रैडिसन ब्लू

रैडिसन ब्लू (रैडिसन SAS) एगो सम्पन्न और पूर्ण सेवा वाला अंतर्राष्ट्रीय होटल चैन ह और इ रैडिसन होटल ब्रांड क अमेरिका के बाहर प्रतिनिधित्व करेला खासकर के यूरोप, अफ्रीका, और एशिया में। एके कार्लसन रेजिडोर होटल ग्रुप संचालित करेला। दिसंबर 2014 की स्थिति की अनुसार, रैडिसन ब्लू दुनिया भर में 287 होटल क 68,270 कमरा की साथ परिचालन करेला और 102 होटल 23,489 कमरा की साथ बनके तैयार होखे वाला बा।

Radisson Blu
इंडस्ट्रीHospitality, Hotels, Tourism
स्थापित1960
मुख्यालयMinneapolis, United States and Brussels, Belgium
सेवा के एरिया
Worldwide
प्रमुख लोग
Wolfgang M. Neumann (President & CEO), Knut Kleiven (Deputy President & Chief Financial Officer), Olivier Harnisch (Executive Vice President & Chief Operating Officer), Eric De Neef (Executive Vice President & Chief Commercial Officer)
वेबसाइटradissonblu.com

इतिहास

1960 में रॉयल कोपेनहेगन होटल डेनमार्क में खुलल। जवन की अर्ने जेकब्सन द्वारा SAS अन्तर्राष्ट्रीय होटल खातिर डिजाईन कइल गइल रहे।

रैडिसन SAS 1994 में तब बनल जब SAS इंटरनेशनल होटल्स (SIH) रैडिसन ब्रांड के साथ यूरोप, मध्य पूर्व और अफ्रीका खातिर एगो एकरी संयुक्त ब्रांडिंग पहल में शामिल भइल।

रैडिसन ब्लू 
Designer lobby in the Radisson Blu Belgrade Hotel in Serbia

सन 2000 में, रेडिसन SAS आपन सौवां होटल खोललस। 2002 में, रेजिडोर SAS होस्पिटलिटी ब्रांड क शुरुआत कइलस। रैडिसन SAS दुनिया भर में 40 से अधिक देश में आपन 150 से अधिक संपत्ति क संचालन करेला। 2006 की आखिर में, रेजिडोर SAS क नांव रेजिडोर होटल ग्रुप भइल, और इ स्टॉकहोल्म स्टॉक एक्सचेंज की जरिए पूंजी जुटावे खातिर सार्वजनिक प्रस्ताव (Intial Public Offering) पेश कइलस।

2008 में, रेजिडोर होटल ग्रुप की पोर्टफोलियो में कुल 55 देश में 360 से अधिक होटल रहे। जब एकर नांव 2009 में बदलाईल, गॉर्डन मक्कीनन, जवन की रेजिडोर ब्रांड क कार्यकारी उपाध्यक्ष रह न, समझव न की, नांव ब्लू, रेजिडोर क नया नांव ढूंढे खातिर कइल गइल अनुसंधान से पसंद भइल बा जवन की परिचित SAS 'ब्लू बॉक्स’ के बदल दिहले की साथ देखले में एगो अंतरो पैदा करे। नाम ब्लू क जनम परियोजना की शीर्षक के रूप में भइल रहे। लेकिन इ जल्दीए स्पष्ट हो गइल की उपलब्ध विकल्प में से इ चुनाव पूरी तरह से प्राकृतिक रहे। इ छोट बा, आसान बा, इ प्रासंगिक बा और हमनी क एके ए तरह से लागू कइले बानी जा की हमनी की पहचान की साथ इ बिना बहुत ज्यादा ताम झाम कइले बगैर एगो आधुनिकता क एहसास जोड़ ता। 20 नवंबर 2015 के, बामाको, माली में रैडिसन होटल में दुगो इस्लामी बंदूकधारी होटल की 170 मेहमानन के बंधक बना लिहन स और ओमें से 20 गो के मार दिहन स। इ आतंकी हमला अल कायदा की सहयोग से अल मोराबिटन नाम क आतंकी समूह कइले रहे।

अप्रैल 2016 में, पहिला रैडिसन ब्लू रिसोर्ट क्रेट, ग्रीस में संचालित भइल।

रैडिसन ब्लू बीच रिसोर्ट, क्रेट मिलाटोस एगो मौजूदा संपत्ति ह, जवन कि 2016 में नवीनीकरण की बाद रैडिसन ब्लू के तहत फेर से खोलाइल। रिसोर्ट द्वीप के पूर्व में स्थित बा, जवन की मछली पकड़े वाला गाँव मिलाटोस और सीसी से घिरल बा।

संयुक्त राज्य अमेरिका में विस्तार

SAS क संयुक्त राज्य अमेरिका में होटल नाहीं रहे। पहिला रैडिसन ब्लू अमेरिका में, रैडिसन ब्लू एक्वा होटल शिकागो शहर की मध्य में एगो गगनचुंबी इमारत में नवम्बर 2011 में खुलल। दूसरा रैडिसन ब्लू, अमेरिका क रैडिसन ब्लू मॉल, उ 15 मार्च, 2013 के खुलल, ब्लूमिंगटन, मिनेसोटा में, और अमेरिका की मॉल से जुड़ल बा। $ 17 मिलियन की खर्च से नवीनीकरण पूरा होखले की बाद, रेडिसन प्लाजा-वारविक होटल न्यू यॉर्क में 2013 में तीसरा रैडिसन ब्लू बन गइल, और रैडिसन ब्लू वारविक होटल फिलाडेल्फिया की तौर पर ओकर पुनः नामकरण भइल।

मिनियापोलिस क पूर्व रैडिसन प्लाजा होटल क नवीनीकरण क के ओके 2014 में चौथा रैडिसन ब्लू में परिवर्तित क दिहल गइल।

संदर्भ

Tags:

एशिया

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

क्वार्ट्जईलॉन मस्कविवेकानंदआइजोलरैडिसन ब्लूबद्रीनाथ मंदिरआदमीसेशेल्सअक्षय कुमारकंगना राणावतभोजपुरी साहित्यसतुआनरामसर कन्वेंशनअस्तेयघुमंतू लोगपरिणीति चोपड़ावेबसाइटशिवाजीपृथिवी सूक्तदुबईपटना जंक्शनमनी हाइस्टशारदा नदीफ्रांसीसी भाषाभारतीय नेवीलाइब्रेरीलोकसभाबाबा नागार्जुनअरविंद केजरीवालपठारचौसा आमउत्तर प्रदेशगुलकंदलार्ड कार्नवालिसवर्चुअल प्राइवेट नेटवर्ककुंचिकल झरनातेजस्वी यादवकाराकोरम दर्रातुंगभद्रा नदीयूरेशियाअलफांसो (आम)पुर्तगालगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनऋषिकेशकर्जन ब्रिजभारतीय राज्यन के वर्तमान गवर्नर लोगन के लिस्टमैरवारोमानियाइकोलॉजीगाँवउत्तर प्रदेश के नाचफ्लोरिडाकोल्ड ड्रिंकमोहनजोदड़ोसती (प्रथा)चंद्रशेखर आज़ाद रावण2015 क्रिकेट विश्व कपबाघक्रोएशियाममता बनर्जीयशवंत सिन्हाहिंदू पतराजमैकावेबैक मशीनपहाड़वर्ग किलोमीटरचिरईगुरु तेग बहादुरद्वारिकाधीश मंदिरसिंधु नदीबुल्गारियायांदेक्स🡆 More