पंकज त्रिपाठी: भारतीय अभिनेता

पंकज त्रिपाठी (जनम 5 सितंबर 1976) एगो भारतीय फिलिम एक्टर बाने। त्रिपाठी मुख्य रूप से हिंदी फिलिम सभ में देखलाई पड़े लें आ कई गो टीवी सीरियल आ शो सभ में भी काम कऽ चुकल बाड़ें। पंकज त्रिपाठी के कैरियर के सुरुआत साल 2004 में भइल बाकी इनके ब्रेकथ्रू मिलल 2012 में जब गैंग्स ऑफ वासेपुर रिलीज भइल। एकरे बाद आइल फिलिम सभ में फुकरे, मसान, निल बटे सन्नाटा, बरेली की बर्फ़ी, न्यूटन, फुकरे रिटर्न्स, आ स्त्री गिनावल जा सके लीं। न्यूटन में इनके काम के खातिर नेशनल फिलिम अवार्ड में इस्पेशल मेंशन के तहत इनके सम्मानित कइल गइल।

पंकज त्रिपाठी
पंकज त्रिपाठी: शुरुआती जिनगी, कैरियर, निजी जिनगी
67वाँ बर्लिन फिलिम फेस्टिवल में, 2017 में, पंकज त्रिपाठी
जनम5 सितंबर 1976
बेलसँड़, गोपालगंज, बिहार
राष्ट्रीयताभारतीय
महतारी संस्थानेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा
पेशाएक्टर
सक्रियता साल2004–अबतक

शुरुआती जिनगी

त्रिपाठी क जनम 28 सितंबर 1976 के भारतीय राज्य बिहार के गोपालगंज जिला के बेलसँड़ गाँव (बरौली ब्लॉक) में एगो हिंदू ब्राह्मण परिवार में पंडित बनारस तिवारी आ हेमवंती तिवारी के चार गो संतानन में सभसे छोट बेटा के रूप में भइल। इनके बाबूजी खेतीबारी आ पुरोहिताई करे लें। त्रिपाठी अपना बाबूजी के साथै खेती के काम करें जबले ऊ कक्षा 11 में पढ़ें। तिहुआर के सीजन में त्रिपाठी अपना गाँव में होखे वाला नाटक में लड़की के रोल करें आ एकरा खातिर उनके तारीफी मिलल आ एही से उनके एक्टिंग में कैरियर बनावे के प्रेरणा मिलल। हाई इस्कूल के बाद त्रिपाठी पटना चल अइलें आ इंस्टिट्यूट ऑफ़ होटल मैनेजमेंट, हाजीपुर में पढ़लें। एहिजे ऊ थियेटर करें आ कॉलेज राजनीति में हिस्सा लिहलें। एक्टिंग में फेल हो जाए के डर के चलते ऊ कुछ दिन के पटना के मौर्य होटल में शेफ के रूप में काम कइलें जहाँ मनोज बाजपेई इनका के मिललें। त्रिपाठी बाद में बतावेलें कि शेफ के काम करत समय ऊ बाजपेई के चप्पल चोरा लिहले रहलें आ ओकरा के एगो यादगार के रूप में रखल चाहत रहलें। करीबन सात साल पटना में रहे के बाद त्रिपाठी दिल्ली अइलें जहाँ नेशनल स्कूल ऑफ़ ड्रामा में दाखिला लिहलें आ एहिजे से 2004 में ग्रेजुएट बनलें।

कैरियर

नेशनल स्कूल ऑफ़ ड्रामा से गेजुएशन करे के बाद त्रिपाठी मुंबई आ गइलें आ पहिले टाटा टी के बिग्यापन में नेता के रोल कइलें ओकरा बाद रन में एगो छोटहन रोल कइलें। 2008 में ई बाहुबली टीवी सीरिज में एक्टिंग कइलें आ बाद में सोनी टीवी के पावडर में काम कइलें। 2012 में इनका के बढ़ियां ब्रेकथ्रू मिलल गैंग्स ऑफ़ वासेपुर में जेह में ई सुल्तान के किरदार कइलें। एह फिलिम खातिर इनकर ऑडिशन लगभग आठ घंटा चलल। शुरूआती कैरियर में इनके निगेटिव रोल मिललें आ ई गैंगस्टर कैरेक्टर सभ कइलें। बाद में इनके बिबिध किसिम के रोल मिले लगलें आ इनहन खातिर पहिचान मिलल। लीड कैरेक्टर (मुख्य भूमिका) वाला इनकर पहिली फिलिम 2017 में गुड़गांव रहल। 2017 में इनके फिलिम न्यूटन भारत के ओर से एकेडमी अवार्ड में बेस्ट फॉरेन फिलिम कटेगरी में नामिनेशन वाली फिलिम रहल।

