कोविड-19

कोविड-19 अंग्रेजी में कोरोनावायरस डिसीज 2019 के छोट रूप हवे। ई बेमारी वायरस के इन्फेक्शन से होखे वाली बेमारी बाटे जे सार्स कोव 2 वायरस के चलते हो रहल बा। एह बेमारी के सुरुआत चीन से 2019 में भइल आ हाल में ई 2019–20 कोरोना वाइरस प्रकोप के रूप ले चुकल बाटे। एकरे आम लच्छन सभ में बोखार, खोंखी (खाँसी), आ साँस लेवे में तकलीफ सामिल बाटे जबकि देह दर्द आ नाक बहल अउरी गला के दरद कम पावल जाए वाला लच्छन बाड़ें। जादेतर केस सभ में ई लच्छन बहुत जोरदार ना मिलत बाड़ें, कुछे दसा में ई लच्छन निमोनिया तक चहुँपत बाड़ें या फिर कौनों अंग या अंग सभ के फेल होखे तक के नौबत आवत बा। चिन्हित केस सभ के तुलना में मौत होखे के एस्टीमेट 1% से 5% बाटे हालाँकि ई उमिर आ पहले से सेहत के स्थिति अनुसार बदल सके ला।

कोरोनावायरस बेमारी 2019
(कोविड-19)
दूसर नाँव
  • 2019-nCoV acute respiratory disease
  • Novel coronavirus pneumonia
कोविड-19
SARS-CoV-2 वायरस के माइक्रोस्कोप से लिहल तस्वीर।
उच्चारण
मेडिकल ब्रांचसाँस के सिस्टम के एक्यूट इन्फेक्शन
लच्छनबोखार, खोंखी, साँस लेवे में तकलीफ
रोग बिगड़ले परवायरल निमोनिया, किडनी फेल
कारनSARS-CoV-2
जाँच के तरीकाrRT-PCR टेस्टिंग, इम्यूनॉसी, सीटी स्कैन
रोकथामहाथ धोवल, खांसी से बचाव, बेमार लोगन से दूरी राखल
इलाजलच्छन अनुसार आ शरीर के मजबूती देवे वाला इलाज

इन्फेक्शन के एक ब्यक्ति से दुसरे ब्यक्ति ले पहुँचे के खाँसी आ छींक के दौरान निकले वाला महीन बुनकी सभ बा। वायरस के शरीर में प्रवेश आ बेमारी के लच्छन जाहिर होखल सुरू होखे के बीचा में 2 से 14 दिन के समय लागत बा जबकि औसतन ई समय 5 दिन के बाटे। एकरे जाँच के स्टैंडर्ड तरीका रिवर्स ट्रान्सक्रिप्शन पॉलिमेरसे चेन रिएक्शन (rRT-PCR) बाटे जेह में नाक चाहे गला में से पानी या कफ के परीक्षण होला। खून के सीरम के नमूना ले के ओहमें एंटीबाडी सभ के गिनती भी एकरे जाँच आ पहिचान खाती इस्तेमाल हो सके ला। लच्छन सभके पहिचान, रिस्क फैक्टर आ छाती के सीटी स्कैन भी एकरे जाँच में सामिल बा अगर निमोनिया के शंका होखे।

एह बेमारी से बचाव के तरीका में उचित तरीका से हाथ धो के साफ रखल, दुसरे लोगन से दूरी बना के रहल आ बिना हाथ धोवले आपन चेहरा न छुवे के बतावल गइल बा। मास्क के इस्तेमाल ओह लोगन के सुझावल गइल बा जेकरा ई महसूस होखे कि ओकरा ई वायरस लाग चुकल बाटे चाहे अइसन ब्यक्ति के इलाज आ परिचार करे वाला लोग के ई सलाह दिहल गइल बा बाकी आम जनता के मास्क के सलाह नइखे दिहल गइल। अभिन ले एकरे खातिर कौनों टीका (वैक्सीन) के खोज नइखे भइल आ COVID-19 खाती बिसेस रूप से कौनों दवाई आ इलाज नइखे खोजल जा सकल; लच्छन सभ के इलाज, शरीर के मजबूती देवे वाला इलाज आ कुछ एक्सपेरिमेंटल तरीका इस्तेमाल हो रहल बाड़ें।

बिस्व स्वास्थ संगठन (WHO) एह 2019–20 कोरोनावायरस प्रकोप के महामारी आ इंटरनेशनल चिंता के पब्लिक सेहत इमरजेंसी (PHEIC) घोषित क दिहले बाटे। कई देस सभ में बेमारी के लोकल फइलाव के परमान मिलल बाड़ें जेह में डब्लूएचओ के छहो क्षेत्र सभ के देस सामिल बाड़ें।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

2019–20 कोरोना वाइरस प्रकोप

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

बिस्मिल्ला ख़ाँछपराराकस तालकाशी विश्वनाथ मंदिरहुगली नदीजंतर मंतर, दिल्लीप्रकृतिराइन नदीहेरोडोटसजवाहरलाल नेहरूइलाहाबादऔरतभारत क मुख्य नदी सभसुनसरी जिलानील नदीअहिंसाखेसारी लाल यादवफ्रांसीसी क्रांतिसोडियमपर्यावरणी गिरावटफ्रांसीसी भाषामदन मोहन मालवीयलाल किलासंस्कृतिअनिल चौहानधर्मशाला, हिमाचल प्रदेशकिली पॉलजया प्रदाराहुल सांकृत्यायनझंडासोनाक्षी सिन्हापटना कॉलेजरसगुल्लाराजेश खन्नाहजारी प्रसाद द्विवेदीकुक्कुरमाधुरी दीक्षितवेबसाइटउत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्टरवीना टंडनरोगमहादीपसंसाधन भूगोलबरफहनुमान चालीसावैदिक कालद्वारिकाधीश मंदिरमहतारीलालू प्रसाद यादवसुंदरलाल बहुगुणामैक्सिकोगुलाबश्रुति हासनमकर रेखातेलंगानाअबू धाबीचंद्रगुप्त मौर्यकन्हैया कुमारज्योतिर्लिंगअशोककारकुआरकामदेवछठइंस्टाग्रामवाल्मीकि नेशनल पार्कभारत के सीमाइंटरनेटराजेंद्र प्रसादशुभी शर्मामहुआ टीवीसंघवादकमला नदीमंगल ग्रह🡆 More