खेसारी लाल यादव: भारतीय गायक आ अभिनेता

शत्रुघ्न कुमार यादव (जनम: 15 मार्च 1986), जिनकरा खेसारी लाल यादव से जानल जाला एगो भारतीय अभिनेता आ गवइआ बाड़न। इनके भोजपुरी फिलिम अवार्ड 2016 में बेस्ट पॉपुलर एक्टर से सम्मानित कइल गइल, आ 2017 में यूपी रतन अवार्ड से सम्मानित कइल गइल। साल 2019 मे इनके बेस्ट एक्टर अवार्ड इन सबरंग फिल्म अवार्ड आ 2018 के सुपरहिट फिलिम संघर्ष खातिर भोजपुरी सिनेमा स्क्रीन आ स्टेज अवार्ड मिलल। ई 200 हप्ता से ढेर समय से यूट्यूब के म्यूजिक चार्ट एंड इनसाइट्स मे टॉप ग्लोबल कलाकार लोग के लिस्ट मे सामिल रहल बाड़न आ 30 करोड़ से ढेर बेर देखल गइल बाड़न। ई अपना करियर मे बादशाह, शिप्रा गोयल, पंकज त्रिपाठी, सोना मोहपात्र, मुदस्सर खान, रिनी चंद्रा, सपना चौहान आ संदीपा धार के साथे साथे कए गो प्रमुख कलाकारन का साथे काम कइले बाड़न।

खेसारी लाल यादव
खेसारी लाल यादव: भारतीय गायक आ अभिनेता
जनमबिहार, भारत
राष्ट्रीयताभारतीय
पेशा
  • अभिनेता
  • गायक
सक्रियता साल2011-अबतक

खेसारी अपना करियर के शुरुआत 2000 के दशक के अंत मे एगो गायक के रूप मे कइले रहलन। अपना हिट एल्बम सभ से लोकप्रिय भइला के बाद अभिनेता के रूप मे इनकरा फिलिम साजन चले ससुराल (2011) से सफलता भेंटाइल। एकरा बाद ई कई गो हिट फिलिमन मे लउकलन, जइसे लहू के दो रंग (2012), प्यार कावनो खेल ना हऽ (2012), छपरा एक्सप्रेस (2013), लहू पुकारेला (2014), खेसारी के प्रेम रोग (2015)। इ साल 2014 मे गायक के रूप मे बॉलीवुड मे शुरुआत, कोयलांचल फिलिम मे "एके-47" नांव के एगो गाना गा के कइलन। बॉलीवुड मे इनके दोसरका काम ग्लोबल बाबा (2016) मे रहल, जवना मे ई "होली मे उड़े" गाना गवनी आ ओह मे कैमियो कइलन। साल 2018 मे मेहंदी लगा के रखना मे इनके भूमिका आ गावे खातिर सबरंग फिल्म अवार्ड्स मे सर्वश्रेष्ठ अभिनेता (पुरुष) आ सर्वश्रेष्ठ प्लेबैक गायक (पुरुष) के अवार्ड मिलल। साल 2019 मे उनुका संघर्ष ना ला फेरु चार गो अवार्ड मिलल। एह दौर मे इनकर अउरी फिलिम रही स: मै सेहरा बांध के आऊंगा (2017), डमरू (2018), भाग खेसारी भाग (2019)। साल 2019 मे ई रियलिटी शो बिग बॉस 13 में भाग लिहलन।

साल 2020 मे सोनी म्यूजिक इंडिया से रिलीज भइल इनकर भोजपुरी तीसरा बॉलीवुड गाना आ पहिला बॉलीवुड एकल लडकी पतना जे एकरे बाद 2021 में तेरे मेरे दरमियन आइल। एकरे तुरंत बाद ऊ बादशाह के साथे मिल के भोजपुरी भाषा में पानी पानी के गीत के दोबारा बनावे के काम कइलन। साल 2022 में ऊ अपना फिलिम आशिकी से पटकथा लेखक के रूप में आपन शुरुआत कइलन।

फिल्मोग्राफी

फिलिम
खेसारी लाल यादव: भारतीय गायक आ अभिनेता 
साल फिलिम भूमिका निर्देशक भाषा टिप्पणियाँ
2016 खिलाड़ी खेसारी भोजपुरी

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

पंकज त्रिपाठीभारत

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

कलमहाजीपुरदेहातबुलंदीबागव्लादीमिर लेनिनकार्बनजमुनामिशनरी पोजीशननेशनल हाइवे 44रामभद्राचार्यभूलेखअमेजन (कंपनी)सावनबिस्मिल्ला ख़ाँमहादीपभारत छोड़ो आंदोलनदुपहरियामणिपुरी भाषा1965 के भारत-पाक युद्धपर्यावरण भूगोलअमेरिका के नदी सभ के लिस्टसोनपुर मेलाबिहारी भाषामहाराजगंज, सिवान (अनुमंडल)भारत के भूगोलनेशनल हाइवे 27रवांडाअध्यक्षप्रियंका गांधीलालू प्रसाद यादवजॉर्जिया (देश)इरफ़ान ख़ानकृषि भूगोलपुर्तगालरवीन्द्र कुमार 'राजू'डिजिटल इंडियाचंडीगढ़भोलाअंटार्कटिकापृथ्वी के घूर्णनअखिलेश यादवजनपदहवा क्वालिटी इंडेक्सगोदावरी नदीचंपापौधारणवीर सिंहधर्मशाला, हिमाचल प्रदेशअमरकंटकदामोदर नदीलोकसभामदन मोहन मालवीयसवानानाटो के सदस्य देशवाल्मीकि नेशनल पार्कनेपालअनिल चौहानकालानमक चाउरमैदानभारत के अर्थब्यवस्थाअरावलीज्वालामुखीकुआरचइतापुच्छल ताराराजेंद्र प्रसादभारतीय शास्त्रीय भाषाकाल्डेराचौखंडी स्तूप🡆 More