बिपिन रावत

जनरल बिपिनसिंह रावत पीवीएसएम, यूवाईएसएम, एवीएसएम, वाईएसएम, एसएम, वीएसएम, एडीसी (16 मार्च 1958 — 8 दिसंबर 2021) भारत के पहिला चीफ ऑफ डिफेंस स्टाफ (सीडीएस) रहलें; उ 1 जनवरी 2020 के रक्षा प्रमुख के पद के प्रभार पर रहलें। एकरा से पहिले उ 31 दिसंबर 2016 से 31 दिसंबर 2019 तक भारतीय सेना के प्रमुख के पद प रहले।

जनरल
बिपिन रावत
PVSM, UYSM, AVSM, YSM, SM, VSM, ADC
बिपिन रावत
2020 में जनरल रावत
Born(1958-03-16)मार्च 16, 1958
गढ़वाल, उत्तर प्रदेश (वर्तमान में पौड़ी गढ़वाल, उत्तराखंड)
Died8 दिसंबर 2021(2021-12-08) (उमिर 63)
कुन्नूर, तमिलनाडु, भारत
Allegianceभारत
Service/branchभारतीय थल सेना
Years of service16 दिसंबर 1978 – 8 दिसंबर 2021
Rankबिपिन रावत जनरल
Unit5/11गोरखा राइफल्स
Commands heldउप सेना प्रमुख,
बिपिन रावत दक्षिणी कमान भारत
IIIकोर
संयुक्त राष्ट्र शांति मिशन
कांगो लोकतान्त्रिक गणराज्य
19 इन्फैंट्री डिवीजन
5 सेक्टर राष्ट्रीय राइफल्स
इन्फैंट्री बटालियन, पूर्वी सेक्टर
Awardsबिपिन रावतपरम विशिष्ट सेवा पदक
बिपिन रावतउत्तम युद्ध सेवा पदक
बिपिन रावतअति विशिष्ट सेवा पदक
बिपिन रावतयुद्ध सेवा पदक
बिपिन रावतसेना पदक
बिपिन रावतविशिष्ट सेवा पदक
ऐड-डि-कैम्‍प
Spouse(s)मधुलिका रावत
बिपिन रावत
भारत के पहिला रक्षा प्रमुख
कार्यकाल
1 जनवरी 2020 - 8 - दिसंबर - 2021
राष्ट्रपतिरामनाथ कोविंद
प्रधानमंत्रीनरेंद्र मोदी
रक्षा मंत्रीराजनाथ सिंह
इनसे पहिलेपद बनावल गइल
इनके बादपद खाली
भारत के थलसेनाध्यक्ष, 26वाँ
कार्यकाल
31 दिसंबर 2016 - 31 दिसंबर 2019
इनसे पहिलेदलबीर सिंह सुहाग
इनके बादमनोज मुकुंद नरवणे
राष्ट्रपतिप्रणब मुखर्जी
रामनाथ कोविंद
प्रधानमंत्रीनरेंद्र मोदी
रक्षा मंत्रीनिर्मला सीतारमण
अरुण जेटली
मनोहर पर्रीकर

8 दिसंबर 2021 के जनरल रावत के एगो हेलीकाप्टर दुर्घटना में 63 बरिस के उमिर में निधन भ गइल।

शुरुआती जिनगी आ शिक्षा

बिपिन लक्ष्मण सिंह रावत के जनम 16 मार्च 1958 के उत्तर प्रदेश के गढ़वाल जिला के पौड़ी (वर्तमान में पौड़ी गढ़वाल जिला, उत्तराखंड) में भइल। उनकर परिवार कई पीढ़ी से भारतीय सेना में सेवारत रहे। उनकर पिता लक्ष्मण सिंह राजपूत पौड़ी गढ़वाल जिला के सैनजी गाँव के रहे वाला रहले आ लेफ्टिनेंट जनरल के रैंक से रिटायर भइल रहलें। उनकर महतारी उत्तरकाशी जिला के रहली आ किशन सिंह परमार के बेटी रहली जे उत्तरकाशी विधान सभा से विधायक रहली।

जनरल रावत आपन शुरुआती शिक्षा देहरादून के कैम्ब्रिन हॉल स्कूल आ शिमला के सेंट एडवर्ड स्कूल में कइलें। एकरा बाद उ खडकवासला में स्थित राष्ट्रीय रक्षा अकादमी में दाखिला लेले। एकरा बाद रावत भारतीय सैन्य अकादमी, देहरादून से प्रथम श्रेणी में स्नातक भइलें आ इहाँ के बेहतरीन प्रदर्शन खातिर तलवार के सम्मान से सम्मानित भइलें।

रावत वेलिंगटन के डिफेंस सर्विसेज स्टाफ कॉलेज से भी स्नातक कइलें आ 1997 में फोर्ट लीवनवर्थ, कैनसस में यूनाइटेड स्टेट्स आर्मी कमांड एंड जनरल स्टाफ कॉलेज से स्नातक कइलें। बाद में रावत मद्रास विश्वविद्यालय से रक्षा अध्ययन में एम.फिल. डिग्री हासिल कइलें आ प्रबंधन आ कंप्यूटर अध्ययन में डिप्लोमा भी कइलें। साल 2011 में मिलिट्री मीडिया स्टडीज के क्षेत्र में शोध खातिर चौधरी चरण सिंह विश्वविद्यालय से मानद पीएचडी से सम्मानित कइल गइल।

