संस्कृत व्याकरण में संज्ञा व्याकरण में इस्तेमाल होखे वाला कुछ टेक्निकल भा पारिभाषिक चीजन के नाँव ह। लघुसिद्धांतकौमुदी में अइसन एगो पूरा खंड बाटे जेकरा के संज्ञा प्रकरण कहल जाला, ई सभसे शुरुआती खंड हवे जहाँ बिबिध किसिम के व्याकरणिक परिभाषा सभ के बिबरन दिहल गइल बाटे।
संज्ञायतेऽनया इति संज्ञा - के रूप में खुद "संज्ञा" शब्द के नाँवउत्पत्ती बतावल गइल बा - "जेकरा द्वारा संज्ञा (मने की नाँव) के बोध करावल जाय ऊ (शब्द) संज्ञा हा"। पाणिनीय व्याकरण में अइसन सूत्र सभ जे संज्ञा के बिधान करे लें "संज्ञा सूत्र" कहालें। उदाहरन खातिर वृद्धिरादैच् एगो संज्ञा सूत्र ह जे बतावे ला कि 'आत्' आ 'ऐच्' के वृद्धि संज्ञा होला। मतलब कि जब वृद्धि कहल जाय तब एकरा से आशय आ, ऐ अउरी औ बूझल जाए के चाहीं।
एही तरीका से इत् संज्ञा, लोप संज्ञा, प्रत्याहार संज्ञा, ह्रस्व, दीर्घ, प्लुत, उदात्त, अनुदात्त, स्वरित, अनुनासिक, सवर्ण, संहिता, संयोग, आ पद संज्ञा बतावल गइल बाड़ी जे संस्कृत व्याकरण के बेसिक पारिभाषिक शब्दावली हईं स।
ई भाषा बिज्ञान चाहे व्याकरण से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article संज्ञा (संस्कृत व्याकरण), which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.