मिठाई

मिठाई भारत आ आसपास के इलाका में बने वाला कई किसिम के मीठा पकवान हईं जे दूध, फल आ अनाज में से कौनों भी चीज से बनल हो सके लीं आ इनहन के सवाद मीठ होला, बहुत सारी मिठाई सभ में सुगंध आ रंग के भी इस्तेमाल होला। मिठाई घरेलू रूप से भी बनावल जालीं आ बड़ा पैमाना पर कौनों कार-परोज में भा दुकान पर बेचे खाती हलुआई लोग भी बनावे ला। भारत, पाकिस्तान, नेपाल, श्रीलंका, बांग्लादेस नियर देस सभ में हजारन गो दुकान खाली मिठाइए बनावे आ बेचे के बिजनेस करे लीं।

मिठाई
मिठाई
मिठाई
बरफी
मिठाई
मिठाई
मिठाई
बिबिध किसिम के मिठाई सभ के नमूना

आमतौर पर मिठाई बनावे में इस्तेमाल सामान के आधार पर इनहन के बर्गीकरण कइल जा सके ला। दूध से बनल मिठाई, फल से बनल मिठाई भा अनाज से या फिर इनहन के मिलजुल रूप से बनल मिठाई हो सके लीं। मिठाई बनावे के तरीका के आधार पर भी ई कई किसिम के होखे लीं। कुछ के पकावल जाला (पानी में, चाहे बाहिरी भा खुदे सामग्री के आपन पानी में), कुछ के सेंक के पकावल जाला, कुछ के तेल-घीव में छानल (फ्राई कइल) जाला, कुछ भूज के बनावल जालीं आ कुल्फी नियर कुछ मिठाई जमा के भी बनावल जालीं।

मिठाई सभ के रूप-रंग आ सवाद में क्षेत्रीय बिबिधता आ हर इलाका के अलग-अलग खासियत भी देखल जाला। कौनों क्षेत्र बिसेस कौनों खास मिठाई खातिर परसिद्ध हो सके ला भा एकही मिठाई अलग-अलग क्षेत्र के हिसाब से अलग सवाद-सुगंध लिहले हो सके ले। भारतीय इलाका के बारे में एगो लेखक के कहनाम बा कि "साइदे दुनिया के कौनों अइसन हिस्सा होखी जहाँ अतना बिबिधता वाली आ अतना किसिम के मिठाई मिलें"।

कुछ मिठाई बिसेस परब-तिहुआर से जुड़ल होलीं, जइसे कि गोझिया होली पर बनावल जाले या माँठ (ठेकुआ) भा पिठिया छठ पूजा खातिर बनावल जाला। बहुधा, मिठाई पहिले देवता लोग के परसाद के रूप में भी चढ़ावल जालीं। अलग-अलग मिठाई सभ के खाए के समय भी अलग हो सके ला, जइसे कि जिलेबी आमतौर पर सबेरे खाइल जाले।

भोजपुरी आ अउरी उत्तर भारतीय भाषा सभ में इनहन के मिठाई, मीठा, भा मिट्ठा कहल जाला जबकि भारतीय उपमहादीप के अलग-अलग हिस्सा में इनहन के (सामूहिक) नाँव अलग-अलग भी होला।

