हवा

हवा (अंग्रेजी:Air, एयर; Wind, विंड ) पहिला अरथ में हमनी की पृथ्वी के चारो ओर लपटाइल गैसन क मिक्सचर हवे जेवना से पृथ्वी क वायुमंडल बनल बाटे; दूसरा अरथ में ई धरातल के ऊपर बहे वाली हवा, जेवना के हिंदी में पवन आ अंग्रेजी में विंड कहल जाला, ओहू के भी भोजपुरी में हवा की नाँव से जानल जाला। ई लेख हवा के बहे वाला रूप के बारे में बाटे।

हवा के दिसा नापे वाला यंत्र
दिशामापी, जे हवा के दिसा बतावे ला
हवा के चाल नापे वाला यंत्र
एनीमोमीटर, जे हवा के चाल नापे ला

पृथिवी भा कौनों अउरी ग्रह के वायुमंडल में हवा (एयर) के प्राकृतिक बहाव भा गति, हवा (विंड) चाहे पवन हवे। एह गति भा बहाव के मुख्य कारन अलग-अलग जगह पर सुरुज द्वारा मिले वाला गर्मी के अलग-अलग मात्रा के चलते अलग-अलग वायुदाब आ पृथिवी के घूर्णन हवे।

पृथ्वी पर बहे वाली हवा के तीन प्रकार में बाँटल जाला - 1. वैश्विक हवा, 2. लोकल हवा, आ 3. ऊपरी वायुमंडल क हवा।

लोकल हवा

लोकल हवा (अंग्रेजी: local winds) सभ अइसन हवा होखे लीं जे पृथिवी के कौनों खास छोटहन हिस्सा भर में बहे लीं आ ओह जगह के लोकल भूगोल, मने की लोकल जमीनी ऊँचाई निचाई भा लोकल मौसमी घटना नियर चीज, इनहन के बहे के कारन होखे ला। इनहन के बहे के समयवो कम आ सीमित होखे ला। लोकल भूगोल से परभावित हो के बहे वाली एह हवा सभ के लोकल हवा भा हिंदी में स्थानीय पवन कहल जाला।

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजीगैसपृथ्वीवायुमंडल

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

धर्मो रक्षति रक्षितःविद्या बालनछपरानाटो के सदस्य देशअस्पतालकुतुब मीनारमॉब लिंचिंगकृष्णा नदीग्रेट लेक्सअवधदिल्ली चिड़ियाघरवायुमंडलभीमराव अंबेडकरस्तनहुगली नदीधर्मशाला, हिमाचल प्रदेश1987महेश बाबूचौसा आमढोढ़ीलक्समबर्गयातायातमाहेश्वर सूत्रमानव यौन गतिविधिछोटानागपुर पठारगुरुद्वारा शीशगंज साहिबनवका यमुना पुलपंकज त्रिपाठीविष्णुपद मंदिरचंद्रशेखर आज़ाद रावणफ्रांसीसी क्रांतिअंग्रेजीमोहनजोदड़ोमंगल ग्रहकामदेवबेरोजगारी1901ग्लोबढोला-सदिया पुलस्विट्जरलैंडभारतीय मसाला सभ के लिस्टयांदेक्स1989कोसी नदीभूगोलक्लाइटोरिसराम मंदिर, अयोध्याबाघइंडियन नेशनल डेवलपमेंटल इंक्लूसिव अलायंसलालू प्रसाद यादवव्लादिमीर पुतिनहावड़ा ब्रिजझेलम नदीकरीना कपूरफुटबालगणेशमालाबार तटजापानी भाषाभारत के प्रशासनिक खंड1947गरमी (सीजन)मेहराबकुँवर सिंहबनारस कैंट रेलवे स्टेशननिर्मलीगया जिलाइंफ्रास्ट्रक्चरजार्ज ग्रियर्सनमुंबईमौर्य साम्राज्यसोनिया गांधी🡆 More