विटामिन

विटामिन (अंग्रेजी: vitamin) अइसन जीवीय तत्व (ऑर्गेनिक मोलिक्यूल चाहे सेट ऑफ मॉलिक्यूल) होलें जे जटिल जीवधारी सभ के सेहत आ बढ़े खातिर कुछ अल्प मात्रा में जरूरी तत्व होखे लें। जानवर आ मनुष्यन के शरीर में मेटाबॉलिज्म खातिर इनहन के होखल आवश्यक होला। ई अउरी ऑर्गेनिक कंपाउंड सभ, जइसे की प्रोटीन, लिपिड, कार्बोहाइड्रेड वगैरह से एह मामिला में अलग होखे लें काहें कि जीवधारी सभ इनहन के सिंथेसिस अपना शरीर में जरूरत भर मात्रा में ना कइ पावे लें जेकरा चलते इनहन के आहार (भोजन) के जरिये हासिल कइल जरूरी हो जाला। जरूरी पोषक तत्व (एसेंशियल न्यूट्रीएंट) सभ में गिनल जाए वाला अउरी तीन किसिम के तत्व सभ - मिनरल्स, जरूरी फैटी एसिड आ जरूरी एमीनो एसिड सभ, के विटामिन में ना गिनल जाला।

विटामिन
Drug class
विटामिन
बी-कॉम्प्लेक्स विटामिन सभ के टेबलेट के डिब्बा
PronunciationUK: /ˈvɪtəmɪn, ˈvt-/ VIT-ə-min, VYTE-,
US: /ˈvtəmɪn/ VY-tə-min
In Wikidata

विटामिन आमतौर पर प्राकृतिक कंपाउंड हवें जे आहार के चीज सभ में अल्प मात्रा में मिले लें; आहार से इनहन के पुरती ना होखे पर अलग-अलग रोग हो सके लें (तकनीकी भाषा में एह रोग सभ के डिफिशिएन्सी सिंड्रोम कहल जाला, मने की कमी के कारण उपजे वाला लच्छन भा रोग)।

विटामिन शब्द के इस्तेमाल वारसा में जनमल बिग्यानी कैसीमीर फंक द्वारा 1911 में कइल गइल आ इनहन के नाँव खोज के क्रम में ए, बी, सी लगा के धराइल; खाली भर विटामिन के (K) के नाँव क्रम के आधार पर ना हवे। मनुष्य के शरीर आ सेहत खाती 13 गो विटामिन सभ के जरूरत परे ला: विटामिन ए, विटामिन बी1, विटामिन बी2, विटामिन बी3, विटामिन बी5, विटामिन बी6, विटामिन बी7, विटामिन बी9, विटामिन बी12, विटामिन सी, विटामिन डी, विटामिन ई आ विटामिन के।

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

रजनीकांतस्लमडॉग मिलियनायरमार्क ज़करबर्गचंपारन सत्याग्रहभारत के भूगोलकृषि भूगोलबुर (बहुअर्थी)किताबअरवल जिलाब्लॉगमांसपेशीनासाचंद्रमाजॉर्डनबुध (ग्रह)रवीन्द्र कुमार 'राजू'नाटो के सदस्य देशरेलगाड़ीसंभोगआदमीडॉगी स्टाइलसंगम कालभोजपुरी साहित्यपृथ्वी नारायण शाहसोनाक्षी सिन्हाहिंदू पतरास्ट्रेटोस्फियरट्रांस हिमालयमायाअमरनाथ गुफा मंदिरस्वच्छ भारत अभियानभारतीय मसाला सभ के लिस्टबरफअंग्रेजीकॉमन सेंस (पम्फलेट)मऊरानीपुरस्तूपपवन सिंहखारा पानीथ्री गॉर्जिज डैमसौर मंडलगुलकंदरासायनिक पदार्थबिंबिसारप्रादेशिक भूगोलसिवान अनुमंडलमाइकल जैक्सनचिनाब नदीहांगकांगकिली पॉलइंस्टाग्रामकैमूर बनजीव अभयारण्यभाबरजञनीनारायणी नदीभारविपर्यावरणवादडीओआईशिवरंजनीलंदनलोटनीकरीना कपूरबसंतपुर ब्लाक, सिवानबिहार के जिला सभ के लिस्टबबीना, उत्तर प्रदेशसंज्ञा (संस्कृत व्याकरण)बगसर जिलाशारदा नदीमगध प्रमंडलमिठाईभौतिक भूगोलतेजस्वी यादवभारत के राष्ट्रपतिआस्ट्रेलिया🡆 More