मैदान: सपाट भूगोलीय इलाका

मैदान जमीन के अइसन हिस्सा होला जहाँ बहुत ऊँचाई-निचाई के बदलाव न होखे आ सपाट, चाहे लगभग सपाट, सतह होखे। मैदान आमतौर पर निचली घाटी सभ में, पहाड़ के तलहटी में, समुंद्र किनारे के हिस्सा में, भा बिस्तृत पठार के ऊपरी हिस्सा पर पावल जालें।

माउंट अरारात आ अरारात मैदान
अरारात परबत आ ओकरे सोझा अरारात के मैदान।
पर्बतीय मैदान जे सपाट ना लहरदार होखे ला
मैदान के एकदम सपाट होखल जरूरी ना बाटे, उदाहरण खातिर ई पर्बतीय मैदान देखल जाय

भूगोल के शाखा भूआकृति बिज्ञान में मैदान के दुसरे क्रम के थलरूप में रखल जाला जेह में एकरे अलावा पहाड़ आ पठार वगैरह आवे लें। एकरे अलावा इनहन के वर्गीकरण उत्पत्ति के आधार पर चाहे लोकेशन के आधार पर कइल जाला। मैदानी इलाका प्राचीन काल से जनसंख्या के बसाव के इलाका रहल हवें जहाँ भी जलवायु बढ़ियां होखे। एही कारन बिस्व के कई मैदानी हिस्सा सभ में जनसंख्या घन पावल जाले। एकरे पाछे मूल कारण खेती खातिर भरपूर आ सपाट-समतल जमीन के उपलब्ध होखल, मवेशी सभ खाती चरहा के सुबिधा वगैरह गिनावल जा सके ला। एह इलाका में रेल, सड़क वगैरह के निर्माण भी आसान होला जेवना कारन आवागमन के बेहतर सुबिधा रहे ले।

प्रकार

जमाव से बनल

मैदान: प्रकार, उदाहरण, संदर्भ 
नदी द्वारा काटल (इनसाइज्ड) छोट जलोढ़ मैदान, रेड रॉक कैनियन स्टेट पार्क, कैलिफोर्निया।
मैदान: प्रकार, उदाहरण, संदर्भ 
विट के दीपसमूह में एगो बाढ़ के मैदान।

अइसन मैदान जे पृथ्वी के चट्टान के कटाव आ भूपदार्थ के स्थानांतरण होखे के बाद कहीं निचाई के जगह पर जमा होखे से बने लें जमाव से बनल मैदान हवें। अंग्रेजी में इनहन के डिपोजिशनल प्लेन कहल जाला। भूपादार्थ के एकट्ठा हो के जमाव से बने वाला ई मैदान भी कई किसिम के हो सके लें। नीचे कुछ प्रमुख प्रकार दिहल जात बाड़ें:

  • अबीसल मैदान, गहिरा सागर के बीचा में बहुत कम ढाल वाला मैदान
  • प्लैनीशिया, लैटिन शब्द, पृथ्वी से बाहर के आकाशीय पिंड सभ पर बने वाला मैदान सभ के कहल जाला; उदाहरण खातिर मंगल ग्रह पर हेलास प्लैनीशिया चाहे शुक्र ग्रह पर सेडना प्लैनीशिया।
    जलोढ़ मैदान
    जे नदी आ जलधारा द्वारा माटी-गाद जमा करे से बने लें
    • जलोढ़ मैदान, पानी के बहाव के साथे आवे वाला पदार्थ के नदी आ जलधारा अपना किनारे लमहर समय ले जमा करत रहे से बने लें। एह पदार्थ सभ के अल्यूवियम (जलोढ़क) आ अइसन जमाव से बने वाली माटी के अल्यूवियल माटी कहल जाला।
    • बाढ़ के मैदान (फ्लडप्लेन) अइसन जलोढ़ मैदान होखे लें जहाँ आमतौर पर साल में एक बेर नदी, झील भा जलधारा के पानी चढ़ आवे ला आ मैदान पानी में बूड़ जाला; पानी उतरे पर महीन गाद पाछे छूट जाला।
  • स्क्रॉल मैदान, अइसन पातर मैदान होला जेह में नदी मियांडर बना के साँप नियर लहरदार रास्ता पर चले ले।
    ग्लेशियल मैदान
    ग्लेशियर सभ द्वारा बहा के ले आइल भूपदार्थ जमा होखे से बने लें
मैदान: प्रकार, उदाहरण, संदर्भ 
ग्राउंड मोरेन के एगो लहरदार मैदान, टिल प्लेन ग्लेशियर से होखे वाला बहाव के साथे भूपदार्थ जमा होखे से बने लें
    • आउटवाश मैदान (संदुर)
    • टिल मैदान
  • लैकसट्राइन मैदान, झील के तली में जमाव आ बाद में झील के सूख जाए पर बचल मैदानी हीस्सा
  • लावा मैदान, ज्वालामुखी के उदगार आ ओकरे चलते लावा के जमाव से बने वाला मैदान

