नागवासुकी मंदिर, इलाहाबाद

नागवासुकी मंदिर भा नाग बासुकी मन्दिर इलाहाबाद में मौजूद एक ठो हिंदू मंदिर बाटे। ई मंदिर संगम के लग्गे महल्ला दारागंज के उत्तरी छोर पर बाटे। अहिजा के गरभगृह में रखल नाग नागिन के मुरती 10वीं सदी के बतावल जाले। एह प्राचीन मंदिर के निर्माण वेशर शैली मे भइल बा। नागपंचमी के दिने इहँवा बिसाल मेला लागे ला।

कथा आ पुराण में

नागवासुकी के बिबरन पद्म पुराण आ श्रीमद्भागवत में मिले ला। कथा के मोताबिक समुंद्र-मंथन के समय वासुकी नाग के रसरी के रूप में इस्तेमाल कइल गइल रहल जेकरे कारन उनके शरीर में सुमेरु परबत से रगड़ के चलते जलन पैदा भइल, मंदराचल परबत पर निवास के बादो जलन ना ठीक होखे पर भगवान विष्णु के सलाह पर वासुकी प्रयाग आ के सरस्वती के जल पी के कुछ दिन बिश्राम कइलें तब ई जलन नीक भइल।

दुसरे कथा के अनुसार गंगा जब आकाश से जमीन पर उतरली तब तेज बहाव के चलते उनके पानी पाताल ले पहुँच गइल आ नागवासुकी के फन पर परल जेकरे चलते भोगातीर्थ बनल, नागवासुकी के प्रयाग आगमन पर ई तीरथ इहाँ आ गइल। वर्तमान में मंदिर के पच्छिम ओर के हिस्सा के भोगतीर्थ मानल जाला।

इतिहास में

अइसन बिबरन बतावल जाला कि मंदिर के जीर्णोद्धार नागपुर के राजा श्रीधर भोंसले द्वारा करावल गइल रहे। इहो कथा बतावल जाले की औरंगजेब इहाँ आ के मंदिर में मूर्ती पर तलवार चलवलें जब नागवासुकी के भब्य रूप में मूर्ती के देख के बेहोस हो गइलेन।

2001 में मंदिर में कुछ मरम्मत के काम मुरलीमनोहर जोशी द्वारा करावल गइल।

संदर्भ

Tags:

इलाहाबादत्रिवेणी संगमदारागंजनागपंचिमी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

लाल चंदनराजेंद्र प्रसादरामनाथ कोविंदलवंडा नाचसोशल मीडियाअताउल्लाह ख़ाननदी थालास्तनभोजपुरी संस्कृतिस्टार टीवीभारत के भूगोलनई दिल्ली रेलवे स्टेशनमोतीलाल नेहरूइस्लामी सुलेखसोनिया गांधीइंडिया गेटपड़रौनाहैदराबादकामदेवकोल्ड ड्रिंकसौर मंडलसंभोगअमरावती जिलानाइट्रोजनक्रस्टलोकसभाजनपदभारतीय मसाला सभ के लिस्टउत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्टमहादीपभरतनाट्यमसाइबेरियाझाँसी के रानीहाजीपुरगुट-निरपेक्ष आंदोलनमलाइका अरोड़ा खानरजनीकांतवल्लभभाई पटेलअवधी भाषाचिनाब नदीकॉमन सेंस (पम्फलेट)हिल स्टेशन23 अप्रैलरामभद्राचार्यअज़रबैजानताजमहलरैडिसन ब्लूताराप्रियंका गांधीमौलाना मज़हरुल हक़ अरबी फ़ारसी विश्वविद्यालयमाउंट एवरेस्टबौद्ध मंदिरकबीरभारतीय लोक संगीतअलवर जिलाअनुष्का शर्मामीरा कुमारग्लेशियरकुट्टनाडशुभी शर्मामायाइंडीगोपूर्वांचल एक्सप्रेसवेदिल्ली चिड़ियाघरफ्रांसीसी भाषासमाजमन की आवाज-प्रतिज्ञामांसपेशीतंजानियामनी प्लांटब्रह्मपुत्र नदीयांग्त्सी नदीगोदावरी नदीशिल्पा शेट्टीगोरखपुर जिला🡆 More