गुलाब

गुलाब एगो काँटेदार झांगी वाला पौधा हऽ जेमे खुब सुंदर खुश्बुदार फुल फुलाला आ ई फूलवो गुलाब कहाला। बैज्ञानिक हिसाब से ई रोज़ा (Rosa) जाति के सगरी पौधा आ फूल सभ हवें जे रोज़ेसी परिवार में आवे लें। गुलाब के सुंदरता आ सुगंध दुनों खातिर खास महत्व हवे आ एही से ई सजावटी पौधा, गुलदस्ता बनावे, इतर बनावे वगैरह में इस्तेमाल होला।

Rose
गुलाब
रोज़ा रुबिजिनोसा (Rosa rubiginosa)
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: प्लेंटाई
(Plantae)
क्लैड (Clade): एंजियोस्पर्म
(Angiosperms)
क्लैड (Clade): यूडिकॉट्स
(Eudicots)
क्लैड (Clade): रोसाइड
(Rosids)
ऑर्डर (Order): Rosales
परिवार: Rosaceae
उपपरिवार: Rosoideae
जाति (Genus): Rosa
लि.
अउरी दूसर नाँव
  • Hulthemia Dumort.
  • ×Hulthemosa Juz. (Hulthemia × Rosa)

गुलाब के लगभग तीन सौ से बेसी प्रजाति बाड़ी सऽ आ हजारन गो ले किसिम सभ बाड़ी सऽ। एकर पौधा झांग नियर हो सके ला, लता नियर हो सके ला आ झाड़ी नियर हो सके ला। एकरे डांठ के बनावट लकड़ी नियर होला आ एह पर काँटा होखे लें। हालाँकि ई काँटा सभ असल में एकरे ऊपरी छाल के बिस्तार होखे लें असल काँटा ना होखे लें। फूल सभ के बनावट आ साइज में बिबिधता देखे के मिले ला। रंग में ई सफ़ेद, गुलाबी, पीयर आ लाल रंग के बिबिध प्रकार के होखे लें। गुलाब के जादेतर प्रजाति सभ एशिया महादीप के मूल पौधा हईं जबकि कुछ प्रजाति यूरोप, उत्तर अमेरिका का उत्तर-पच्छिमी अफिरका के मूल पौधा हईं। एकर बिबिध प्रजाति आ किसिम सभ के आपस में मेल आसानी से हो जाला जेवना कारन एकर बहुत सारा किसिम सजावटी पौधा, इतर वगैरह खाती बिकसित कइल गइल बाटे। पौधा के ऊँचाई गमला में लागल कुछ इंच के पौधा से ले के लता वाला किसिम सभ में पाँच-सात मीटर के ऊँचाई तक ले हो सके ला।

बाहरी कड़ी

  • World Federation of Rose Societies
  • Chisholm, Hugh, ed. (1911). "Rose" . एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में) (11वाँ ed.). कैंब्रिज युनिवर्सिटी प्रेस.

Tags:

जाति (जीव बिज्ञान)परिवार (जीव बिज्ञान)

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

कालिदासभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टरसड़ाबैकाल झीलकल्पना पटवारीबेरोजगारीअटल बिहारी वाजपेयीहीलियमगिरिडीह जिलारबींद्रनाथ टैगोरभौतिक भूगोलवियतनाममेहराबओमानपनामा नहरपिनटेरेस्टदेहातपोर्नोग्राफीकैमरूनएशियाराजघाट पुलसैम मानेकशॉकुँवर सिंहगौतम अडानीमहाराणा प्रतापमोहनजोदड़ोरामचरितमानसबिहार बोर्डभूलेखहाजीपुरकनाडादुर्गा सप्तशतीविवेकी रायदैनिक भास्करबबीना, उत्तर प्रदेशसंघ लोक सेवा आयोगबसंतपुर ब्लाक, सिवानकैरीबा झीलयमननई दिल्ली रेलवे स्टेशनमुगलसराय जंक्शन रेलवे स्टेशनदवाईसिंधु नदीलोकसभापुच्छल ताराछेनारामायण के पात्र सभ के लिस्टहुमा कुरैशी (एक्ट्रेस)मानव यौन गतिविधिजानकारीययातिआदमीजीएसएलवीआमिर खानभारत के भूगोलमहाभियोगमिसीसिपी नदीमहुआ टीवीजमीनयूनाइटेड किंगडमलोहासैफ अली खानदिपावलीगजपुरनागोदावरी नदीएरोसोलयलोस्टोन नेशनल पार्करेलगाड़ीआलिया भट्टमोजाम्बिकबौद्ध मंदिरआसामवेंकैया नायडू🡆 More