हंपी: इतिहासी धरोहर स्थल

हंपी चाहे हम्पी भारतीय राज्य कर्नाटक के पुरबी हिस्सा में बेलारी जिला, अब विजयनगर जिला, के हंपी (शहर) के लगे एगो इतिहासी विरासत के साइट बाटे। ई यूनेस्को द्वारा बिस्व धरोहर के लिस्ट में शामिल बा। एकर इतिहास विजयनगर साम्राज्यो ले पुरान ह आ एकर जिकिर रामायण आ पुराणन में पंपा देवी (पार्वती के नाँव) तीर्थ क्षेत्र के रूप में आइल बाटे। आजो ई एगो तीरथ के रूप में मौजूद बा जहाँ विरूपाक्ष मंदिर, आदि शंकर से जुड़ल एगो चालू मठ आ अउरी हिंदू मंदिर बाड़ें जहाँ पूजा-अर्चना होखे ला। इनहन के अलावा एहिजे कई सारा पुरान धरोहर वाला ढाँचा बाड़ें।

हंपी: इतिहासी धरोहर स्थल
हंपी में विरूपाक्ष मंदिर'

ई इतिहासी शहर विजयनगर साम्राज्य के लमहर समय ले राजधानी रहल, 1336 1565 ले जबले एकरा के छोड़ ना दिहल गइल। ई किलेबंदी वाला शहर रहल। ईरानी आ यूरोपीय यात्री लोगन के बिबरन, खास क के पुर्तगाली लोगन के बिबरन, ई गवाही देलें कि तुंगभद्रा नदी के तीरे ई शहर धन-संपदा से भरपूर आ शानदार शहर रहल जहाँ कई ठे मंदिर, खेती के जमीन आ बजार रहलें। 1500 ईस्वी के आसपास के जमाना में, हंपी चीन के शहर बीजिंग के बाद पुरा दुनियाँ में दुसरा सभसे बड़हन शहर रहल आ भारत के सबसे धनी-मनी शहर रहल, जइसन कि मुस्लिम आ पुर्तगाली यात्री लोगन के कहनाम बा। विजयनगर राज के मुस्लिम सल्तनत सभ के सझिया कोसिस आ सेना द्वारा 1565 में जीतल आ तहस-नहस क दिहल गइल, जेकरा बाद ई खंडहर के रूप में बचल।

आज्काल्ह ई एगो छोट कस्बा हंपी (शहर) के लगे बाटे, होस्पेट शहर एहिजे से करीबन 13 किमी दूरी प बाटे। हंपी के इतिहासी बचल-खुचल अवशेष सब करीबन 16 वर्गमील में फइलल बाड़ें जिनहन में 1600 से बेसी खंडहर बाड़ें जिनहन में मंदिर, गढ़, मठ, खम्हा वाला हाल, मंडप, यादगार ढाँचा आ पानी के एकट्ठा करे वाला ढाँचा सामिल बाड़ें।

Tags:

कर्नाटकपार्वतीपुराणबिस्व धरोहर स्थलयूनेस्कोरामायण

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

चट्टानबनारस हिंदू विश्वविद्यालयजो बाइडनआर्मीनियाकार्ल मार्क्सजीआई टैगझरनाकोसलकाला सागरधानविद्या बालनकजरीहवाएशियालैब्राडोर धारानवका यमुना पुलकैमूर बनजीव अभयारण्यभारतीय संविधान के आमुखधरती दिवसरामनाथ कोविंदकालिदास26 अप्रैलदुर्गा सप्तशती2020क्वार्ट्जबिहारसर्वेनरेंद्र मोदीहैतीगुड़मारकल्पना पटवारीमहतारीभारत रत्नभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टमेगस्थनीजकेसर के पौधाएचटीटीपी कुकीताना भगत आंदोलनकमलजार्ज ग्रियर्सनसंघ लोक सेवा आयोगगौतम बुद्धपवन कल्याणउर्दूछोटा भीमनमामि गंगेअखिलेश यादवझारखंडकनाडासेंट पीटर्सबर्गगुलाबविद्यापतिचीनी भाषारवि किशनअरावलीरोमानियाबियफेब्राज़ीलविष्णुहवा प्रदूषणक्लाइटोरिसयूरोपअंबरलखनऊ मेट्रोमहावीर जयंतीजमीनरैडिसन ब्लूक्रिस्टियानो रोनाल्डोपुराना नैनी पुलमधुबनी जिलासारिकाराहुल सांकृत्यायन🡆 More