उत्तर भारतीय मिठाई सभ

नाम चित्र मुख्य सामग्री श्रेणी
पेठा मिठाई  कठोर उज्जर कद्दू, चीनी, निम्बू, फिटकिरी पाउडर वगैरह चीनी के घोल पर आधारित
बादाम हलवा मिठाई  Almonds, ghee Halva
बालूशाही मिठाई  Maida flour, yogurt, oil, sugar Sugar syrup based
बेसन के लड्डू मिठाई  Gram flour (besan), ghee, sugar Laddu
बूंदी मिठाई  Sugar syrup based
गाजर के हलुआ मिठाई  Carrots, milk, sugar, ghee, cashews and raisins Halva
गाजर के बरफी Dried milk with ground cashews, pistachios or peanuts, often with edible silver foil as decoration बरफी
Ghevar मिठाई  Flour, ghee, kewra, milk, clarified butter, sugar, almonds, pistachio, saffron, green cardamom Fried, sugar syrup based
गुलाब जामुन मिठाई  Fried milk balls soaked in sweet syrup, such as rose syrup or honey. Fried, sugar syrup based
अमिरती मिठाई  Sugar syrup, lentil flour Fried, sugar syrup based
जिलेबी मिठाई  Dough fried in a coil shape dipped in sugar syrup, often taken with milk, tea, yogurt, or lassi. Fried, sugar syrup based
कड़ा प्रसाद Wheat flour, sugar, nuts, ghee Halva
काजू कतली मिठाई  Cashews, ghee with cardamom and sugar. Barfi
काला जामुन
कलाकंद मिठाई  Milk, cottage cheese Burfi
खीर मिठाई  A rice pudding made with milk, rice, sugar and dried fruits Dessert
Khopra pak Milk, coconut, sugar Burfi
Kulfi मिठाई  An ice cream made with milk and sugar, with a variety of flavours such as mango, saffron, or cardamom. Ice cream
मोतीचूर लड्डू मिठाई  Besan flour, sugar लड्डू
लस्सी मिठाई  Yogurt, milk, nuts, can be made with mango (mango lassi) Yogurt drink
Malai ki gilauri Milk cream, chhena, khoya
Malai laddu Milk cream Laddu
Malai pan Milk cream
मालपुआ मिठाई  A type of pancake, made of wheat or rice flour, deep fried and dipped in sugar syrup.
Meetha lola Wheat flour, Sugar, ghee Sweet roti
मूंग के हलुआ मिठाई  Milk, mung bean, dal (lentil), dry fruits Halva
Nankhatai मिठाई  Refined flour (maida), gram flour (besan), ghee, powdered sugar, yogurt, green cardamom seeds Flour based sweet
पेड़ा मिठाई  Milk
फिरनी मिठाई  Rice, sugar, nuts pudding
राबड़ी मिठाई  A sweet, condensed milk-based dish made by boiling the milk on low heat for a long time until it becomes dense and changes its color to pinkish. Sugar, spices and nuts are added for flavour. It is chilled and served as a dessert. pudding
रसमलाई मिठाई  Chhena, reduced milk, pistachio Dessert
Rava laddu मिठाई  Semolina, coconut, sugar, ghee Laddu
सेवई के खीर Vermicelli, sugar, nuts pudding
Sheera मिठाई  Semolina, ghee, nuts, milk Pudding
Singori Milk, coconut, molu leaf
सोहन हलुआ मिठाई  Corn flour, ghee, dry fruits Halva
सोन पापड़ी मिठाई  Besan flour Barfi
Teerangi barfi

संदर्भ

Tags:

दूधनेपालपाकिस्तानफलबांग्लादेसभारतभारतीय उपमहादीपश्रीलंका

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

एंजाइमग्रेट प्लेन्सनेपाल के जिला सब के लिस्टतुर्कीभारतीय संविधानजनवरी 12कमलट्रिपल एक्स (फिलिम सिरीज)भारत छोड़ो आंदोलनजानवरसीजनसैम मानेकशॉबनारस कैंट रेलवे स्टेशननेपालसरसोबस्ती मंडलवल्लभभाई पटेलतेजस्वी यादवतेलंगानामकर संक्रांतिऋषिकेशट्रिपल एक्स (2002 फिलिम)ताराधानभारविस्पून्स सेक्स पोजीशनमार्चमैंगनीजमाधुरी दीक्षितब्रुनेईइटलीमादा जननांगपटना विश्वविद्यालययोसेमिटी नेशनल पार्कताजिकिस्तानरवांडाब्रह्मपुत्र नदीनेहा सिंह राठौरआसामअज़रबैजानह्वांग होगायकीरजनीकांतफोटोग्राफीहुगली नदीमहात्मा गाँधीइंडोनेशियागुलाबी सदाबहारतुगलकाबाद किलाभागलपुर प्रमंडलअमर्त्य सेनद्वारिकाधीश मंदिरसिद्धार्थ विश्वविद्यालयपेरियारनाटो के सदस्य देशयूनेस्कोजननी जन्मभूमिश्च स्वर्गादपि गरीयसीहरसिंगारदेवरिया सदर रेलवे इस्टेशनभोजपुरी लोकगीतन्यूजीलैंडक्यूबावेबैक मशीनमॉब लिंचिंगबिपाशा बसुकलकत्तामीटरजनवरी 1जाह्नवी कपूरभारतीय मानक समयचइतामिथिलाबाबा राघवदास मेडिकल कालेज, गोरखपुरलक्समबर्गबाबा धामगिनीपार्थेनन🡆 More