सोशल मीडिया

सोशल मीडिया आजकाल्ह के इलेक्ट्रानिक जुग में वेब आ इंटरनेट आधारित माध्यम बा जेकरा इस्तेमाल करे वाला लोग आपन बात-बिचार आपस में साझा क सकत बा। कई ठो सोशल नेटवर्किंग साइट आ सर्विस अउरी माइक्रोब्लागिंग वेबसाइट सभ ई सुबिधा देत बाड़ी कि प्रयोगकर्ता आपन खुद के कंटेंट (छोट ब्लॉग, टिप्पणी, फोटो, एनीमेशन, बीडियो वगैरह सामग्री) के इंटरनेट आधारित समुदाय (वर्चुअल कम्युनिटी) में साझा क सकत बा। एही तरे दुसरे लोगन के कंटेंट पर टिप्पणी भा राय जाहिर क सकत बा, दुबारा साझा क सकत बा या फिर खराब कंटेंट के रिपोर्ट क सकत बा।

केहू के हाथ में मोबाइल फोन, पाछे बिल्डिंग, सडक आ घास देखात बा
मोबाइल पर फेसबुक पन्ना

आजकाल्ह के कुछ प्रमुख सोशल नेटवर्किंग सर्विस सभ में फेसबुक, वाट्सएप, ट्विटर, यूट्यूब, मैसेंजर, वाइबर, टंबलर, लिंक्डइन, वीचैट वगैरह बाने।

सोशल मीडिया, सामन्य मीडिया से कई रूप में अलग भी बा। तेजी भा तात्कालिकता, कंटेंट के गुणवत्ता (क्वालिटी), पहुँच, बहुलता (कई स्रोत, कई उपभोक्ता) वगैरह कई बिंदु गिनावल जा सके लें जिनहन के आधार पर सामान्य मीडिया (जइसे अखबार, टीवी, रेडियो) से ई मीडिया अलग बा।

सोशल मीडिया के अच्छा आ खराब दुनों तरह के परभाव भी लोगन द्वारा अखियान कइल जा रहल बा। साइबरबकैती, ट्रोलिंग आ ऑनलाइन हरासमेंट वगैरह के मामिला सोझा आइल बाने आ डिप्रेसन आ कुछ अन्य मनोबैज्ञानिक समस्या में बढ़ती के कारण के रूप में भी सोशल मीडिया के भूमिका होखे के दावा कइल जा रहल बा। लाभ के चीज में, लोगन के आपन राय जाहिर करे, दूसरा लोग के राय जाने, बिबिध स्रोत से उपलब्ध जानकारी के तुलना करे वगैरह के अवसर में भारी बढ़ती भइल बा।

इहो देखल जाय

  • सोशल नेटवर्किंग सर्विस
  • कम्युनिकेशन
  • ट्रोलिंग

संदर्भ

Tags:

इंटरनेटवेबसाइट

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

कैलेंडरलंदनब्रह्मपुत्र नदीमनोरंजननेनुआरामताना भगत आंदोलनहम ने ली है... शपथलाइफ ओकेबसंतपुर ब्लाक, सिवानमऊरानीपुरशाहजहाँईसवी सनबाणभट्टयूनाइटेड नेशंसकिली पॉलगाँवताराअवधी भाषागोवाहवातेलंगानाराहुल सांकृत्यायनकर्णाली प्रदेशहैदराबादज्योतिकाशील्ड ज्वालामुखीमहाराजगंज, बिहारताजमहलमीटरई मेलयूरोपशिवरंजनीलार्ड कार्नवालिसछतरपुर मंदिरअवधस्कॉटलैंडमणिपुरी भाषाअमेजन जंगलधर्मशाला, हिमाचल प्रदेशभारत के राष्ट्रपतिभंटालोकसभामहाभारतअरावलीसतना जिलाउत्तर प्रदेश पुलिसबेरोजगारीविकिमीडिया फाउंडेशनअरवल जिलारजनीकांतमुगलसराय जंक्शन रेलवे स्टेशनवेनेजुएलागुलकंदअमेजन (कंपनी)जननी जन्मभूमिश्च स्वर्गादपि गरीयसीबाबा नागार्जुनपठारदिल्ली चिड़ियाघरचायबाघद्रौपदी मुर्मूभारतीय मानक समयज्योतिर्लिंगवेंकैया नायडूकेसर के पौधाभारतीय संविधान के आमुखकृष्णनमामि गंगेस्वेज नहरसंगमरवांडामिस्ररोमगोंडवाना लैंडमैक्सिको🡆 More