तिब्बत के पठार: मध्य एशिया में पठार

तिब्बत के पठार (अंग्रेजी: Tibetan Plateau) एगो बिसाल आ ऊँच पठार बा जे एशिया महादीप में बा। ई दक्खिन एशिया, मध्य एशिया, आ पूरबी एशिया के हिस्सन पर बिस्तार लिहले बा। चीन के तिब्बत खुदशासित क्षेत्र के अधिकतर हिस्सा, किंघाई, उत्तर-पच्छिमी युन्नान, सिचुआन के पच्छिमी आधा हिस्सा, दक्खिनी गांसू प्रांत, दक्खिनी शिनजियांग प्रांत; भारत के लद्दाख, आ हिमाचल प्रदेश के लाहुल आ स्पीती; पाकिस्तान के गिलगित-बल्तिस्तान; नेपाल के उत्तरी हिस्सा; भूटान; पूरबी ताजिकिस्तान आ दक्खिनी किर्गीजिस्तान में पड़े ला।

Tibetan Plateau
तिब्बत के पठार: मध्य एशिया में पठार
The Tibetan Plateau lies between the Himalayan range to the south and the Taklamakan Desert to the north. (Composite image)
डाइमेंशन
लंबाई2,500 किमी (1,600 मील)
चौड़ाई1,000 किमी (620 मील)
रकबा2,500,000 किमी2 (970,000 वर्ग मील)
भूगोल
तिब्बत के पठार: मध्य एशिया में पठार
Tibetan Plateau and surrounding areas above 1600 m
LocationChina (Tibet, Qinghai, Western Sichuan, Northern Yunnan, Southern Xinjiang, Western Gansu)
India (Ladakh, Lahaul & Spiti, Northern Arunachal Pradesh, Northern Sikkim)
Pakistan (Baltistan)
Nepal (Northern Nepal)
Bhutan
Tajikistan (Eastern Tajikistan)
Kyrgyzstan (Southern Kyrgyzstan)
रेंज निर्देशांक33°N 88°E / 33°N 88°E / 33; 88 88°E / 33°N 88°E / 33; 88

ई पठार हिमालय के उत्तर में आ तकलामकान रेगिस्तान के दक्खिन ले, उत्तर-दक्खिन के लगभग 1,000 किलोमीटर (620 मील) आ ताजिकिस्तान से चीन के बिचला पच्छिमी हिस्सा ले पूरुब-पच्छिम के लगभग 2,500 किलोमीटर (1,600 मील) के लंबाई वाला बाटे। ई बिस्व के सभसे ऊँच आ सबसे बिसाल आकार के पठार हवे जेकर कुल रकबा लगभग 2,500,000 वर्ग किलोमीटर (2.7×1013 वर्ग फु) बाटे (फ्रांस देस के मुख्य जमीन से लगभग पाँच गुना)। ई पठार ऊँच पहाड़न के श्रेणी सभ से घेराइल बा जेह में दुनिया के दू गो सभसे बेसी ऊँच चोटी माउंट एवरेस्टके2 शामिल बाड़ी। तिब्बत के पठार के "संसार के छत कहल जाला"।

तिब्बत के पठार से कई बिसाल नदी बेसिन सभ के मुख्य नदिन के उदगम होला आ आसपास के इलाका सभ के सालभर पानी के उपलब्धता रहे ला। एहिजे दसन हजार ग्लेशियर बाड़ें आ अउरी अइसन इकोलॉजिकल फीचर बाड़ें जे एकरा के "पानी के टावर" कहे खातिर उचित कारन बाड़ें; ई पठार पृथ्वी के ध्रुवीय इलाका के बहरें तिसरा सभसे बिसाल बरफ के भंडार होखे के कारण तिसरा ध्रुव ((अंग्रेजी: third pole), थर्ड पोल) कहल जाला। जलवायु बदलाव के शंका आ तिब्बत के पठार के जलवायु बदलाव के अउरी इलाका सभ पर परभाव के आकलन एह समय बैज्ञानिक रिसर्च के बिसय बाटे।

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजीएशियातिब्बतदक्खिन एशियापठारलद्दाख

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

मदर टेरेसाअमेजन (कंपनी)पीलकएशियावुडरो विल्सनमिशनरी पोजीशनब्रेकिंग न्यूज़झंडामानव यौन गतिविधिचंबल नदीचिरईमैरवाशिल्पा शेट्टीवियतनाममौर्य साम्राज्यफ्रांसीसी क्रांतिनासासचिन तेंदुलकरदामोदर नदीमंगोलियाफिलिपींसचंद्रयान-2सपना चौधरीबेसनबुध (ग्रह)सनाया ईरानीफरवरीदेहातबनारस कैंट रेलवे स्टेशनभारत के बायोस्फियर रिजर्व सभ के लिस्टजञनीवार्डलखनऊतेजस्वी यादवभारत के राष्ट्रपतिऔरतग्रहराज्यसभाइंस्टाग्रामनर्मदा नदीटेम्स नदीमुगलसराय जंक्शन रेलवे स्टेशनमॉब लिंचिंगगोरखपुर चिड़ियाघरसर्वेघासमुर्गी पालनस्टार परिवार अवार्ड्सअफ़ग़ानिस्तानगोरौलभोजपुरी संस्कृतिवल्ड वाइड फंड फॉर नेचरदुबईऑस्ट्रियाबैतूल जिलामहात्मा गाँधीराष्ट्रीय गीतछेनाभरतनाट्यमकजरीआईएसबीएनसई नदीदिपावलीभागीरथीदेसी मैनासतुआनलिंगानुपातजानकारीगोलार्धपूजा गौरपानीब्रह्मांडपंजाबी भाषामाइकल जैक्सन🡆 More