सिविल लाइंस, इलाहाबाद

सिविल लाइंस (पुराना नाँव कैनिंग टाउन जेकरा कैनिंगटन भी कहल जाय) इलाहाबाद के एगो मोहल्ला बा। ई मोहल्ला इलाहाबाद के सभसे प्रमुख पर्यटक आकर्षण त्रिवेणी संगम से करीबन 7 किलोमीटर पच्छिमी दिसा में बाटे।

सिविल लाइंस
कैनिंगटन
इलाहाबाद के मोहल्ला
इलाहबाद के आकासरेखा, इंदिरा भवन वाला इलाका
इलाहबाद के आकासरेखा, इंदिरा भवन वाला इलाका
Nickname: 
White Town
देसभारत
राज्यउत्तर प्रदेश
शहरइलाहाबाद
बसावल गइल1857
Founded byसी॰ बी॰ थाॅर्नहिल
Government
 • Typeमेयर-समिति
 • Bodyप्रयागराज नगर निगम
पिनकोड
211001

वर्तमान में ई इलाहाबाद के सेंट्रल बिजनेस डिस्ट्रिक्ट के रूप में डेवलप हो चुकल बा आ बड़ी-बड़ी इमारत, मॉल, शो-रूम आ अपार्टमेंट वाला इलाका बन गइल बा। चौकोर ग्रिड नियर बनावट में बनल सड़क वाला ई मोहल्ला रिहायशी कॉलोनी के रूप में बसावल गइल रहल आ इहाँ बड़े-बड़े बंगला रहलें, जबकि अब ई पूरा तरीका से कमर्शियल एरिया बनत जा रहल बा।

1858 में, सी. बी. थाॅर्नहिल के निगरानी में बसावल गइल ई इलाका अपना समय में भारत के सभसे बड़हन टाउन प्लानिंग प्रोजेक्ट रहल, जब तक ले कि दिल्ली शहर में प्लानिंग से बसाव ना शुरू भइल।

इतिहास

मोहल्ला सिविल लाइंस के 1858 में बसावल गइल, गदर के ठीक बाद, जब शहर के बिद्रोही लोग से आजाद करा लिहल गइल, एह इलाका में रहे वाला मुसलमान मेवाती समुदाय के लोगन के आठ गो गाँव तबाह क के ई इलाका खाली करावल गइल।

ओह समय में ई वाइट टाउन (गोरा लोग के शहर) के नाँव से जानल जाय आ हिंदुस्तानी लोग के एह में जाए के इजाजत ना रहल।

रिहायशी बिल्डिंग

वर्तमान में, शहर चूँकि तीन ओर से नदी से घेराइल बाटे, इलाहाबाद में वर्टिकल ग्रोथ, मने की ऊँच बिल्डिंग बनावल बिकल्प के रूप में बा आ सिविल लाइंस एह मामिला में आगे बा जहाँ अइसन निर्माण हो रहल बा। इलाहाबाद के पहिली बारह मंजिल के इमारत एही सिविल लाइंस में महात्मा गाँधी मार्ग पर एडीए (अब पीडीए) के बनवावल संगम प्लेस रहल ह जे कामर्शियल आ ऑफिस खाती इस्तेमाल में आवे ला। बाकी अब ऊँच-ऊँच बिल्डिंग रिहायश खाती भी एह इलाका में भरपूर बन रहल बाड़ी सऽ।


संदर्भ

Tags:

इलाहाबादत्रिवेणी संगम

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

अहिंसाअंकगणितदाऊद इब्राहिमचिनाब नदीफ्रांसीसी क्रांतिगंगा जमुना सरस्वतीगाँठ गोभीद्रौपदी मुर्मूमानव भूगोलचंद्रगुप्त मौर्यइंडीगोस्लमडॉग मिलियनायरलोटनीगोदावरी नदीगजपुरनायमनछतरपुर मंदिरकार्ल मार्क्सभारतीय प्रशासनिक सेवागुवाहाटी23 अप्रैलचंपाकुट्टनाडनंदुरबार जिलाचीनी भाषा2023 आईपीएलढोढ़ीउत्तर प्रदेशक्रिस्टियानो रोनाल्डोमानव प्रजातिरासायनिक तत्वन के लिस्टमुर्गी पालनभागलपुर जिलापराग्वेपृथ्वी के घूर्णनअलवर जिलागोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनक्रस्टकुंचिकल झरनादिलविकिपीडिया सभ के सूचीसेक्स पोजीशनअल्बर्ट आइंस्टीनयातायातसनी लियोनीजायसहनुमान2023मलाइका अरोड़ा खानचायआईएसबीएनमोहनजोदड़ोमौर्य साम्राज्यमीटरयुगांडावाल्मीकि नेशनल पार्कसोनपुर मेलानोटोकॉर्डरसड़ाऔरंगजेबसंस्कृतिनई दिल्ली रेलवे स्टेशनस्पेनजंतर मंतर, दिल्लीअरावलीविद्यापतिकैलेंडरप्रयाग प्रशस्तिमिस्रनमामि गंगेमहेंदर मिसिरगुरु तेग बहादुरमौलाना मज़हरुल हक़ अरबी फ़ारसी विश्वविद्यालयविष्णु🡆 More