राहुल गांधी: भारतीय राजनीतिक नेता

राहुल गांधी (जनम 19 जून 1970) एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाने। राहुल गांधी भारतीय संसद के सदस्य रह चुकल बाड़ें, जे लोकसभा में अमेठी, उत्तर प्रदेश आ वायनाड, केरल के क्षेत्र सभ के प्रतिनिधित्व कइलें। ऊ मुख्य विपक्षी पार्टी भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के सदस्य हवें आ दिसंबर 2017 से जुलाई 2019 ले पार्टी के अध्यक्ष रहलें। भारतीय युवा कांग्रेस, भारतीय राष्ट्रीय छात्र संघ के अध्यक्ष आ राजीव गांधी फाउंडेशन के ट्रस्टी हवें आ राजीव गांधी धर्मादा ट्रस्टवो के ट्रस्टी बाने।

राहुल गांधी
सांसद, लोक सभा
कार्यकाल
23 मई 2019 – 23 मार्च 2023
इनसे पहिलेएम. आई. षणवास
इनके बादघोषित होखल बाकी
सीटवायनाड, केरल
कार्यकाल
17 मई 2004 – 23 मई 2019
इनसे पहिलेसोनिया गांधी
इनके बादस्मृति ईरानी
सीटअमेठी, उ.प्र.
भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के अध्यक्ष
कार्यकाल
16 दिसंबर 2017 – 10 अगस्त 2019
इनसे पहिलेसोनिया गांधी
इनके बादसोनिया गांधी
भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के उपाध्यक्ष
कार्यकाल
19 जनवरी 2013 – 16 दिसंबर 2017
राष्ट्रपतिसोनिया गांधी
इनसे पहिलेपद अस्थापित
इनके बादपद समाप्त
भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के जनरल सेक्रेटरी
कार्यकाल
25 सितंबर 2007 – 19 जनवरी 2013
राष्ट्रपतिसोनिया गांधी
भारतीय युवा कांग्रेस के अध्यक्ष
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
25 सितंबर 2007
इनसे पहिलेपद अस्थापित
एनएसयूआई के अध्यक्ष
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
25 सितंबर 2007
इनसे पहिलेपद अस्थापित
निजी जानकारी
जनम (1970-06-19) 19 जून 1970 (उमिर 53)
नई दिल्ली, भारत
राजनीतिक पार्टीभारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस
माई-बाबूजीराजीव गांधी (बाबूजी)
सोनिया गांधी (महतारी)
पढ़ाई
  • रॉलिन्स कॉलेज
    (बैचेलर ऑफ आर्ट्स)
  • ट्रिनिटी कॉलेज, कैंब्रिज
    (मास्टर ऑफ फिलासफी)
दस्खतराहुल गांधी: भारतीय राजनीतिक नेता
वेबसाइटOfficial website

गाँधी, सोनिया गांधीराजीव गांधी के लइका हवें। नई दिल्ली में जनमल गांधी के शुरुआती बचपन दिल्लीदेहरादून के बीच बीतल आ बचपन आ शुरुआती जवानी के बहुत समय ले ई सार्वजनिक क्षेत्र से दूर रहलें। प्राइमरी के पढ़ाई नई दिल्ली अउरी देहरादून में भइल लेकिन बाद में सुरक्षा के चिंता के चलते घरहीं पढ़ाई भइल। हार्वर्ड विश्वविद्यालय में जाए से पहिले ऊ सेंट स्टीफन कॉलेज से स्नातक के कैरियर शुरू कइलें। बाद में इनकर बाबूजी दिवंगत प्रधानमंत्री राजीव गांधी के हत्या के बाद सुरक्षा के खतरा के चलते उनुकर तबादला फ्लोरिडा के रोलिंस कॉलेज में हो गइल, जहँवाँ से उ 1994 में स्नातक भइलें। अगिला साल उ कैंब्रिज से एम.फिल. कइलें। ग्रेजुएशन के बाद ऊ लंदन के एगो मैनेजमेंट कंसल्टिंग फर्म मॉनिटर ग्रुप से आपन प्रोफेशनल कैरियर शुरू कइलें। जल्दिये उ भारत लवट के मुंबई के टेक्नोलॉजी आउटसोर्सिंग फर्म बैकॉप्स सर्विसेज प्राइवेट लिमिटेड के स्थापना कइलें।

2004 में गांधी सक्रिय राजनीति में आवे के घोषणा कइलें आ ओह साल भइल आम चुनाव में अमेठी से सफलतापूर्वक लड़लें, ई सीट पहिले उनके पिता के लगे रहल; ऊ 2009 आ 2014 में एह क्षेत्र से जीत हासिल कइलें आ पार्टी के राजनीति आ राष्ट्रीय सरकार में अधिका से अधिका शामिल होखे खातिर कांग्रेस पार्टी के दिग्गजन के आह्वान का बीच 2013 में कांग्रेस के उपाध्यक्ष चुनल गइलें आ एहसे पहिले महासचिव (जनरल सेक्रेटरी) के रूप में काम कइलें। ऊ 2014 के भारतीय आम चुनाव में कांग्रेस के प्रचार के नेतृत्व कइलें; पार्टी के इतिहास में एह में सबसे खराब चुनावी नतीजा मिलल, कांग्रेस एह चुनाव में बस 44 सीट जीत पवलस जबकि 2009 के आम चुनाव में एकरा से पहिले 206 सीट जीतल रहे। साल 2017 में उ अपना महतारी के बाद कांग्रेस पार्टी के नेता बनले अउरी पार्टी के 2019 के भारतीय आम चुनाव में ले गइलें। पार्टी के 52 सीट मिलल, जवना से विपक्ष के नेता के पद प दावा करे खाती जरुरी 10% सीट ना मिल पावल। चुनाव में ए खराब प्रदर्शन के बाद उ पार्टी के नेता के पद से इस्तीफा दे देले अउरी उनुका बाद उनुकर महतारी सोनिया गांधी पार्टी के नेता बनली।

संदर्भ

Tags:

भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

मैथ्यू अर्नाल्डमगध प्रमंडलझारखंडनर्मदा नदीपाकिस्तान के भूगोलप्रादेशिक भूगोलरिसर्च मेथोडोलॉजीहुगली नदीआइवरी कोस्टअल्बर्ट आइंस्टीनमनोज तिवारीभूमध्य सागरपोर्न फिलिमबाघशरावती नदीमाइकल जैक्सनछतरपुर मंदिररबींद्रनाथ टैगोरसंज्ञा के भेदअंकगणितकिली पॉलबिहार के अनुमंडल सभमाहेश्वर सूत्रजन गण मनकंगना राणावतपुर्तगालसिक्किमसल्वाडोर डालीसनी लियोनीघुमंतू लोगस्पेनिश भाषाकोल्ड ड्रिंकझरनापटना कॉलेजवेंकैया नायडूचारमीनारगोपालगंज जिलाजानवरडिग्री (कोण)उत्तर प्रदेश के नाचभूटानमिस्रपृथ्वीपहाड़ीसिवान जिलाआदित्यनाथधौलागिरिपड़रौनाबनारसकृष्णअरावलीटाइम जोनयांदेक्सशुकचट्टानअताउल्लाह ख़ानऑक्सीजनरसगुल्लाविटामिनगरमी (सीजन)गंगोत्री हिमानी2015 क्रिकेट विश्व कपभोजपुरी लोकगीतभागीरथीमिया खलीफापनामा नहरदेवनागरीऑपरेटिंग सिस्टमराकस तालगुलाबगंगा नदी बेसिनराहुल गांधीकर्क रेखाअंटार्कटिका🡆 More