जलवायु बदलाव

जलवायु बदलाव भा जलवायु परिवर्तन (अंग्रेजी: Climate change), जलवायु में लंबा समय के दौरान होखे वाला बदलाव हवे। आम मौसम के दसा के सांख्यिकी के पैटर्न में अगर अइसन बदलाव होखे जे कई साल ले (या कई दशक से ले के करोड़न सालन ले) चले, जलवायु बदलाव हऽ। जलवायु बदलाव के मतलब औसत मौसमी दसा में होखे वाला बदलाव हो सके ला, या फिर एकर मतलब हो सके ला कि बहुत लंबा समय के औसत मौसमी दसा के पैटर्न तुलना में वर्त्तमान या ओह लंबा समय के कौनों छोट हिस्सा के समय अवधि के मौसमी दसा सभ के पैटर्न के बीच केतना बिचलन बा। जलवायु बदलाव कई कारण से होला, जीवीय प्रक्रिया के चलते, या सुरुज के रेडिएशन में बदलाव के चलते, प्लेट टेक्टॉनिक्स के चलते, आ ज्वालामुखी घटना के चलते धरती के जलवायु में अइसन बदलाव हो सके ला जे सालन ले चले। कुछ मानवीय कारण, यानी मनुष्य के काम काज के रूप में कारण सभ के चिन्हित कइल गइल बा जेकरे कारण वर्तमान में जलवायु बदलाव या बैस्विक गरमाव हो रहल बा।


बैज्ञानिक लोग भूतकाल के आ आगे आवे वाला समय के जलवायु के बिबिध प्रकार के ऑब्जरवेशन आ सैधांतिक मॉडल के मदद से समझे-बूझे के कोसिस क रहल बा। धरती के इतिहास में जलवायु कइसन रहल बा, एकर भारी आँकड़ा आ रिकार्ड जुटावल जा चुकल बा आ जुटावल जा रहल बा। एह सबूत सभ में भूबिग्यानी आँकड़ा, बरफ के चादर सभ में छेद क के लिहल नमूना, बनस्पति आ जिया-जंतु सभ से संबंधित आँकड़ा, ग्लेशियर आ पेरी-ग्लेशियर इलाका से लिहल आँकड़ा महत्व के चीज बाने। हाल के जमाना के आँकड़ा सीधे यंत्र के सहायता से नापल मौसमी दसा सभ के आँकड़ा के रूप में बा। जनरल सर्कुलेशन मॉडल सभ, जे भौतिक बिज्ञान के ऊपर आधारित बाने, पुराना समय के जलवायु के अनुमान लगावे आ भाबिस्य के जलवायु के पूर्वानुमान लगावे खातिर इस्तेमाल हो रहल बाने आ जलवायु बदलाव के कारण आ परभाव के बिचा में कड़ी जोड़े खाती इस्तेमाल हो रहल बाड़ें।

वर्तमान समय में मनुष्य के क्रियाकलाप से भूमंडलीय तापन के कारन जलवायु में होखे वाला परिवर्तन एगो प्रमुख चर्चा के बिसय बाटे आ कुछ लोग के हिसाब से निकट भबिस्य में पृथ्वी आ मानवता खातिर एगो खतरा बाटे। भारत में, जलवायु बदलाव के चलते बिस्थापन में बढ़ती होखे के बात कहल जा रहल बा।

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजीजलवायुज्वालामुखीपर्यावरण पर मनुष्य के परभावप्लेट टेक्टॉनिक्सबैस्विक गरमावमौसम

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

द्वारिकाधीश मंदिरबनारस हिंदू विश्वविद्यालयस्पून्स सेक्स पोजीशनमैदानइस्लाम1857 के बिद्रोहपहाड़ीऑक्सीजनसिंधु घाटी सभ्यताचीनी भाषाममता बनर्जीवाट्सएपपड़रौनासपना चौधरीतीजशहरसट्टानीस्टर नदीराजीव गांधीमैग्मासूरीनाममोनाकोसावनआम आदमी पार्टीदुसरा बिस्व जुद्धशक्करखोरामाइक्रोब्लॉगिंगरामभद्राचार्यबरेहीपानी झरनामहेंद्र सिंह धोनीशारदा नदीकलकत्ता विश्वविद्यालयअफ़ग़ानिस्तानमहाराजगंज1938सत्यमेव जयतेजून 5कारललित होटलनर्मदा नदीमहात्मा गाँधीनेशनल हाइवे 44मंगलयानभारतीय जनता पार्टीझंडाइत् संज्ञासैम मानेकशॉसोनम कपूरअमेरिकामहाराजगंज, सिवान (अनुमंडल)जनवरी 12कृषि भूगोलh978vपंकज त्रिपाठीरानी चटर्जीकुंचिकल झरनासिरफलएरोसोलरोहतास जिलावर्ग किलोमीटरभागलपुर प्रमंडलसिविल लाइंस, इलाहाबादलोहाचिनाब नदीमार्च 15ज्योतिकामार्च 30मदर टेरेसाबोधगयाभूटानऊटीभारतीय मानक समयआस्ट्रेलिया🡆 More