अंटार्कटिका: दक्खिनी ध्रुव के महादीप

अंटार्कटिका या अंटार्टिका (Antarctica /æntˈɑːrktɪkə/ ( सुनल जाय) या /æntˈɑːrtɪkə/) पृथ्वी के सभसे दक्खिनी महादीप बा, जेवना पर दक्खिनी ध्रुव स्थित बाटे। ई लगभग पूरा का पूरा अंटार्कटिक वृत्त की दक्खिन ओर स्थित बाटे आ चारों ओर से दक्खिनी महासागर से घेराइल बाटे। ई दुनियाँ के पाँचवा सभसे बड़हन महादीप हवे आ क्रम से एशिया, अफिरका, उत्तरी अमेरिका आ दक्खिनी अमेरिका की बाद आवेला। एकर कुल एरिया 140 लाख बर्ग किलोमीटर बाटे। एकर 98% हिस्सा बरफ से तोपाइल रहेला जौना के औसत मोटाई 1.9 किलोमीटर बा।

अंटार्कटिका
This map uses an orthographic projection, near-polar aspect. The South Pole is near the center, where longitudinal lines converge.
क्षेत्रफल14,000,000 किमी2 (5,400,000 वर्ग मील)
जनसंख्या1,106
जनघनत्व0.00008/किमी2 (0.0002/बर्गमील)
निवासी-नाँवअंटार्कटिक
देस सभ0
इंटरनेट टीएलडी.aq
बड़हन शहरअंटार्कटिका के रिसर्च इस्टेशन

अंटार्कटिका दुनिया के सभसे ठंढा, सूखा आ सभसे तेज हवा वाला महादीप ह आ एकर औसत ऊँचाई बाकी कुल महादीपन ले ढेर बाटे। अंटार्कटिका में वर्षण बहुत कम होला आ खाली किनारा वाला इलाका में होला एही से एके रेगिस्तान मानल जाला। इहाँ के तापमान −89 °C (−129 °F) ले रेकार्ड कइल जा चुकल बाटे। इहाँ खराब मौसम दशा की कारण केहू आदमी हमेशा खातिर नइखे बसल आ खाली बैज्ञानिक रिसर्च करे खातिर इहाँ लोग रहेला। इहाँ की जीव बिबिधता में गिनावल जाय त कुछ एल्गी, बैक्टीरिया, फंगस, पौधा आ कुछ बहुत छोट जानवर जइसे कि दीमक, नेमाटोड आ पेंग्विन पावल जालें। जहाँ कहीं बनस्पति मिलेला ऊ टुंड्रा प्रकार के होला।

ए महादीप के खोज सभसे पहिले एगो रूसी अभियान में फैबियन बेलिंग्सहॉउसेन (Fabian Gottlieb von Bellingshausen) आ मिखाइल लाजरेव (Mikhail Lazarev) नाँव के अभियानी लोग सन् 1820 में कइल।

अंटार्कटिका अंतर्राष्ट्रीय क़ानून की अन्दर कौनों एगो देस के संपत्ति ना हवे आ एकर खाली रिसर्च आ ज्ञान बिग्यान खातिर देस सभ उपयोग करे ला। अंटार्कटिका समझौता (Antarctic Treaty System) सन् 1959 में साइन भइल रहे आ ई कौनों तरह के मलेटरी गतिविधि आ परमाणु बिस्फोट या परमाणु कचरा के फेंकले के पुरा प्रतिबन्ध लगावेला। समझौता पर अबले कुल 50 गो देस दस्खत कइ चुकल बाड़ें जौना में भारत भी बाटे।

टिप्पणी

संदर्भ

Tags:

En-us-Antarctica.oggअफिरकाउत्तरी अमेरिकाएशियाचित्र:En-us-Antarctica.oggदक्खिनी अमेरिकादक्खिनी महासागरपृथ्वीमदद:IPA/Englishमहादीप

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

कलिंग युद्धअवधी भाषारेपसीडकृषि भूगोलएमी जैक्सनसपना चौधरीपुलसंगममनेर शरीफबरफपर्ल नदीममता कुलकर्णीचटगाँवनमामि गंगेविजय सेतुपतिभूगोलसंज्ञा (संस्कृत व्याकरण)राजेंद्र प्रसादक्रिस्टियानो रोनाल्डोकाठमांडोअलेक्जेंडर कनिंघममनोरंजनघासकृति सैननपहाड़ीस्पेनिश भाषागोवामनोज तिवारीहेमा मालिनीधुआँचायगुरुचिमांसपेशीइटहरीचारमीनारमहाविद्याभारत (बहुअर्थी)रावणविकिडेटाप्रेम चोपड़ाफुटबालकरेंसीअल्लाद्रौपदी मुर्मूसउदी अरबग्लेशियरचकोरकेसर के पौधास्पेनपौधाकैमरूनप्रतिभा पाटिलबेरोजगारीस्टीफन हॉकिंगप्राकृतिक उपग्रहनार्वेकृष्णदेव उपाध्यायडोमब्रुनेईमहेंद्र सिंह धोनीमेहराबतिब्बतमोबाइल फोनविकिपीडियास्पून्स सेक्स पोजीशनमार्चयेनिसी नदीमणिपुरी भाषामहाराजगंज, सिवान (अनुमंडल)कैलेंडरअतर्राविकिमीडिया फाउंडेशननासा🡆 More