पानी

पानी (H2O) बिना रंग, बिना गंध आ बिना स्वाद के अईसन एगो पदार्थ जौन आमतौर पर पृथ्वी पर नदी, झील, ताल, तालाब, आ समुद्र में तरल रूप में मिलेला, बरखा की रूप में आसमान से बरिसे ला आ बर्फ़ की रूप में ठोस अवस्था में पावल जाला, एगो बहुत महत्व वाला पदार्थ हवे। पानी अगर ना रहित त पृथ्वी पर जिन्दगी के शुरुआत न भइल रहित। ज्यादातर जीव सब की कोशिका में कोशिका द्रव्य की रूप में पावल जाला आ जीवन खातिर बहुत जरूरी मानल जाला।

नहर में बहत पानी
एगो नहर में बहत पानी

पानी की एगो अणु में ऑक्सीजन के एगो आ हाइड्रोजन के दू गो परमाणु होला। पृथ्वी के लगभग 71% सतह पानी से तोपाइल बाटे। पृथ्वी पर कुल पानी के 96.5% पानी समुद्र की रूप में बाटे, 1.7% जमीनी पानी 1.7% ग्लेशियर आ बर्फीली टोपी की रूप में, आ ख़ाली 0.001% पानी हवा में भाप, बादर आ बरखा के रूप लेवे वाला बाटे। खाली 2.5% पानी साफ पानी बाटे, एहू के 98% बरफ आ पातालीय जल की रूप में बाटे। 0.3% से भी कम साफ पानी के मात्रा नदी, झील आ आकाश में बाटे आ बहुत मामूली मात्रा (0.003%) में सजीव जीवधारी सब में स्थित बाटे।

आदमी खातिर पानी के बहुत उपयोग बाटे। रोज की जीवन में पिये वाला पानी से ले के खेत में सिंचनी करे खातिर, उद्योग सब में इस्तेमाल खातिर, पानी में जहाज चला के यातायात आ आवागमन खातिर, अइसन बहुत सारा सीधा उपयोग वाली चीज बा सब जेवन मनुष्य की जीवन खातिर जरूरी भ लाभदायक बाटे।

पानी का जीवन खातिर महत्व एही बात से बूझल जा सकत बाटे की बैज्ञानिक लोग कौनों दुसरा ग्रह या आसमानी चीज पर जिनगी के होखला के खोज करे खातिर सभसे पहिले ईहे खोजे के कोसिस करे ला की उहाँ पानी मिलत बाटे की नाहीं।

एही सब इस्तेमाल की चलते पानी एगो महत्व वाला संसाधन हवे। एकर रखरखाव आ मैनेजमेंट कई कारण से बहुत जरूरी बाटे काहें से कि आजकाल प्रदूषण आ कमी की चलते एकर महत्व बहुत बढ़ गइल बाटे।

इहो देखल जाय

संदर्भ

बाहरी कड़ी

Tags:

झीलनदीबरखासमुद्र

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

रवीना टंडनकाशी विश्वनाथ मंदिरमाइकल जैक्सनअकबरकंचनजंघावीडियो ऑन डिमांडपथरियाभारतीय मसाला सभ के लिस्टबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टजनपदमच्छरनागवासुकी मंदिर, इलाहाबादब्राज़ीलभोजपुरी लोकगीतमैदानसोशल मीडियाकौशांबीममता बनर्जीइस्कान मंदिर, दिल्लीहुगली नदीकाला सागरसुरुजट्रांस हिमालयभौतिक भूगोलज्योतिर्लिंगरासायनिक पदार्थमोहम्मद अली जिन्नालालू प्रसाद यादवसमाजभारतीय राज्यन के वर्तमान मुख्यमंत्री लोग के लिस्टबोरॉनबांग्लादेशतिब्बत के पठारताजमहलकर्णाली प्रदेशकमला नदीनेशनल हाइवे 27आमिर खानअमरकंटकसर्वेनई दिल्ली रेलवे स्टेशनमणिपुरी भाषानासाकावेरी नदीआदि पराशक्तिलखनऊपटना नगर निगमएचटीटीपी कुकीझारखंडसंस्कृतिगोलार्धशिवाजीस्टार उत्सवजन गण मनमेघाअरावलीशाही पुलजापानचायरोमानियाइसरोमुहम्मदनिर्मलीइंडस्ट्रीटाइम जोनअलीगढ़ मंडलस्टेपबनारस के घाटतारारैदासनाटो के सदस्य देशराज्यसभास्वीडनविष्णुमेगस्थनीज2023 आईपीएल🡆 More