मनी प्लांट: लता वाला एगो पौधा प्रजाति

मनी प्लांट (अंग्रेजी: Money plant; बैज्ञा.

नाँव: Epipremnum aureum) फूलदार पौधा सभ के अरुम परिवार अरासियाए के एगो प्रजाति हवे। ई लता होले जेह में एक के बाद एक पतई निकलें लीं आ ई दिल के आकृति के होखे लीं। लता के रूप में ई दुसरे फेड़ सभ चाहे देवाल, तार नियर चीजन पर चढ़ जाले, एह में हवा में सोर निकले लीं जे कौनों सतह पर सपट जालीं आ एकरे चढ़े में मदद करे लीं आ अगर मिले तब एह लता के पोषण करे लीं।

मनी प्लांट
मनी प्लांट: लता वाला एगो पौधा प्रजाति
Cultivar ‘Golden Queen’
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: प्लेंटाई
(Plantae)
क्लैड (Clade): एंजियोस्पर्म
(Angiosperms)
क्लैड (Clade): Monocots
ऑर्डर (Order): Alismatales
परिवार: Araceae
जाति (Genus): Epipremnum
प्रजाति: E. aureum
दूपद नाँव
Epipremnum aureum
(Linden & André) G.S.Bunting, 1964
अउरी दूसर नाँव
  • Epipremnum mooreense
    Nadeaud, 1899
  • Pothos aureus
    Linden & André, 1880
  • Rhaphidophora aurea
    (Linden & André) Birdsey, 1963
  • Scindapsus aureus
    (Linden & André) Engl., 1908

ई पौधा मूल रूप से प्रशांत महासागर के बीचा में मौजूद फ्रेंच पाॅलिनेशिया के सोसायटी दीप के हवे। ई समशीतोष्ण इलाका सब में पॉपुलर सजावटी पौधा हवे आ वर्तमान में ई उष्णकटिबंधियो इलाका सभ में सजावटी पौधा के रूप में बहुत लगावल जाला। कई इलाका सभ में ई पौधा पहुँच के उहाँ के प्राकृतिक इकोसिस्टम के नोकसानो पहुँचवले बाटे।

हालाँकि, ई प्रजाति के हिसाब से फूलदार पौधा हवे, अपने आप अब शायदे कभी फुलाला जबले की एह में फूल लियावे खाती अलगा से हार्मोन न दिहल जाय। अपने-आप एह में फूल फुलाए के घटना अंतिम बेर 1964 में देखल गइल रहल।

एह पौधा के रॉयल हॉर्टिकल्चर सोसायटी के गोल्डन मेरिट अवार्ड मिल चुकल बाटे।

संदर्भ

  • Pothos Production Guide - discusses care of this plant
  • Xu, Zhongjun; Wang, Li; Hou, Haiping (May 2011). "Formaldehyde removal by potted plant–soil systems". Journal of Hazardous Materials. 192 (1): 314–8. doi:10.1016/j.jhazmat.2011.05.020. PMID 21641719.

Tags:

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

लोकेशनई मेलअमरनाथ गुफा मंदिरदेवरिया जिलाअरावलीप्राकृतिक उपग्रहकालानमक चाउरपानीओजोन दिवसएम्सटर्डममगधगोपालगंज जिलामहाकाललता मंगेशकरबरफबेबिंकाकंप्यूटरचंद्रगुप्त मौर्यसवानामहाविद्याऑस्ट्रियादुपहरियाकूलरहिल्डेगार्ड ऑफ बिन्जेनकाला सागरयूनाइटेड अरब अमीरातअमेजन नदीमहावीर जयंतीज्योतिर्लिंगमुर्गी पालनफिनलैंडअंडोरामैदानधनगढीसुर्खेत जिलाचुआर विद्रोहअलकनंदाढोला-सदिया पुलपोर्नोग्राफीहंपीकृषि भूगोलभारतीय मानक समयसोनम कपूरअमर्त्य सेनअर्थसेक्सबिहारी भाषासंस्कृतिमीरा कुमारशाहाबाद जिलाएशियामिशनरी पोजीशनअनुच्छेद 370जया प्रदासमुंद्रकॉमन एरामैथ्यू अर्नाल्डराहुल सांकृत्यायनबाणभट्टशिकागोमगध एक्सप्रेसगुवाहाटीआमिर खानवाराणसी मंडलसलादसंधि🡆 More