कालिदास: संस्कृत के कवी आ नाटककार

कालीदास (संस्कृत: कालिदास) प्राचीन भारतीय कवी रहलें, इनके संस्कृत भाषा के एगो महान कवि आ नाटककार मानल जाला। कालीदास कई गो नाटक आ काव्यरचना सभ के संस्कृत साहित्य में सभसे ऊँच जगह दिहल जाला, इनहन में से कुछ यूरोपीय भाषा सभ में अनुबाद होखे वाली संस्कृत के सभसे पहिला रचना हईं।

कालिदास
कालिदास: जिनगी, कथा-किंबदंती, रचना
पेशाकवी, नाटककार
राष्ट्रियताभारतीय
समयc. 5वीं सदी ईसवी
बिधासंस्कृत नाटक, क्लासिकल साहित्य
बिसयमहाकाव्य, पुराण
प्रमुख रचनाअभिज्ञानशाकुन्तलम्, रघुवंशम्, मेघदूतम्, विक्रमोर्वशीयम्, कुमारसंभवम्

कालिदास के जनम स्थान आ समय के बारे में कई मत चलन में बा, हालाँकि ज्यादातर लोग उनके चउथी-पांचवी सदी ईसवी में भइल माने ला।

जिनगी

समय

कालिदास इतिहास के कवना काल में रहलें एह बारे में बिद्वान लोग आपस में एकमत नइखे। सभसे पहिले अगर ई देखल जाय कि सभसे पुरान समय आ सभसे नया समय, मने कि समय के अवधि के सीमा का बा। इनके लिखल नाटक मालविकाग्निमित्रम् से सभसे पुराना सीमा तय होखे में मदद मिले ला। एह नाटक में मुख्य किरदार शुंग बंस के राजा अग्निमित्र बाड़ें, बतावल जाला कि अग्निमित्र, मौर्यबंस के बिनास क के शुंग बंस के अस्थापना करे वाला राजा पुष्यमित्र शुंग के बेटा रहलें आ पुष्यमित्र के शासनकाल 158 ईपू में शुरू भइल रहल जबकि अग्निमित्र के काल 150 ईपू मानल जाला। एह तरीका से कालिदास जब अगर एह राजा के बरनन अपना नायक के रूप में करे लें तब कालिदास इनसे पहिले के ना हो सके लें, मने कि कालिदास 150 ईपू से पहिले ना भइल होखिहें। एकरा बाद, सभसे बाद के सीमा के बारे में खोज क के ई बतावल गइल बा कि कालीदास बाणभट्ट के पहिले भइल होखिहें काहें से कि बाणभट्ट इनके अपना काब्य हर्षचरितम् में बड़ा आदर से इयाद कइले बाने आ इनके सूक्ति के तारीफ कइले बाने। बाण खुद सम्राट हर्ष के सभा में कवी रहलें आ हर्ष के काल 606 ई से शुरू मानल जाला, मने कि कालिदास एकरे पहिलहीं भइल होखिहें। दूसर परमान कर्नाटक राज्य के एहोल-शिलालेख से मिले ला जेकरा में जैन कबी रविकीर्ति अपना के कालिदास आ भारवि के समान यशस्वी कहले बाड़ें। एहू से परमान के बल मिले ला काहें कि एहोल-शिलालेख 634 ई बतावल जाला। एह समय के एगो अन्य परमान के आधार पर अउरी पाछे खसकावल जा सके ला, काहें कि मंदसौर अभिलेख पर कालिदास के लेखन शैली के परभाव निर्बिबाद रूप से स्वीकार कइल जाला आ ई अभिलेख 473 ई॰ के हवे।

जनमअस्थान

कालिदास मूल रूप से कहाँ के रहलें एकरे बारे में तीन गो प्रमुख मत बा, हिमालय के क्षेत्र के रहलें, उज्जैन के रहलें या कलिंग के रहलें। एह तीनों मत के कारण के रूप में कुमारसंभवम् में हिमालय के बेहतरीन बर्णन, मेघदूतम् में उज्जैन के खातिर उनके खास लगाव, आ रघुवंशम् काव्य में कलिंग के राजा के बारे में बहुत तारीफ़ भरल बिबरन के गिनावल जाला।

कथा-किंबदंती

कालीदास की जीवन की बारे में बहुत कुछ मालुम नइखे। जेतना पता बा कथा-कहानी आ उनके रचना सभ में से अनुमान पर आधारित बाटे।

