ताइवान: एशिया के एगो देस

ताइवान चाहे चीन गणराज्य (रिपब्लिक ऑफ चाइना) पूर्ब एशिया में एगो राज्य बा जेकरे पच्छिम आ उत्तर में चीन (पीआरसी), उत्तर पूरुब में जापान आ दक्खिन में फिलिपींस पड़ोसी देस बाने। ई यूनाइटेड नेशंस के सदस्य देस ना हवे आ अइसन सभसे ढेर जनसंख्या वाला राज्य हवे जे यूनाइटेड नेशंस में शामिल ना बा।

ताइवान: एशिया के एगो देस
चीन रिपब्लिक (ताइवान)

एह राजनीतिक इकाई में ताइवान दीप, पेंगबु, किंमेन, मात्सु आ अवरू छोट-छोट द्वीप शामिल बाड़न जौन चीन के मुख्य भूमी से दूर के पूर्वी तट पर स्थित बाने। ताइवान दीप के पहिले फारमूसा कहल जाय, 17वीं-सदी से पहिले लोकल मूल निवासी लोग दुआरा आबाद रहे। जब एह दीप पर डच आ स्पेनी लोग पहुँचल, सतरहवीं सदी के बाद इहाँ हान लोग के आवे में भारी बढ़ती भइल। एकरा बाद ई दीप किंग बंस के सासन में आइल जे चीन के अंतिम राजशाही रहल। एह बंस के शासक लोग जापान से भइल एगो जुद्ध में एह दीप के जापान के दे दिहलें। एकरा बाद चीन के मुख्य जमीन पर रिपब्लिक ऑफ चाइना (आरओसी) के स्थापना भइल; मने राजशाही खतम क के लोग के सासन वाली सरकार बनल। बाद में आरओसी एह दीप के जापान के कब्ज़ा से छोड़ा लिहलस लेकिन मुख्य जमीन पर चीन के क्रांति भइल आ सत्ता पीपल्स रिपब्लिक ऑफ चाइना, यानी के चीन (पीआरसी) के हाथ में चल गइल आ एह दीप पर चीनी रिपब्लिक के सासन बचल। ई 1971 ले यूनाइटेड नेशंस के सदस्य रहे आ एकरे बाद ई बाहर हो गइल आ चीन (पीआरसी) सामिल क लिहल गइल।

संदर्भ

Tags:

चीनजापानपूर्ब एशियाफिलिपींस

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

रवांडासोन नदीअबू धाबीमानगो (जमशेदपुर)बुरुंडीअमेजन (कंपनी)युगांडालाइफ ओके1974तुलसीदासहजारी प्रसाद द्विवेदीचायलाल चंदनकबीरहैदराबादअनिल चौहानमहासागरउत्तर प्रदेश के मंडल सभ के लिस्टसतुआनउत्तराखंडबेबिंकाबरौनी रिफाइनरीवुडरो विल्सनभारत क मुख्य नदी सभपोर्नोग्राफीआलिया भट्टनाटो के सदस्य देशदेवनागरीतारीखी शेरशाहीमैक्सिकोप्रकृतिअमर्त्य सेनभारतीय राज्यन के वर्तमान गवर्नर लोगन के लिस्टपर्यावरणी गिरावटबुध (ग्रह)अगहनअफ़ग़ानिस्तानसोडियममहादेवी वर्माअताउल्लाह ख़ानआईएसबीएनकुल्फी कुमार बाजेवालामाधुरी दीक्षितगंगा नदीमोइन उल हक स्टेडियमकामदेवरबींद्रनाथ टैगोरपच्छिमी जर्मनिक भाषाभारतीय संविधानचंडीगढ़मेहराबभिखारी ठाकुरमानव भूगोलमौर्य साम्राज्यभीमराव अंबेडकररवि किशनमैनाबिपिन रावतसत्यनारायण कथामनोरंजनबुर्ज खलीफासामाजिक भूगोलकजाकिस्तानईशा गुप्तागाँवजानवरहवा क्वालिटी इंडेक्सअंडोरागोरखपुर चिड़ियाघरवाल्मीकि नेशनल पार्कद्रौपदी मुर्मूभतुआ पागकाल्डेराबोधगया🡆 More