नील नदी

नील नदी (अंग्रेजी: Nile) अफिरका महादीप के आ दुनिया के एगो महत्वपूर्ण नदी हवे जेवन दक्खिन से उत्तर की ओर बहे ले। परंपरागत रूप से दुनिया की सबसे लंबी नदी के रूप में गिनी जाती है हालाँकि, एह बात के बाद के रिसर्च में चुनौती दिहल गइल बा आ सलाह दिहल गइल बाटे की अमेजन नदी एकरा ले कुछ लमहर हो सके ले। नील नियर प्रमुख नदी अपना सालाना पानी के बहाव के मात्रा के हिसाब से कुछ सभसे छोट प्रमुख नदी में से आवे ले। लगभग 6,650 किमी (4,130 मील) लमहर, एकर नदी थाला (ड्रेनेज बेसिन) कुल इगारह गो देसन में बिस्तार लिहले बाटे: तंजानिया, युगांडा, रवांडा, बुरुंडी, द डेमोक्रेटिक रिपब्लिक ऑफ़ दी कांगो, कीनिया, इथियोपिया, इरीट्रिया, दक्खिन सूडान, रिपब्लिक ऑफ़ सूडान, आ मिस्र। वास्तव में, नील नदी मिस्र, सूडान आ दक्खिनी सूडान खातिर प्राइमरी पानी के स्रोत हवे। एकरे अलावा, नील एगो महत्व वाली आर्थिक नदी हवे जे खेती आ मछरी पकड़े के उद्योग के सपोर्ट करे ले। मिस्र देस के नील नदी के बरदान (गिफ्ट ऑफ़ नाइल) कहल जाला आ एह नदी पर बनल अस्वान बंधा एगो बिस्व-परसिद्ध बान्ह हवे। नील नदी के डेल्टा तिकोन डेल्टा हवे आ एही के नाँव पर अइसन थलरूप सभ के डेल्टा नाँव पड़ल काहें कि यूनानी लिखाई में डेल्टा नाँव के अच्छर (Δ) तिकोना होखे ला।

नील
नील नदी
युगांडा में नील नदी
inside river Nile map
नील नदी के थाला के नक्शा
लोकेशन
देसमिस्र, सूडान, दक्खिन सूडान, इथियोपिया, युगांडा, कांगो, कीनिया, तंजानिया, रवांडा, बुरुंडी
प्रमुख शहरजिंजा, जुबा, खारतूम, काहिरा
भौतिक लच्छन सभ
Sourceसफेद नील
 - coordinates02°16′56″S 29°19′53″E / 2.28222°S 29.33139°E / -2.28222; 29.33139
 - elevation2,400 मी (7,900 फीट)
2nd sourceनीली नील
 - locationताना झील, इथियोपिया
 - coordinates12°02′09″N 037°15′53″E / 12.03583°N 37.26472°E / 12.03583; 37.26472
मुहानाभूमध्य सागर
 - location
नील डेल्टा, मिस्र
 - coordinates
30°10′N 31°09′E / 30.167°N 31.150°E / 30.167; 31.150 31°09′E / 30.167°N 31.150°E / 30.167; 31.150
 - elevation
समुंद्र तल
लंबाई6,650 किमी (4,130 मील)
थाला के साइज3,349,000 किमी2 (1,293,000 वर्ग मील)
चौड़ाई 
 - मैक्सिमम2.8 किमी (1.7 मील)
गहिराई 
 - एभरेज8–11 मी (26–36 फीट)
Discharge 
 - locationअस्वान, मिस्र
 - average2,633 m3/s (93,000 cu ft/s)
 - minimum530 m3/s (19,000 cu ft/s)
 - maximum7,620 m3/s (269,000 cu ft/s)
Discharge 
 - locationकाहिरा, मिस्र
 - average2,000 m3/s (71,000 cu ft/s)
 - minimum500 m3/s (18,000 cu ft/s)
 - maximum7,000 m3/s (250,000 cu ft/s)
Discharge 
 - locationनील डेल्टा, मिस्र, भूमध्य सागर
 - average1,584 m3/s (55,900 cu ft/s)
थाला लच्छन
सहायिका 
 - leftसफेद नील
 - rightनीली नील, अतबराह नदी (काली नील)

