वाट्सएप

वाट्स एप मैसेंजर (WhatsApp Messenger) एगो फ्री सॉफ्टवेयर हवे जे स्मार्टफोन पर एप्लीकेशन के रूप में चले ला आ तुरंत सनेसा भेजे के सुबिधा देला। ई इंटरनेट के इस्तेमाल क के तुरंत सनेसा (पाठ के रूप में) भेजे, कॉल करे, बीडियो काल करे, फोटो, एनीमेशन, डाकुमेंट, प्रयोगकर्ता के लोकेशन आ फोन कांटेक्ट भेजे के सुबिधा देला। एकरा खातिर पहिचानक के रूप में सेलुलर फोन के नंबर के इस्तेमाल करे ला। ई एप्लीकेशन मोबाइल यंत्र सभ प चले ला हालाँकि, एकरा के डेस्कटॉप कंप्यूटर से भी एक्सेस कइल जा सके ला, ई सेलफोन नेटवर्क के नंबर सभ के इस्तेमाल क के एक दुसरे से कनेक्ट होखे के सुबिधा देला। मूल रूप में एह सुबिधा के द्वारा दू ब्यक्ति आपस में या कई लोग ग्रुप बना के आपस में संबाद क सकत रहे, सितंबर 2017 में ह्वाट्सएप द्वारा घोषणा कइल गइल कि अब एगो नया बिजनेस प्लेटफार्म के जरिये कंपनी सभ एकरे द्वारा कस्टमर केयर सुबिधा भी उपलब्ध करा सके लीं वाट्सएप पर भेजल जाए वाला सगरी डेटा (सनेसा, फोटो, बीडियो, फाइल वगैरह) एंड-टू-एंड एनक्रिप्शन के इस्तेमाल से सुरक्षित होखे ला।

वाट्सएप इंक॰
वाट्सएप
बिजनेस प्रकारसब्सिडरी
स्थापितफरवरी 24, 2009; 15 साल पहिले (2009-02-24)
मुख्यालयमाउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया, यूनाइटेड स्टेट्स
संस्थापक
  • जान कुम
  • ब्रायन एक्शन
सीईओजान कुम
कर्मचारी50
मूल कंपनीफेसबुक
वेबसाइटwhatsapp.com

वाट्सएप के ज्यादातर उपभोक्ता माउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया में स्थित वाट्सएप इंक॰ द्वारा बनावल गइल रहलें हालाँकि, फरवरी 2014 में एकरा के फेसबुक द्वारा लगभग US$19.3 बिलियन (अरब) अमेरिकी डालर में कीन लिहल गइल। फरवरी 2016 ले, वाट्स एप के प्रयोगकर्ता आधार (यूजर बेस) लगभग एक अरब हो चुकल रहल आ एह तरीका से ई आभासी (वर्चुअल) समुदाय सभ में सभसे पापुलर, या आसान भाषा में अपना समय के सभसे पापुलर मेसेजिंग एप बन चुकल रहल। वाट्स एप के बढ़ती कई देसन में तेजी से भइल जेह में ब्राजील, भारत आ यूरोप के बहुत बड़ा हिस्सा सामिल बा।

प्रयोगकर्ता सांख्यिकी

22 अप्रैल 2014 तक ले, वाट्सएप के लगभग 500 मिलियन से ढेर माहवार सक्रिय प्रयोगकर्ता रहलें, 700 मिलयन फोटो आ 100 मिलियन बीडियो रोजाना शेयर कइल जात रहलें, आ हरदिन ई सनेसा सुबिधा 10 बिलियन से ढेर सनेसा हैंडिल क रहल रहे।

24 अगस्त 2014 के, कूम द्वारा ट्विटर पर घोषणा कइल गइल कि पूरा दुनिया भर में वाट्सएप के 600 मिलियन से ढेर सक्रिय प्रयोगकर्ता बाड़ें। ई ऊ समय रहल जब रोज 25 मिलियन प्रयोगकर्ता लोग वाट्स एप से हर महीना जुड़ रहल रहे, यानी कि 833,000 सक्रिय प्रयोगकर्ता रोज जुड़ रहल रहे। कुल दुनिया के 10%, मने कि 65 मिलियन प्रयोगकर्ता लोग के साथ भारत एह मामिला में नमर एक प रहल।

मई 2017 ई रिपोट कइल गइल कि वाट्स एप के प्रयोगकर्ता लोग औसतन 646 साल के समय के बराबर समय बीडियो काल में बिता रहल रहे मने कि 340 मिलियन मिनट रोज एह एप पर बीडियो काल में बितावत रहल।

फरवरी 2017 ले, वाट्सएप के 1.2 बिलियन प्रयोगकर्ता भ चुकल रहे लोग।


इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

वाट्सएप प्रयोगकर्ता सांख्यिकीवाट्सएप इहो देखल जायवाट्सएप संदर्भवाट्सएप बाहरी कड़ीवाट्सएपइंटरनेटकस्टमर केयरमोबाइल फोनस्मार्टफोन

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

विष्णुपद मंदिरज्योतिर्लिंगमहावीरभारतीय मसाला सभ के लिस्टबेसनविवेकानंदट्रिपल एक्स (2002 फिलिम)सिंधु नदीरानी चटर्जीमोटू पतलू22 अप्रैलसनी लियोनीफिनलैंड1857 के बिद्रोहरामअक्षांशब्लॉगसवानाईशा गुप्ताऑपरेटिंग सिस्टमसत्यनारायण कथाबिहार बोर्डवर्ग किलोमीटरकाराकोरम दर्रागंगा नदीमहतारीलंदनमीरा कुमारसोनाक्षी सिन्हाआदित्यनाथदुबई2023 आईपीएलकृषि भूगोलमहासागरराजेश खन्नामेसोस्फियरसारनाथशिवरंजनीप्रकृतिटेम्स नदीयुगांडाप्रेमचंदकनॉट प्लेस, नई दिल्लीसत्यमेव जयतेउरुआए. ओ. ह्यूमक्वार्ट्जमार्क ज़करबर्गरसगुल्लाभोजपुरी साहित्यनागवासुकी मंदिर, इलाहाबादमकर रेखाग्रेट लेक्समहाजनपदकॉमन एराबंगाली भाषारोगकावेरी नदीयूआरएलकैथीबसंतपुर ब्लाक, सिवानएक्सएनएक्सएक्समनेर शरीफएचटीटीपी कुकीगजपुरनाहवाई फोटोग्राफीअफ़ग़ानिस्तानखेलकूदजॉर्जिया (देश)पृथ्वी के घूर्णनवायुमंडलकाशी विश्वनाथ मंदिर🡆 More