कबीर: भारतीय संत, रहस्यवादी आ कवी (1398-1494)

कबीरदास चाहे संत कबीर 15वीं सदी के एगो संत महात्मा, रहस्यवादी आ कवी जिनके रचना आ उपदेश के परभाव, कुछ बिद्वान लोग के अनुसार तत्कालीन भक्ति आंदोलन पर पड़ल। इनकर जनम बनारस की लगे लहरतारा में भइल रहे। धार्मिक पाखण्ड की खिलाफ उपदेश दिहलें आ भगवान की निर्गुण रूप के आराधना करे के उपदेश दिहलें। निर्गुण भक्ति की कवि लोगन में कबीरदास क अस्थान बहुत ऊपर बा। कबीर के रचना सभ के अंश सिख धर्म के पबित्र ग्रंथ गुरु ग्रंथ साहिब में भी शामिल मिले ला।

कबीर: भारतीय संत, रहस्यवादी आ कवी (1398-1494)
An 1825 CE painting depicts Kabir weaving

कबीर के जनम के बारे में जानकारी कथा-कहानी आ बिस्वास में तोपाइल बा। एगो कथा के मोताबिक इनकर जनम बाभन औरत से भइल रहल जेकर बियाह ना भइल रहे। एही कारन ऊ कबीर के त्याग दिहली आ ओकरे बाद इनका के मुस्लिम जोलहा परिवार पा गइल आ लालन-पालन कइल। इनके सुरुआती जिनगी मुस्लिम परिवार में बीतल एह बारे में साइद कमे संदेह बा, बाकी बाद में ई हिंदू संत आ गुरू रामानंद के परभाव में अइलें आ उनके चेला बन गइलें।

कबीर के हिंदू आ मुस्लिम दुनों धरम के आलोचना करे खाती जानल जाला। उनके अनुसार हिंदू लोग वेद से आ करमकांड से भरमाव में बा आ ऊ एह लोग के धार्मिक रेवाज सभ के भरपूर आलोचना कइलें जेह में जनेव आ खतना दुनों के बिरोध सामिल बा। इनका जिनगी में हिंदू आ मुस्लिम दुनों धरम के लोग इनके बिचार खातिर इनका के धमकावल। निधन के बाद इनके ऊपर दुनों धरम के लोग दावा कइल।(एह बात पर बिबाद भइल कि इनके जरावल जाय कि दफन कइल जाव)।

कृतियां

धर्मदास उनके वाणी क संग्रह " बीजक " नाम के ग्रंथ मे कइन जेकर तीन मुख्य भाग ह: साखी , सबद (पद), रमैनी

  • साखी: संस्कृत ' साक्षी , शब्द क बिगड़ल रूप ह आ धर्मोपदेश के अर्थ में प्रयोग भयल ह। अधिक साखियां दोहे में लिखल गयल ह पर ओम्में सोरठा क भी प्रयोग मिलल ह। कबीर क शिक्षा और सिद्धांत क निरूपण अधिकतर साखी में भयल ह।
  • सबद गेय पद ह जेम्मा पूरी तरह संगीतात्मकता विद्यमान ह। एम्में उपदेशात्मकता के स्थान पर भावावेश क प्रधानता ह; काहें से कि एम्में कबीर के प्रेम आ अंतरंग साधना क अभिव्यक्ति भइल ह।
  • रमैनी चौपाई छंद में लिखल गयल ह एम्में कबीर के रहस्यवादी आ दार्शनिक विचारन के बतावल गयल ह।
कबीर: भारतीय संत, रहस्यवादी आ कवी (1398-1494) 
Kabir-stamp-370x630


संदर्भ

Tags:

कविगुरु ग्रंथ साहिबबनारस

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

नमामि गंगेरामसर कन्वेंशनग्रेट लेक्सइंटरनेटउत्तराखंडआयनमंडलस्कार्लेट जोहानसनवैदिक कालट्रिपल सीमौर्य साम्राज्यनरेंद्र मोदीभागलपुर जिलापृथ्वीभारतीय नेवीगुरु गोबिंद सिंह इन्द्रप्रस्थ विश्वविद्यालयफर्स्ट पास्ट द पोस्टअफ़ग़ानिस्तान2024ऋचा पल्लोदकुवैतचंद्रमा आधारित कैलेंडरकेसर के पौधाकारसमाजचुआर विद्रोहगूगल क्रोमभारतीय संस्कृतिटोकियोबिहारी भाषाकृष्णा नदीवृंदावनअलेक्जेंडर कनिंघमइंस्टाग्रामअटल बिहारी वाजपेयीमहाराजगंज, बिहारपुणेकर्नाटकवेदगाँवयांदेक्सचीताबियफेमंगल ग्रहएशियाभोलाक्वार्ट्जग्रहसिंधु नदीअमरनाथ गुफा मंदिरमीरा कुमारविष्णुपद मंदिरभारत छोड़ो आंदोलनमुंबईभूलेखकजाकिस्तानमच्छरस्पेनदुबईबनारस कैंट रेलवे स्टेशनएक्सएनएक्सएक्समैक्सिकोभारत के सीमाएसिडसनातनीकुतुबनुमाबिहार कृषि विश्वविद्यालयभोजपुरी साहित्यशंकरगढ़सावनजयप्रकाश नारायणपरभणी जिलाजीएसएलवीजहाँगीरभाबरस्पून्स सेक्स पोजीशन🡆 More