीया सागजाति (जीव बिज्ञान)संघ राज्यक्षेत्रमगधकारराजघाट पुलभंटाजॉर्डनअवधबांग्लादेशकिताबओजार्कगैलेक्सीनील नदीपबजीट्रिपल एक्स (2002 फिलिम)गंगा मैया तोहें पियरी चढ़ैबोछपरागाँठ गोभीआदमीमायाचिरईपोलैंडआजमगढ़बनारस के घाटबाणभट्टमकर रेखापुरीबद्रीनाथ मंदिरकोशी प्रदेशबुर (बहुअर्थी)माइकल जैक्सनगुरु तेग बहादुरगूगलभिखारी ठाकुरगोरखपुर विश्वविद्यालयसैफ अली खानबसंतपुर ब्लाक, सिवानइस्कान मंदिर, दिल्लीपटना नगर निगमदलितबराक ओबामाभारत के राष्ट्रपतिबिंबिसारभूलेखबुध (ग्रह)गाँवचंडीगढ़भारतीय मसाला सभ के लिस्टआसाराममेघाकृष्णा नदीइंडीगोउदित नारायणतिब्बत के पठारडेनमार्ककृष्णदेव उपाध्याय🡆 More