ताजमहल

ताज महल भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में, आगरा शहर में यमुना नदी के दक्खिनी किनारे पर मौजूद एक ठो सफ़ेद संगमरमर के मकबरा बाटे। मुग़ल बादशाह शाहजहाँ 1632 मे, ई मकबरा अपने प्रिय बेगम मुमताज महल खातिर बनववलें। शाहोजहाँ के कब्र एहिजे बा। एकर हाता 42 मे बा जेह मे ताजमहल संगे एगो महजिद, अतिथिगृह आ बगइचा बा।

ताजमहल
ताजमहल
लोकेशनआगरा, उत्तर प्रदेश, भारत
अक्षांस-देसांतर27°10′30″N 78°02′31″E / 27.17500°N 78.04194°E / 27.17500; 78.04194 78°02′31″E / 27.17500°N 78.04194°E / 27.17500; 78.04194
ऊँचाई73 मी (240 फीट)
निर्माण1632–53
आर्किटेक्टउसताद अहमद लाहौरी
आर्किटेक्चर इस्टाइलमुगल आर्किटेक्चर
देखे आवे वाला7–8 मिलियन (2014 में)
वेबसाइटwww.tajmahal.gov.in
ताजमहल is located in Uttar Pradesh
ताजमहल
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
ताजमहल is located in India
ताजमहल
ताजमहल (India)
पैमानासांस्कृतिक: i
संदर्भ252
इंस्क्रिप्शन1983 (7वाँ सेशन)

एकर समाधि 1643 ए मे बन के तेयार हो गइल रहे, बाकिर अउरी सभ चीझ बनावे मे दस बरिस अउरी लागल। अइसन मानल जाला जे 1653 मे ई पूरा बनि गइल रहे, आ एकरा बनावे मे जवन खरचा आइल रहे ऊ ओह घड़ी के हिसाब से 3.2 करोड़ रोपेया रहे, जवन की 2020 मे 7000 करोड़ रोपेया के बरोबर बा। एकरा बनावे मे 20,000 मजूरा मिस्तीरी लोग काम कइले रहे।

1983 मे यूनेस्को एकरा बिस्व धरोहर स्थल घोसित कइलस। एकरा मुगल कला मे सभ से नीक नमुना मानल जाला। हर बरिस दुनिया भर से 70-80 लाख लोग एकरा देखे आवेला।

नांव

अब्दुल हमीद लाहोरी, 1636 मे लिखल किताब पादशाहनामा मे ताजमहल के नांव रौज़ा-ई-मुन्नवरह लिखल बा, जेकर माने होला परसिद्ध समाधी। आज काल एकरा ताज महल कहल जाला।

प्रेरना

ताज महल बनावे के निर्देश बादशाह शाह जहाँ 1631 मे दिहले रहन, जब 17 जुन के, आपन चउदहवा लइका के जनम देत घड़ी उनकर मेहरारू मुमताज महल मू गइली। एकरा बनावे के काम 1632 मे चालू भइल, आ 1648 ले समाधी बनि के तेयार हो गइल रहे आ ओकरा बाद बगईचा आ बाकी सभ भवन बनल। मुमताज महल के मुअला के बाद शाहजहाँ के दुख मे दस्तावेजीकरण करे वला शाही दरबार ताजमहल के प्रेरणा के रूप मे आयोजित प्रेम कथा के देखावेला।

शाह जहाँ आ मुमताज महल
ताजमहल 
"ग्लोब पर खड़ा शाहजहाँ" स्मिथसोंनियन इंस्टीच्यूट से
"ग्लोब पर खड़ा शाहजहाँ" स्मिथसोंनियन इंस्टीच्यूट से 
ताजमहल 
मुमताज महल के चित्र
मुमताज महल के चित्र 

आर्किटेक्चर आ डिजाइन

ताजमहल के देखावत एनीमेशन


संदर्भ

Tags:

ताजमहल नांवताजमहल प्रेरनाताजमहल आर्किटेक्चर आ डिजाइनताजमहल संदर्भताजमहल बाहरी कड़ीताजमहलआगरायमुना नदीशाहजहाँ

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

पठारइंडस्ट्रीधर्मशाला, हिमाचल प्रदेशकेसर के पौधासंघ राज्यक्षेत्रमार्चशाहरुख खाननई दिल्ली रेलवे स्टेशनजीएसएलवीचंद्रपुर जिलाइंफ्रास्ट्रक्चरगिनी-बिसाऊगंगा नदीइस्तांबुलघासहनुमानअन्ना हजारेअगरतलागोदावरी नदीभूलेखसर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनरणवीर सिंहबिस्मिल्ला ख़ाँझरनाहिंदी पट्टीसुर्खेत जिलामैदानडीडी न्यूजदमावंद परबतकृष्णा नदीकोलोरैडो नदीदौसा जिलाताराकील नहरगैलेक्सीअरविंद केजरीवाललाहौरभोजपुरी संस्कृतिज्वालामुखीवाट्सएपकाल बैसाखीममता बनर्जीअनुच्छेद 370बद्रीनाथ मंदिरपेट्रोलियमएक्सएनएक्सएक्सवल्लभभाई पटेलभोजपुरी क्षेत्रईसा मसीहलता मंगेशकरऋचा पल्लोदमनोरंजनभारत के सीमाफिनलैंडमंगरइलफॉस्फोरसअजय देवगनक्वार्ट्जअवादीमच्छरसिंधअमेरिकाब्राज़ीलअल्बर्ट आइंस्टीनबाड़मेर जिलाजाह्नवी कपूरबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टगोरखपुर विश्वविद्यालयवाल्मीकि नेशनल पार्कयांदेक्ससंत रविदास नगर जिला🡆 More