सिंधु नदी

सिंधु नदी एशिया महादीप के कुछ सभसे लमहर नदी सभ में से एक हवे। ई तिब्बत के पठार से मानसरोवर झील के लगे से निकले ले आ उत्तर पच्छिम मुहें भारत के लद्दाख इलाका से हो के बहे ले, ओकरे बाद ई पाकिस्तान के अधिकार वाला गिलगित-बल्तिस्तान इलाका से हो के बहे के बाद मुड़े ले आ पूरा पाकिस्तान पार करे के बाद अरब सागर में कराची के नगीचे जा के मिले ले। ई पाकिस्तान के सभसे लमहर नदी आ राष्ट्रिय नदी हवे।

सिंधु नदी (सिंधु)
सिंधु नदी
Satellite image of the Indus River basin in Pakistan, and China.
देस सिंधु नदी पाकिस्तान (93%), सिंधु नदी भारत (5%), सिंधु नदी चीन (2%)
सहायिका
 - बायें से जाँस्कर नदी, चिनाब नदी, सतलज नदी, Soan River, ब्यास नदी, रावी नदी, द्रास नदी, Suru River (Indus), झेलम नदी, किशनगंगा नदी
 - दहिने से श्योक नदी, गिलगित नदी, काबुल नदी, कुर्रम नदी, गोमल नदी
शहर लेह, Sukkur, हैदराबाद, डेरा इस्माइल खान
प्राथमिक उदगम Sênggê Zangbo
 - लोकेशन तिब्बत पठार
दुसरहा उदगम Gar
 - लोकेशन तिब्बत पठार
मुहाना Arabian Sea (primary), Nal Sarovar Bird Sanctuary (secondary)
 - लोकेशन Indus River Delta (primary), Central Gujarat (secondary), Pakistan (primary), भारत (secondary)
 - ऊँचाई 0 मी (0 फीट)
लंबाई 2,880 किमी (1,790 मील)
थाला 1,165,000 किमी2 (449,809 वर्ग मील)
जलनिकास for अरब सागर
 - औसत 6,600 m3/s (233,077 cu ft/s)
सिंधु नदी
Map of the Indus River basin

नदी के थाला लगभग 1,165,000 किमी2 (450,000 वर्ग मील) से बेसी रकबा पर बिस्तार लिहले बाटे। एगो अनुमान (इस्टीमेट) के मोताबिक एकर सालाना बहाव 243 किमी3 (8.6×1012 घन फुट) बाटे, ई नील नदी के लगभग दुगुन्ना बाटे आ दजला-फरात नदिन सभ के तिनगुन्ना बा। सालाना बहाव के मामिला में एह तरीका से ई दुनियाँ के सभसे बड़हन नदी सभ में से एक बा। लद्दाख में एह में जाँस्कर नदी बायें से आ के मिलेले। मैदान में उतरे पर चिनाब, झेलम, रावी, ब्यास आ सतलज के रूप में पंजनद सभ आ के मिले लीं। दहिने ओर से आ के मिले वाली नदी सभ में स्योक, गिलगित, काबुल, गोमल आ कुर्रम नदी प्रमुख बाड़ी सऽ। एगो पहाड़ी सोता से निकले के बाद ई नदी मुख्य रूप से आपन बहाव के पानी ग्लेशियर सभ से हासिल करे ले। हिमालय, कराकोरम आ हिंदुकुश परबत सभ के नदी सभ से एकरा के पानी मिले ला आ कई किसिम के इकोसिस्टम सभ से हो के बहे ले।

भूगोल

लेह के लगे सिंधु नदी

सहायिका

संदर्भ

Tags:

अरब सागरपाकिस्तानमानसरोवर झीललद्दाख

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

गोरखपुर विश्वविद्यालयबाराँ जिलाहावड़ा ब्रिजगायकीड्रैगनअरावलीमहादीपी शेल्फमार्क्सवादक्लियोपैट्रामहाकालरजनीकांतचेन्नई सुपर किंग्समनुस्मृतिकलमसिक्किममंगरइलढोढ़ीगाजियाबाद जिलागोरखपुर चिड़ियाघरविकिमीडिया फाउंडेशनतोतापरी आममई दिवसमगध प्रमंडलअखिलेश यादवज़ेरोधापब्लिक एडमिनिस्ट्रेशनभोजपुरी साहित्यसोनपुर मेलाकैथीअमेजन (कंपनी)बुल्गारियाझेलम नदीट्रिपल एक्स (2002 फिलिम)बंगाल के खाड़ीकावेरी नदीबिहार के भूगोलरामनाथ कोविंदराहुल गांधीसंज्ञा (संस्कृत व्याकरण)प्रादेशिक भूगोलबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टबनारसब्रह्मांडभागीरथीरामभद्राचार्यहिंदी पट्टीपटना कॉलेजपाणिनिमनेर शरीफसिंधु जल समझौतासिकंदरपुरगरमी (सीजन)सतलजप्रदूषणकारलखनिया दरीक्रिस्टियानो रोनाल्डोतिब्बतबद्रीनाथ मंदिरबुरुंडीरामचरितमानसलवंडा नाचओजोन परतभोजपुरी क्षेत्रवैनगंगा नदीगजपुरनालार्ड कार्नवालिसचायधर्मशाला, हिमाचल प्रदेशशेखपुरा जिलाअबू धाबीब्लॉगजामुन🡆 More