ब्रह्मपुत्र नदी

ब्रह्मपुत्र नदी तिब्बत, भारत आ बांग्लादेश में बहे वाली एगो महत्वपूर्ण नदी हऽ। ई तिब्बत में, राकस ताल आ मानसरोवर झील से नगीचे वाला इलाका में आंग्सी ग्लेशियर से निकल के हिमालय के उत्तरे-उत्तर पच्छिम से पुरुब ओर बहे ले आ फिर अरुणाचल प्रदेश में दिहांग के नाँव से भारत में प्रवेश करे ले; आसाम में ए के ब्रह्मपुत्र कहल जाला आ फिर बांग्लादेश में गंगा की संघे मिल के बंगाल की खाड़ी में गिरेले।

ब्रह्मपुत्र
ব্ৰহ্মপুত্ৰ
River
गौहाटी में पुल के लगे से नदी के फोटो
गौहाटी, आसाम में
नाँवउत्पत्ती: ब्रह्मा के पुत्र (संस्कृत)
देस ब्रह्मपुत्र नदी चीन, ब्रह्मपुत्र नदी भारत, ब्रह्मपुत्र नदी बांग्लादेस
राज्य आसाम, अरुणाचल प्रदेश
खुदशासित इलाका तिब्बत
सहायिका
 - बायें से दिबांग नदी, लोहित नदी, धनश्री नदी, कोलोंग नदी
 - दहिने से जिया भराली, मनास नदी, रैडक नदी, जालढका नदी, तीस्ता नदी, सुबनसरी नदी
शहर गुवाहाटी, डिब्रूगढ़, तेजपुर
उदगम आंग्सी ग्लेशियर
 - लोकेशन हिमालय, तिब्बत
 - ऊँचाई 5,210 मी (17,093 फीट)
 - निर्देशांक 30°23′N 82°0′E / 30.383°N 82.000°E / 30.383; 82.000
मुहाना बंगाल के खाड़ी
 - लोकेशन गंगा डेल्टा, बांग्लादेश
 - ऊँचाई 0 फीट (0 मी)
 - निर्देशांक 25°13′24″N 89°41′41″E / 25.22333°N 89.69472°E / 25.22333; 89.69472 89°41′41″E / 25.22333°N 89.69472°E / 25.22333; 89.69472
लंबाई 3,848 किमी (2,390 मील)
थाला 712,035 किमी2 (274,900 वर्ग मील)
जलनिकास
 - औसत 19,800 m3/s (699,200 cu ft/s)
 - अधिकतम 100,000 m3/s (3,531,500 cu ft/s)
ब्रह्मपुत्र नदी
गंगा, ब्रह्मपुत्र आ मेघना के थाला

मानसरोवर के लग्गे से निकले के बाद से ले के हिमालय के पार कइ के अरुणाचल में प्रवेश करे तक ले एकरा धारा पच्छिम से पूरुब ओर के बहे ले। पूर रास्ता दक्खिनी तिब्बत में पड़े ला जहाँ एकरा के यारलुंग-सांग-पो भा खाली त्सां पो के नाँव से बोलावल जाला। एकरे बाद एह नदी के धारा अचानक अपने दाहिने ओर मुड़े ले आ हिमालय के परबत श्रेणी सभ के एगो बड़हन गॉर्ज (गहिरी घाटी) से हो के पार करे ले जेकरा के यारलुंग त्सां पो गॉर्ज कहल जाला। एह गार्ज के एक ओर नामचा बरवा आ दुसरे ओर ग्याल पेरी चोटी पड़े लीं आ एही के हिमालय के पूरबी सीमा मानल जाला। एकरा आगे बढ़े पर ई भारत के अरुणाचल प्रदेश में घुसे ले आ आगे बढ़ के आसाम घाटी में। आसाम घाटी एगो चाकर आ लमछार मैदान हवे जहाँ ई नदी दक्खिन-पच्छिम मुँह हो के बहे ले आ एकर पानी भरपूर चाकर पाट में बहे ला, कतो-कतो त एकर पाट पचास किलोमीटर ले हो जाला। हेइजा आसाम में एकरा के ब्रह्मपुत्र कहल जाला। आसाम से निकल के ई दक्खिन मुँह के बहे ले आ बांग्लादेस में परवेश करे ले जेकरे कुछे आगे जाए पर एकर सभसे बड़ सहायिका सभ में से एक तीस्ता नदी आ के एह में मिल जाला। औरो आगे बढ़े पर ई नदी दू गो धारा में बँट जाले आ पच्छिमी धारा, जेह में आज्काल्ह ढेर पानी बहे ला आ जेकरा के उहाँ जमुना कहल जाला, गंगा के ओह धारा से मिले ले जेकरा के बांग्लादेस में पद्मा कहल जाला। सझिया धारा के नाँव पद्मा कहाला। पूरबी धारा, जे पहिले ढेर पानी वाली रहल, ब्रह्मपुत्रो के नाँव से आगे बढ़े ले आ मेघना नदी में मिले ले, दुनों के सझिया नाँव मेघना कहाला आ अंत में ई आ पच्छिम वाली पद्मा आ के एक्के में मिल जालीं; अंत में एह सभ के नाँव मेघना कहाला आ एही नाँव से ई बंगाल के खाड़ी में मिले ले।


