अंटार्कटिका: दक्खिनी ध्रुव के महादीप

अंटार्कटिका या अंटार्टिका (Antarctica /æntˈɑːrktɪkə/ ( सुनल जाय) या /æntˈɑːrtɪkə/) पृथ्वी के सभसे दक्खिनी महादीप बा, जेवना पर दक्खिनी ध्रुव स्थित बाटे। ई लगभग पूरा का पूरा अंटार्कटिक वृत्त की दक्खिन ओर स्थित बाटे आ चारों ओर से दक्खिनी महासागर से घेराइल बाटे। ई दुनियाँ के पाँचवा सभसे बड़हन महादीप हवे आ क्रम से एशिया, अफिरका, उत्तरी अमेरिका आ दक्खिनी अमेरिका की बाद आवेला। एकर कुल एरिया 140 लाख बर्ग किलोमीटर बाटे। एकर 98% हिस्सा बरफ से तोपाइल रहेला जौना के औसत मोटाई 1.9 किलोमीटर बा।

अंटार्कटिका
This map uses an orthographic projection, near-polar aspect. The South Pole is near the center, where longitudinal lines converge.
क्षेत्रफल14,000,000 किमी2 (5,400,000 वर्ग मील)
जनसंख्या1,106
जनघनत्व0.00008/किमी2 (0.0002/बर्गमील)
निवासी-नाँवअंटार्कटिक
देस सभ0
इंटरनेट टीएलडी.aq
बड़हन शहरअंटार्कटिका के रिसर्च इस्टेशन

अंटार्कटिका दुनिया के सभसे ठंढा, सूखा आ सभसे तेज हवा वाला महादीप ह आ एकर औसत ऊँचाई बाकी कुल महादीपन ले ढेर बाटे। अंटार्कटिका में वर्षण बहुत कम होला आ खाली किनारा वाला इलाका में होला एही से एके रेगिस्तान मानल जाला। इहाँ के तापमान −89 °C (−129 °F) ले रेकार्ड कइल जा चुकल बाटे। इहाँ खराब मौसम दशा की कारण केहू आदमी हमेशा खातिर नइखे बसल आ खाली बैज्ञानिक रिसर्च करे खातिर इहाँ लोग रहेला। इहाँ की जीव बिबिधता में गिनावल जाय त कुछ एल्गी, बैक्टीरिया, फंगस, पौधा आ कुछ बहुत छोट जानवर जइसे कि दीमक, नेमाटोड आ पेंग्विन पावल जालें। जहाँ कहीं बनस्पति मिलेला ऊ टुंड्रा प्रकार के होला।

ए महादीप के खोज सभसे पहिले एगो रूसी अभियान में फैबियन बेलिंग्सहॉउसेन (Fabian Gottlieb von Bellingshausen) आ मिखाइल लाजरेव (Mikhail Lazarev) नाँव के अभियानी लोग सन् 1820 में कइल।

अंटार्कटिका अंतर्राष्ट्रीय क़ानून की अन्दर कौनों एगो देस के संपत्ति ना हवे आ एकर खाली रिसर्च आ ज्ञान बिग्यान खातिर देस सभ उपयोग करे ला। अंटार्कटिका समझौता (Antarctic Treaty System) सन् 1959 में साइन भइल रहे आ ई कौनों तरह के मलेटरी गतिविधि आ परमाणु बिस्फोट या परमाणु कचरा के फेंकले के पुरा प्रतिबन्ध लगावेला। समझौता पर अबले कुल 50 गो देस दस्खत कइ चुकल बाड़ें जौना में भारत भी बाटे।

टिप्पणी

संदर्भ

Tags:

En-us-Antarctica.oggअफिरकाउत्तरी अमेरिकाएशियाचित्र:En-us-Antarctica.oggदक्खिनी अमेरिकादक्खिनी महासागरपृथ्वीमदद:IPA/Englishमहादीप

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

यूनानग्रेट लेक्सचकोरसतुआनभूटानकंचनपुर जिलाबनारस कैंट रेलवे स्टेशनभारतीय मानक समयउत्तर प्रदेश के नाचनेपालमैनाभारतीय शास्त्रीय भाषाकलमभीमराव अंबेडकरवर्ग किलोमीटरपवन सिंहबिहार के जिला सभ के लिस्टकुल्फी कुमार बाजेवालारामभद्राचार्यअंटार्कटिकाचंपारन सत्याग्रहसवानामनोज तिवारीपबजीऊटीहिल्डेगार्ड ऑफ बिन्जेनकॉपीराइटसुनसरी जिलाभतुआ पागपटना जंक्शनबबीना, उत्तर प्रदेशभिखारी ठाकुरकाजीरंगा नेशनल पार्कभारतीय नेवीसर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनइकोलॉजीगजपुरनाकाराकोरम दर्रामांसपेशीभारतीय संविधानकाशी विद्यापीठअबू धाबीनागवासुकी मंदिर, इलाहाबादकालीकोट जिलागौतम बुद्धकेसर के पौधापौधालालू प्रसाद यादवयूरेथ्राकैस्पियन सागरग्लेशियरगौतम अडानीबाड़मेर जिलाछपरालाल किलावुडरो विल्सनमंगलयानबिहटासिंधु जल समझौताहजारी प्रसाद द्विवेदीगंगा मैया तोहें पियरी चढ़ैबोरबींद्रनाथ टैगोरइलाहाबाद के संधिक़तरहंगरीगोलघरफुटबालमध्य प्रदेश के जिला सभ के लिस्टस्टेपबाणभट्टविष्णुनेटफ्लिक्सभेलीलियो टालस्टायराम मंदिर, अयोध्याअगुंबेफोटोग्राफी🡆 More