चंद्रयान-2

चंद्रयान-2 भारतीय अंतरिक्ष कार्यक्रम के तहत, चंद्रमा पर भेजल जाये वाला भारत के दुसरा अंतरिक्ष बिमान हवे। एकरे पहिले चंद्रयान-1 भेजल गइल रहे। इसरो द्वारा बिकसित आ बनावल एह यान के 22 जुलाई 2019 के 2.43 PM IST (09:13 UTC) पर सतीश धवन अंतरिक्ष केंद्र के लांच पैड से जीएसएलवी मार्क 3 राकेट द्वारा लांच कइल गइल। एह अंतरिक्ष यान से एगो चंद्र ऑर्बिटर, लैंडर आ चंद्र रोवर भेजल गइल।

चंद्रयान-2
चंद्रयान-2
चंद्रयान-2 के कंपोजिट तस्वीर
मिशन प्रकारचंद्र ऑर्बिटर, चंद्र लैंडर, चंद्र रोवर
आपरेटरइसरो (ISRO)
सैटकैटनं.2019-042A
वेबसाइटwww.isro.gov.in/chandrayaan2-home-0
मिशन अवधिऑर्बिटर: > 1 बरिस
विक्रम लैंडर ≤ 14 दिन
प्रज्ञान रोवर: ≤ 14 days
अंतरिक्षबिमान लच्छन
निर्माताइसरो (ISRO)
लांच द्रब्यमानसगरी (wet): 3,850 किग्रा (8,490 पाउंड)
Combined (dry): 1,308 किग्रा (2,884 पाउंड)
पेलोड द्रब्यमानऑर्बिटर (wet): 2,379 किग्रा (5,245 पाउंड)
ऑर्बिटर (dry): 682 किग्रा (1,504 पाउंड)
विक्रम लैंडर (wet): 1,471 किग्रा (3,243 पाउंड)
Vikram lander (dry): 626 किग्रा (1,380 पाउंड)
प्रज्ञान रोवर: 27 किग्रा (60 पाउंड)
पावरऑर्बिटर: 1 kW

Vikram lander: 650 W

Pragyan rover: 50 W
मिशन सुरुआत
लांच तारीख22 जुलाई 2019, 14:43:12 IST (09:13:12 UTC)
राकेटजीएसएलवी मार्क 3
लांच के जगहसतीश धवन अंतरिक्ष केंद्र लांच पैड
ठीकेदारइसरो (ISRO)
चंद्रमा ऑर्बिटर
Orbital insertion20 August, 2019 (planned)
Orbit parameters
पेरीapsis100 किमी (62 मील)
Apoapsis100 किमी (62 मील)
चंद्रमा लैंडर
अंतरिक्षबिमान कंपोनेंटरोवर
Landing date7 सितंबर 2019 (प्लान)
चंद्रयान कार्यक्रम

मकसद

चंद्रयान-2 के सभसे प्राथमिक मकसद बा ई देखावल कि भारतीय तकनीकी चंद्रमा के सतह पर "सॉफ्ट-लैंडिंग" करे में आ सतह पर रोवर चलावे में सक्षम बाटे। एकरे बाद बैज्ञानिक मकसद सभ में चंद्रमा के टोपोग्राफी, खनिज, तत्व सभ के मात्रा, चंद्रमा के बाहरी वायुमंडल (लूनर एक्सोस्फीयर), इहाँ मौजूद पानी आ बरफ के अध्ययन वगैरह शामिल बा। ऑर्बिटर चंद्रमा के सतह के नक्शा तइयार करी आ थ्री-डी व्यू जेनरेट करे में मदद करी। एह पर लागल राडार सतह के सर्वेक्षण करी आ मौजूद पानी के अध्ययन करी। दक्षिणी ध्रुव वाला इलाका में बरफ के रूप में जमल पानी के अध्ययन एह में शामिल बा। एकरे अलावा ई चंद्रमा पर मौजूद चट्टान-चूर्ण (रेगोलिथ) के मोटाई के अध्ययन करी जवना से इहाँ के माटी बनल बा।

डिजाइन

ई मिशन जीएसएलवी मार्क 3 से लांच कइल गइल आ लिफ्ट-ऑफ द्रब्यमान लगभग 3,850 किग्रा (8,490 पाउंड) रहल। श्रीहरिकोटा दीप पर मौजूद सतीश धवन सेंटर से एकरा के लांच कइल गइल। जून 2019 तक ले , एह मिशन पर कुल खर्चा 978 करोड़ (लगभग US$141 मिलियन) आइल जेह में 603 एकरे अंतरिक्ष वाला हिस्सा पर आइल आ 375 खर्चा लांच करे के सिस्टम पर आइल। चंद्रयान-2 स्टैक के पहिले पृथ्वी के पार्किंग ऑर्बिट में 170 किमी पेरीजी आ 40,400 किमी अपोजी पर लांच यान द्वारा अस्थापित कइल गइल।

संदर्भ

Tags:

चंद्रयान-2 मकसदचंद्रयान-2 डिजाइनचंद्रयान-2 संदर्भचंद्रयान-2 बाहरी कड़ीचंद्रयान-2इसरोचंद्रयान-1प्रज्ञान रोवर

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

पोलैंडजापानमॉब लिंचिंगशुकबिहारी भाषाओप्पो इलेक्ट्रानिक्सशहरमेहराबनेपाल के नगरपालिका सभ के लिस्टसैम मानेकशॉआसामदुसरा बिस्व जुद्धहिंदू पतरामहावीरपरभणी जिलारामचरितमानसयोनीबस्ती मंडलग्रेट लेक्सइरफ़ान ख़ानमांसपेशीताज महल होटलकंगना राणावतपेरियारब्लॉगरमैनालैब्राडोर धाराएली एवरामपानीनागवासुकी मंदिर, इलाहाबादशशिकांत गुप्ताशिवालिककोसी नदीकुसुमी जंगलबिंबिसारढाकाघनानंदसर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनभारतीय मसाला सभ के लिस्टसंस्कृत व्याकरणआदि पराशक्तिडिग्री (कोण)दिल्ली चिड़ियाघरराकस तालमनोरंजनबिहार में प्रशासनअज्ञेयएक्सएनएक्सएक्सबहरीनकलकत्ताओरिएंटल स्टडीज़धौलागिरिअलफांसो (आम)डेनमार्कवेबैक मशीनसई नदीमहारानी के घोषणापत्रसल्वाडोर डालीआसारामकामशेर शाह सूरी के मकबरारवि किशनकेसरिया रंगहवा प्रदूषणऋषिकेशविटामिनचौसा आमकृष्णा सोबतीपिनटेरेस्टयातायात🡆 More