बिबरन

नील नदी 
नील नदी के नदी थाला (ड्रेनेज बेसिन)

विक्टोरिया झील से ले के भूमध्य सागर तक ले कुल 6,650 किमी (4,130 मील) लंबाई वाली नील नदी दुनियाँ के सबसे लमहर नदी सब में गिनल जाले। एकर नदी थाला (ड्रेनेज बेसिन) कुल 3,254,555 वर्ग किलोमीटर (3.503174×1013 वर्ग फु) रकबा पर बिस्तार लिहले बाटे जे पूरा अफिरका महादीप के लगभग 10% हिस्सा बइठे ला। हालाँकि, अगर अउरी नदिन से तुलना कइल जाय तब नील नदी में पानी बहुत कम रहे ला (उदाहरण खातिर कांगो नदी के बस 5%)। नील नदी के बेसिन एगो जटिल बेसिन हवे, आ एकरा चलते, कौनों भी अस्थान पर एह में पानी के बहाव (डिस्चार्ज) कई चीजन पर निर्भर करे ला, मौसम, डाइवर्जन, बास्पीकरण आ इवैपोट्रांसपिरेशन आ जमीनभीतरी पानी के मात्रा पर।

खारतूम से ऊपर (दक्खिन के ओर), नद्दी के सफेद नील के नाँव से जानल जाला, जबकि सकेत अरथ में खार्तूम से नो झील तक ले एह नाँव से जानल जाला। खारतूम में एह में नीली नील नदी आ के मिले ले। सफेद नील के उदगम भूमध्यरेखीय पूरबी अफ्रीका में होला जबकि नीली नील के उद्गम इथियोपिया से होखे ला। दुनों धारा पूर्बी अफिर्की रिफ्ट के पच्छिमी कगार से निकसे लीं।

नोट

संदर्भ

Tags:

नील नदी बिबरननील नदी नोटनील नदी संदर्भनील नदी बाहरी कड़ीनील नदीअंग्रेजीअफिरकाअमेजन नदीइथियोपियाइरीट्रियाकीनियाडेमोक्रेटिक रिपब्लिक ऑफ़ दी कांगोडेल्टातंजानियाथलरूपदक्खिन सूडाननदी थालानील डेल्टाबुरुंडीमिस्रयुगांडारवांडारिपब्लिक ऑफ़ सूडान

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

स्तूपनीतीश कुमारआम आदमी पार्टीमादा जननांगबिहारी भाषानिर्मलीबुल्गारियाप्रदूषणदाऊद इब्राहिमआईएसएसएननेपालसंसारअक्षांशइमोजीस्पून्स सेक्स पोजीशनहिमाचल प्रदेशकंचनजंघाजनपदसंगमउत्तराखंडचंद्रशेखर आज़ाद रावणसतुआनबद्रीनाथ मंदिरबहेरीप्राकृतिक प्रदेशभगत सिंहकोसलगुलाबपहाड़ीयांग्त्सी नदीरोमदेवरिया सदर रेलवे इस्टेशनबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टसिकंदरपुरजानवरइत् संज्ञासलमान खानमदुरैबिहार के भूगोलसर्वेहांगकांगग्रेट डिवाइडिंग रेंजरोहित शर्माविद्यानिवास मिश्रदुसरी बौद्ध संगीतिभारतीय मानक समयभारतीय संस्कृतिइंडिया गेटबिहटालाल किलाग्रेनाइटजुआहवा प्रदूषणतंजानिया16 अप्रैलऔरंगाबाद जिला, बिहारबनमुर्गीभारतीय संविधान के आमुखमिठाईभारतपबजीसेक्स पोजीशनक्वार्ट्जसंसाधन भूगोलसोनपुर मेला1989महासागरबिजनेसबेल्जियमजनसत्तामाधुरी दीक्षितपेरियारचौथी राम यादव🡆 More