एक ठो किंबदंती कालिदास आ बिद्योतमा के ले के मिले ला। एह कहानी में बतावल जाला कि सुरुआत में कालिदास एकदम्मे मुरुख रहलें। ओह समय के एगो बहुते बिदुसी औरत बिद्योतमा रहली जे शर्त रखले रहली कि जे उनुका शास्त्रार्थ में हरा दी ओही से बियाह करिहें। उनका से जब केहू ना जीत पावल तब पंडित लोग खिसिया के षडयंत्र कइल कि एकर बियाह कौनों मुरुख से करावल जाई। खोजत-खोजत कालिदास भेंटा गइलें जे जवना डाढ़ पर बइठल रहलें ओही के काटत रहलें। पंडित लोग के ई एकदम सही आदमी लगलें आ इनके धरि के ले गइल लोग आ बिद्योतमा के शास्त्रार्थ खाती चुनौती दिहल। कहल गइल कि ई महान पंडित हवें बाकी मौन बरत लिहले बाने आ इशारा में जबाब दिहें। शास्त्रार्थ इशारा में भइल आ छल से पंडित लोग एह इशारेबाजी के अइसन ब्याख्या कइल कि बिद्योतमा हार मान लिहली। बाद में जब भेद खुल गइल बिद्योत्तमा कालिदास के बहुत धिक्कार कइली आ कालिदास देवी के भक्त बन के बिद्या हासिल कइलें।

रचना

कालिदास: जिनगी, कथा-किंबदंती, रचना 
कालिदास के नाटक के पात्र शकुंतला के राजा रवि वर्मा द्वारा एगो चित्र
  • अभिज्ञानशाकुन्तलम्
  • विक्रमोर्वशीयम्
  • कुमारसंभवम्
  • रघुवंशम्
  • मेघदूतम्
  • ऋतुसंहारम्

साहित्यिक समालोचना

कालीदास के बिस्व के महान कबी आ नाटककार लोग में गिनल जाला। कालिदास अपना रचना में भारतीय पुराण आ भारतीय दर्शन के आधार बना के कथा, बिबरन आ अलंकार बिधान कइले बाने। भारतीय चेतना के इनका रचना सभ में एतना सुघर निरूपण होखे के कारण कुछ बिद्वान लोग इनका के राष्ट्र कवि के दर्जा देवे लें।

कालिदास वैदर्भी रीति के कवी हवें। एह रीति के कविता के बिसेसता छोट समास वाली, सहज सुघर आ अलंकार योजना वाली भाषा प्रमुख चीज हवे। कालिदास के प्रकृति वर्णन खास हवें आ बिसेस रूप से इनका के उपमा अलंकार के प्रयोग खातिर जानल जाला। साहित्य में औदार्य गुण के बदे कालिदास के बिसेस परेम हवे आ ऊ अपना शृंगार रस प्रधान साहित्य में भी आदर्शवादी परंपरा आ नैतिक मूल्य के यथा उचित धियान रखले हवें।

कालिदास के बाद के परसिद्ध कवी बाणभट्ट ने उनके सूक्ति सभ के बिसेस रूप से तारीफी कइले बाने।

नोट

स्रोत ग्रंथ

Tags:

कालिदास जिनगीकालिदास कथा-किंबदंतीकालिदास रचनाकालिदास साहित्यिक समालोचनाकालिदास नोटकालिदास संदर्भकालिदास स्रोत ग्रंथकालिदाससंस्कृतसंस्कृत भाषासंस्कृत साहित्य

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

लैटिनद्वारिकाधीश मंदिरलवंडा नाचइसरोतराईबिस्मिल्ला ख़ाँदमकसिंधहिल स्टेशनतुगलकाबाद किलाधोबिन चिरईविवेकानंदएक्सवीडियोजमहाविद्यापाब्लो पिकासोओजोन परतआदित्यनाथकंचनजंघाऑक्सीजनदुर्गा सप्तशतीसारनाथमनोरंजनबिहार में प्रशासनकबीरनेपालभिखारी ठाकुरलाहौरतुलसीदाससेंटीमीटरनिर्मलीपौधानवंबरट्रिपल एक्सकेसर के पौधानीतीश कुमारसर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनपिनटेरेस्टपर्यावरण भूगोलइस्तांबुलसुंदरलाल बहुगुणाआस्ट्रेलियागरमी (सीजन)ऋषिकेशपर्यावरणपीरियॉडिक टेबलझरनाभारतीय नेवीपिरेनीज परबतशेखपुरा जिलाबारहखड़ीवेनेजुएलाभागलपुर जिलाह्वांग होलोटनीकलकत्ता विश्वविद्यालयशुक (ग्रह)ऊटीछोटा भीमहवा प्रदूषणईसा मसीहबिजनेससैम मानेकशॉकृष्णा सोबतीनागवासुकी मंदिर, इलाहाबादकजाकिस्तानमाधुरी दीक्षितहीलियमग्रेनाइटस्तनसोन नदीश्रीदेवीमनेर शरीफमेघाकन्हैया कुमार🡆 More