खरोह से बनल

जहाँ कि कौनों जमीनी हिस्सा हवा, पानी भा अउरी कौनों चीज के दुआरा खरोह दिहल जाय आ कटाव के बाद बचल जमीन लगभग सपाट मैदान के रूप ले ले। उदाहरण खाती डेविस के बतावल खरोह चक्र में अंतिम अवस्था में पेनीप्लेन बचे ला जे एक किसिम के उखड़-खाबड़ मैदान होला।

  • पेनीप्लेन
  • ग्लेशियेटेड प्लेन
  • पेडीप्लेन, रेगिस्तानी इलाका में अपरदन चक्र के अंतिम अवस्था में बने वाला मैदान।

संरचनात्मक

ई अइसन मैदान हवें जे स्वाभाविक रूप से पृथ्वी के चट्टान के कौनों इलाका में अइसन संरचना होखे के कारण बनल हवें आ पट (सपाट) चट्टानी सतह बिना कौनों डिस्टर्बेंस के ओही तरे बचल बा, न एह पर खरोह के परभाव बहुत परल बा न इहाँ खरोह के भूपदार्थ ले आ के जमा कइल गइल बा।

उदाहरण

बिस्व के कुछ प्रमुख मैदान सभ के नाँव नीचे उदाहरण के तौर पर दिहल जात बा:

अमेरिकी महादीपन में

  • लोस लानोस
  • पंपास
  • ग्रेट प्लेन्स
  • अटलांटिक तटीय मैदान

एशिया

  • क्वान्तो मैदान
  • केदू मैदान
  • उत्तर चीन मैदान
  • सिंधु-गंगा मैदान
  • अलेप्पो पठार
  • अरारात मैदान

ओशेनिया

  • नल्लारबोर मैदान
  • कैंटरबरी मैदान

यूरोप

  • पेरिस बेसिन
  • पो घाटी
  • सेलिसबरी मैदान
  • उत्तर जर्मन मैदान
  • वेस्टफेलिया लोलैंड
  • हंगरी के मैदान

संदर्भ

Tags:

मैदान प्रकारमैदान उदाहरणमैदान संदर्भमैदानघाटीजमीनपठार

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

मिया खलीफाकृष्णदेव उपाध्यायमई दिवसअबीररोमानियाताजमहलफिनलैंड1984सिक्किमलोकसभाजन गण मनगोमती नदीकृष्णा सोबतीमहावीरकृषि भूगोलपौधा1974अगहनकुतुबनुमामहतारीगरेना फ्री फायरउत्तर प्रदेश पुलिसउत्तर प्रदेशअमेजन नदीकल्पना पटवारी1977ईलॉन मस्कविष्णुसैन होजेऊटीकुशीनगर जिलाविश्व शांति स्तूपशील्ड ज्वालामुखीलियोनार्डो डा विंचीबवंडरजयप्रकाश नारायणभारतीय लोक संगीतभोजपुरी संस्कृतिभारतीय शास्त्रीय भाषाकिताबनोनीया सागप्राकृतिक संसाधनरजनीशबरफबिंबिसारकेसर के पौधाअकबरअवधी भाषाहोलीरिमोट सेंसिंगबाबा धामबाणभट्टगंगा नदीजगन्नाथ मंदिर, पुरीनाइजरप्रीति जिंटाश्रीहरिकोटाक्वार्ट्जमहारानी के घोषणापत्रफर्स्ट पास्ट द पोस्टसुर्खेत जिलापंकज त्रिपाठीरसड़ाअवधबिहारी भाषाकार्टोग्राफीपटना जंक्शनगंगा नदी बेसिननारायणी नदीचंद्रगुप्त मौर्य1918🡆 More