पंकज त्रिपाठी तमिल सिनेमा में आपन पदार्पण काला फिलिम से कइलें जे 7 जून 2018 के रिलीज भइल। त्रिपाठी 2018 के वेब सीरीज मिर्जापुर आ मिर्जापुर सीजन 2 में प्रमुख भूमिका में नजर आइलें जे अमेजन प्राइम पर उपलब्ध बाटे आ 2019 में आइल सेक्रेड गेम्स सीरीज में लउकलें जे नेट्फ्लिक्स पर बा।

निजी जिनगी

1993 में एगो बियाह में पंकज के मुलाक़ात मृदुला से भइल आ पहिलिये नजर में इनका के परेम भ गइल। बाकी इनहन लोगन के परिवार वाला लोगन के मनावे के पड़ल आ 15 जनवरी 2004 के इनहन लोगन के बियाह भइल। एकरा बाद ई लोग मुंबई आ गइल आ 2006 में इनहन लोगन के एगो बेटी भइल जेकर नाँव आशा त्रिपाठी रखाइल।

फिल्मोग्राफी

फिलिम

Key
पंकज त्रिपाठी: शुरुआती जिनगी, कैरियर, निजी जिनगी  Denotes films that have not yet been released
साल फिलिम रोल नोट
2003 चिगुरुदा कान्सी पंकज बिना क्रेडिट (कन्नड़ फिलिम)
2004 रन बिना नाँव बिना क्रेडिट
2005 अपहरण गया सिंह के साथी
बंटी और बबली इंस्पेक्टर जटायु सिंह
2006 ओमकारा किचलू
2007 धर्म सूर्यप्रकाश
2008 मिथ्या टिपनिस
शौर्य मेजर वीरेन्द्र राठोर
2009 चिंटू जी पपलू यादव
बारह आना इंस्पेक्टर
प्यार बिना चैन कहाँ रे विलेन भोजपुरी फिलिम
2010 वाल्मीकि की बंदूक बीडीओ त्रिपाठी शॉर्ट फिलिम
रावण गुलाबिया
आक्रोश किशोर
2011 चिल्लर पार्टी सेक्रेटरी दुबे
2012 अग्निपथ सूर्या
गैंग्स ऑफ़ वासेपुर – पार्ट 1 सुल्तान कुरैशी
गैंग्स ऑफ़ वासेपुर – पार्ट 2
दबंग 2 फिलावर
2013 एबीसीडी: एनीबडी कैन डांस वर्धा भाई
रंगरेज ब्रिजबिहारी पांडे
फुकरे पंडित
अनवर का अजब किस्सा अमोल
माजी राठीजी
जनता v/s जनार्दन– बेचारा आम आदमी
दूसूकेलता दिलीश्वर राव तेलुगु फिलिम
2014 गुंडे लतीफ
सिंघम रिटर्न्स अल्ताफ
2015 मांझी - द माउंटेन मैन रुआब
लाइफ बिरियानी'
मसान सध्या जी
दिलवाले अनवर
2016 निल बटे सन्नाटा प्रिंसिपल श्रीवास्तव
ग्लोबल बाबा डमरू
मैंगो ड्रीम्स सलीम अंग्रेजी फिलिम
2017 कॉफ़ी विथ डी गिरधारी
अनारकली ऑफ आरा रंगीला
न्यूटन आत्मा सिंह
गुड़गांव केहरी सिंह
बरेली की बर्फी नरोत्तम मिश्रा
फुकरे रिटर्न्स पंडित
मुन्ना माइकल बाली
2018 कालाकंदी
काला पंकज पाटिल तमिल फिलिम
अंग्रेजी में कहते हैं फिरोज
फेमस त्रिपाठी
स्त्री रूद्र
हारजीत कोच पंजाबी फिलिम
भाईजी सुपरहिट बिल्डर गुप्ता
युअर्स ट्रूली विजय Zee5 पर रिलीज
2019 लुका छुपी बाबूलाल
द ताशकंद फाइल्स गंगाराम झा
सुपर 30 श्री राम सिंह
किस्सेबाज छुट्टन शुक्ला
अर्जुन पटियाला फिलिम प्रोड्यूसर कैमियो
ड्राइव हामिद नेट्फ्लिक्स पर रिलीज
2020 अंग्रेजी मीडियम टोनी
एक्स्ट्रैक्शन ओवी महाजन सीनियर नेट्फ्लिक्स पर रिलीज
अंग्रेजी फिलिम
गुंजन सक्सेना: द कारगिल गर्ल अनूप सक्सेना नेट्फ्लिक्स पर रिलीज
लूडो सत्येंद्र "सत्तू भइया" त्रिपाठी नेट्फ्लिक्स पर रिलीज
शकीला सलीम
2021 कागज लाल बिहारी जी5 पर रिलीज
मिमी भानु नेट्फ्लिक्स पर रिलीज
बंटी और बबली 2 जटायु सिंह
83 पीआर मान सिंह
2022 बच्चन पांडे भावेस भोपलो
शेरदिल: द पीलीभीत सैगा गंगा राम
OMG 2 – Oh My God! 2 पंकज त्रिपाठी: शुरुआती जिनगी, कैरियर, निजी जिनगी  TBA फिल्मिंग जारी