लगभग 3,848 किमी (2,391 मील) लमहर, ब्रहमपुत्र नदी सिंचनी आ ट्रांसपोर्ट खाती बहुत महत्व के नदी हवे। नदी के औसत गहिराई 38 मी (124 फीट) आ अधिकतम गहिराई 120 मी (380 फीट) बा। नदी में बिनासकारी बाढ़ आवे के संभावना रहे ला जब बसंत ऋतू में हिमालय के बरफ पघिले ले। नदी के जलबहाव (डिस्चार्ज) औसतन 19,800 m3/s (700,000 cu ft/s), होला आ बाढ़ में ई 100,000 m3/s (3,500,000 cu ft/s) ले चहुँप सके ला। ई बहुधारा नदी (braided river) के एकदम क्लासिक उदाहरण हवे आ चैनल घसकाव आ अव्ल्शन के खतरा हमेशा रहे ला। ई अपना लगभग सगरी लंबाई में नाव चलावे लायक बा। ई दुनियाँ के कुछ अइसन नदी सभ में से हवे जेह में ज्वार-भाटा के परभाव भी परिलक्षित होखे ला।

बिकास

पुल

  • वर्तमान
    • बोगीबील पुल
    • सदिया धुबरी पुल
    • कोलिया भोमोरा पुल
    • नारायण सेतु
    • सरायघाट
  • प्लानिंग बा (under-construction, approved, proposed, etc.): नितिन गडकरी दिसंबर 2017 में कुल पाँच गो ब्रिज सभ के घोषणा कइलेन।
    • जोरहट-नेमातीघाट
    • दिसांगमुख-तेकेलीफुटा
    • लोउइत-खाब्लु
    • नुमालीगढ़-गोहपुर
    • उत्तर गौहाटी-गौहाटी

राष्ट्रिय जलमार्ग 2

राष्ट्रिय जलमार्ग 2 (NW2) एह नदी के एगो 891 किमी लमहर हिस्सा हवे। ई रास्ता सादिया से धुबरी नाँव के जगह के बीचा में आसाम राज्य में बा।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

ब्रह्मपुत्र नदी बिकासब्रह्मपुत्र नदी इहो देखल जायब्रह्मपुत्र नदी संदर्भब्रह्मपुत्र नदीअरुणाचल प्रदेशतिब्बतबंगाल क खाड़ीबांग्लादेशमानसरोवरराकस तालहिमालय

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

झेलम नदीवेंकैया नायडूगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनजकार्तासंसाधन भूगोलभारतीय लोक संगीतमुंबईस्वतंत्रता दिवस (भारत)इलाहाबाद के संधिअबू धाबीफ्रांसीसी क्रांतिनीतीश कुमारकोलोसियमभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टह्वांग होविकिपीडियाताजमहलरसगुल्लामकर संक्रांतिनाटो के सदस्य देशराहुल गांधीबिहारी भाषाफलित ज्योतिषयूरेथ्राकुचिपुड़ीस्तनपुच्छल ताराप्रकृतिआसारामढोला-सदिया पुलयलोस्टोन नेशनल पार्कसोनिया गांधीहरसिंगारजवाहरलाल नेहरूएचटीटीपी कुकीनारियलपाणिनिबेरोजगारीवल्ड वाइड वेबभोजपुरीसंत रविदास नगर जिलाबर्लिनअंग्रेजीबिस्मिल्ला ख़ाँएड्रेनेलिनवशिष्ठ नारायण सिंहनील नदीमानव यौन गतिविधियूरी गगारिन1986चइताचिया सीड्सपाकिस्ताननेशनल हाइवे 27दुपहरियाराहुल सांकृत्यायनसर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनजर्मनीक्लोरीनभारत के सीमादवाईकुंचिकल झरनासचिन तेंदुलकरजीवनीदिपावलीहोलीपर्यावरणघुमंतू लोग🡆 More