बिहारी भाषा

बिहारी भाषा भारतीय राज्य बिहार आ एकरे लघ ओंघ के राज्यन में आ सटल नेपाल में बोलल जाए वाली पुरबी इंडिक भाषावन सभ के समूह हऽ। एह भाषा सभ में भोजपुरी, मगही, मैथिली आ अंगिका मुख्य भाषा बाड़ी स। प्रमुख रूप से भारत के ई भाषा सभ के बोले बालन के संख्या नेपालो में 21% से भी अनघा बा।

बिहारी
भूगोलीय
बिस्तार
भारतनेपाल
भाषा बर्गीकरणइंडो-यूरोपियन
उपबिभाजन
  • माँझी
  • मुससा
  • पँचपरगनिया
  • सदरी
  • सदरी, ओराँव
  • सरनामी हिंदुस्तानी
  • सुरजपुरी
  • थारु
  • पाली†
ISO 639-1bh
ISO 639-2 / 5bih
Glottologbiha1245

हालाँकि, एह भाषा सभ के बोले वालन के संख्या बहुते ढेर बा, तबो प मैथिली के अलावा भारत में इनहन के संबैधानिक रुप से भाषा के दर्जा नइखे आ इनहन के हिंदी के बोली के रूप में मानल जाला। मैथिली के 2003 में संविधान के 92वें संशोधन में संबैधानिक दर्जा मिलल। अहिजा तक कि बिहारे में, पढ़ाई-लिखाई आ कार्यालयी क्षेत्र में हिंदी भाषा इस्तमाल होखे ला। इ भाषावन के 1961 में कानूनी रुप से हिंदी के ब्यापक छत्रछाया में बोली मान लिहल गइल। इ तरिक से राज्य आ राष्ट्रिय राजनीति अइसन भाषावन के लोप होवे के अवस्था बना रहल बा लोग।

नालंदा खुला विश्वविद्यालय बिहारी भाषावन (मगही, भोजपुरी, मैथिली) में कई तरह के कोर्स उपलब्ध करवले बा। आजादी के बाद हिंदी भाषा के बिहार के एकमात्र अधिकारिक भाषा के तौर पर बिहार अधिकारिक भाषा एक्ट, 1950 में जगह दिहल गइल। 1981 में हिंदी एकही अधिकारिक भाषा के दर्जा से हट गइल आ एकरे संघे संघे उर्दू के दूसर अधिकारिक भाषा के दर्जा दिहल गइल। हिंदी आ उर्दू के एह लड़ाई में बहुत अधिक संख्या में बोले जाये वाल भाषावन मगही, भोजपुरी आ मैथिली के अनदेखा कर दिहल गइल।

समूह में शामिल भाषा कुल

भाषा कुल ISO 639-3 लिखाई बोले वाला लोग भूगोलीय बिस्तार
अंगिका anp पहिले अंग लिखाई; देवनागरी 725,000 पुरबी बिहार, उत्तरी-पुरबी झारखंड, पच्छिम बंगाल
बज्जिका देवनागरी 8,738,000 उत्तरी-बिचला बिहार पुरबी तराई
भोजपुरी bho पहिले कैथी; देवनागरी 38,546,000 पच्छिमी बिहार, पुरबी उत्तर प्रदेश आ मध्य तराई, दक्खिनी नेपाल
फिजी हिंदी hif लैटिनदेवनागरी 460,000 फिजी दीपसमूह
कुरमाली kyw देवनागरी, चिस (संभावित बतावल जाले) 37,000 पुरबी झारखंड, पच्छिम बंगाल
मगही mag पहिले कैथी; देवनागरी 20,362,000 दक्खिनी-पच्छिमी बिहार
मैथिली mai मिथिलाक्षर (पुरबी नागरी लिखाई रूप), देवनागरी 25,204,005 उत्तर बिहार, झारखंड, मधेस, नेपाल में ऑफिशियल दर्जा
माँझी mjz N.A 21,841 पुरबी बिहार, नेपाल
मुससा smm N.A 50,000 पुरबी बिहार, नेपाल
पँचपरगनिया tdb देवनागरी, कबो-कबो बंगाली & कैथी 274,000 पच्छिम बंगाल झारखंड आसाम
सदरी sck देवनागरी 165,683 झारखंड बिहारबांग्लादेस
खोर्था भाषा sdr पुरबी नागरी लिखाई, देवनागरी 1,965,000 उत्तरी झारखंड
सरनामी हिन्दुस्तानी hns लैटिन, देवनागरी 150,000 सूरीनाम
सुरजपुरी sjp देवनागरी 273,000 उत्तरी-पुरबी बिहार

संदर्भ

बाहरी कड़ी

Tags:

अंगिकाइंडो-आर्यन भाषानेपालबिहारभोजपुरीमगहीमैथिली

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

जयप्रकाश नारायणए. ओ. ह्यूमक्रिस गेलइंडिया गेटबाबा नागार्जुनहिंडन नदीपंजाबी भाषास्टीफन हॉकिंगभारतीय मानक समयपृथिवी सूक्तपाकिस्तानइंस्टाग्रामयूनानविष्णुरामायणभूगोलनेपाल के नगरपालिका सभ के लिस्टमानव कामुकतापत्थर गिरजाआस्ट्रेलियाभारतीय संविधानफ्लोरिडामनी हाइस्टज्योतिकाटेनिसप्रियंका गांधीयांग्त्सी नदीसिंधु नदीगाँठ गोभीहांगकांगऋचा पल्लोदतिरंगाकृष्णदेव उपाध्यायलाल चंदनबनारससावनसुर्खेत जिलाकृष्णा सोबतीई मेलडैनी डेनियल्समहाराजगंज, बिहारराकस तालकार्बनआदि पराशक्तिऊटीबिहार के जिला सभ के लिस्टआइवरी कोस्टवाट्सएपआईएसबीएनमुंबईभिखारी ठाकुरलोकसभाहैदराबादरवि किशनबांग्लादेश2016यूआरएलग्लेशियरलखनिया दरीबुर (बहुअर्थी)गौतम बुद्धइजराइलगूगलप्रदूषणइसरोबिसुवत रेखाबिहार के अनुमंडल सभसाओ टोम अउरी प्रिंसेपएरोसोलसारनाथ🡆 More