टेलीविजन

साल टाइटिल रोल नोट
2005 टाइम बॉम्ब 9/11 रॉ ऑफिसर त्रिपाठी
2010–11 जिंदगी का हर रंग...गुलाल गिगा काका
2010 पाउडर नावेद अंसारी
2015–16 सरोजनी - एक नई पहल दुष्यंत सिंह

वेब सिरीज

साल टाइटिल रोल प्लेटफार्म नोट
2018–2019 सैक्रेड गेम्स खन्ना गुरूजी नेट्फ्लिक्स
2018–अबतक मिर्जापुर अखंडानंद "कालीन भइया" त्रिपाठी अमेजन प्राइम वीडियो
2019 क्रिमिनल जस्टिस माधव मिश्रा डिज्नी प्लस हॉटस्टार
2020 क्रिमिनल जस्टिस: बिहाइंड क्लोज्ड डोर्स माधव मिश्रा डिज्नी प्लस हॉटस्टार
2022 क्रिमिनल जस्टिस: अधूरा सच माधव मिश्र डिज्नी प्लस हॉटस्टार
2022 गुलकंदा टेल्स TBA अमेजन प्राइम वीडियो

संदर्भ

Tags:

पंकज त्रिपाठी शुरुआती जिनगीपंकज त्रिपाठी कैरियरपंकज त्रिपाठी निजी जिनगीपंकज त्रिपाठी फिल्मोग्राफीपंकज त्रिपाठी संदर्भपंकज त्रिपाठी बाहरी कड़ीपंकज त्रिपाठी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

अवधी भाषाललित होटलभारतीय संस्कृतिमहाराजगंज, बिहारखुशबूहिंदी भाषाविटामिनसियोलसट्टासामूहिक सेक्सदवाईकृषि भूगोलबोधगयाऊटीबंगाली भाषाजमीनहोमरदुपहरियाचंद्रगुप्त मौर्यपवन कल्याणअध्यक्षपर्यावरणशिवाजीआम आदमी पार्टीइंग्लैंडविवेकी रायवेंकैया नायडूचकोरबरसातकावेरी नदीक्लियोपैट्राबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टचइताजे. के. रोलिंगबैजंतीभारत क मुख्य नदी सभपटना प्रमंडलभौतिक भूगोलकोसी नदीस्तनभूटानकाल बैसाखीऑक्सीजनकंप्यूटरहनुमान चालीसाअरुणाचल प्रदेशश्रीदेवीसत्यमेव जयतेहवास्विट्जरलैंडकामदेवसउदी अरबहंपीकैलेंडरकलकत्ताप्राकृतिक संसाधनगौतम बुद्धहरसिंगारमॉब लिंचिंगफिजी हिंदी22 अप्रैलदाऊद इब्राहिमपौधाफेसबुक मैसेंजरयूरेथ्रावर्ग किलोमीटरकाजीरंगा नेशनल पार्कमुट्ठीगंजएम. ए. चिदंबरम स्टेडियमअंकगणित🡆 More