सेना में सेवा

जनरल रावत 1978 में 11वीं गोरखा राइफल्स के 5वीं बटालियन से आपन कैरियर शुरू कइलें।

  • जनवरी 1979 में, मिजोरम में सेना में पहिला नियुक्ति मिलल।
  • नेफा इलाका में तैनाती के दौरान उ बटालियन के कमान सम्हरले रहलें।
  • साथ ही कांगो में संयुक्त राष्ट्र शांति सेना के नेतृत्व भी कइलें।
  • 01 सितंबर 2016 के वाइस चीफ ऑफ आर्मी स्टाफ के पदभार सम्हरलें।
  • 31 दिसंबर 2016 के सेना प्रमुख के रैंक।
  • 01 जनवरी 2021 के रक्षा प्रमुख (भारत) के पद।
Awards and achievements
पहिले
केहुओ ना
रक्षा प्रमुख (सीडीएस)
1 जनवरी 2020 - 08 दिसंबर 2021
बाद में
कौनो घोषणा ना
पहिले
दलबीर सिंह सुहाग
सेनाध्यक्ष
31 दिसंबर 2016 - 31 दिसंबर 2020
बाद में
मनोज मुकुंद नरवणे
पहिले
मन मोहन सिंह राय
उपसेनाध्यक्ष
1 सितंबर 2016 - 31 दिसंबर 2016
बाद में
सरथ चंद
पहिले
अशोक सिंह
'जनरल ऑफिसर कमांडिंग - इन - चीफ, दक्षिणी कमान'
1 जनवरी 2016 - 31 जुलाई 2016
बाद में
पी एम हेरीज़
पहिले
एस एल नरसिम्हन
'जनरल ऑफिसर कमांडिंग तृतीय कोर'
1 सितंबर 2014 - 23 नवंबर 2015
बाद में
अभय कृष्ण

रक्षा प्रमुख के रूप में द्विपक्षीय यात्रा

देश तारीख माने सिफारिश
2017
नेपाल 28 — 31 मार्च
  • राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री आ रक्षा मंत्री के साथे द्विपक्षीय बतकही।
  • पोखरा आ मुक्तिनाथ के एगो उच्च ऊंचाई पर सैन्य युद्ध प्रशिक्षण केंद्र के दौरा कइलें
बांग्लादेश 31 मार्च — 2 अप्रैल
  • राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री आ सेना प्रमुख के साथे द्विपक्षीय बतकही।
  • बगरा में एगो पैदल सेना डिवीजन आ बख्तरबंद कोर के मुख्यालय के दौरा कइलें
भूटान 27 — 30 अप्रैल
  • भूटान के राजा के साथे
  • सदभावना यात्रा
देश
म्यांमार 28 — 31 मई
  • राज्य परामर्शदाता, केंद्रीय विदेश मंत्री, रक्षा सेवा के प्रधान सेनापति, रक्षा सेवा के उप प्रधान सेनापति अउरी सेना के प्रधान सेनापति के संगे द्विपक्षीय चर्चा।
  • नेशनल डिफेंस कॉलेज, ना पाई ताऊ आ डिफेंस सर्विसेज एकेडमी, पविन ओ लुइन के दौरा कइलें
देश
कजाकिस्तान 1-3 अगस्त
  • रक्षा मंत्री, राष्ट्रीय सुरक्षा समिति के अध्यक्ष, कजाकिस्तान के रक्षा मंत्री अउरी जमीनी सेना के प्रधान सेनापति के संगे द्विपक्षीय चर्चा।
  • एस्ता में एलिट एयर अस्सलट ब्रिगेड आ नेशनल डिफेंस यूनिवर्सिटी के दौरा कइलें
देश
तुर्कमेनिस्तान 4 — 5 अगस्त
  • रक्षा मंत्री आ राष्ट्रीय सुरक्षा परिषद के सचिव, पहिला उपमंत्री आ जनरल स्टाफ के प्रमुख, भूमि, नौसेना, वायु आ वायु रक्षा बल के कमांडरन से द्विपक्षीय बतकही
  • सैन्य संस्थान आ सैन्य अकादमी के दौरा कइलें
देश
2018
नेपाल 12 — 14 फरवरी
  • राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री के साथे द्विपक्षीय मुलाकात
  • नेपाल सेना सेना दिवस के मुख्य अतिथि

निधन

8 दिसंबर 2021 के भारतीय वायुसेना के मिल एमआई-17 हेलीकाप्टर पर जनरल रावत, उनकर मेहरारू आ उनकर निजी स्टाफ के अउरी सदस्य लोग समेत कुल 10 गो यात्री आ 4 गो चालक दल के सदस्य रहलें जे सुलुरू वायुसेना हवाई अड्डा से डिफेंस सर्विस स्टाफ़ कॉलेज, वेलिंगटन जात रहले जहाँ जनरल रावत के व्याख्यान देबे के रहे। स्थानीय समय के अनुसार रात के करीब 12:10 बजे नीलगिरी जिला के कुनूर तालुका के बंदिशोला ग्राम पंचायत में स्थित एगो निजी चाय के बगीचा के आवासीय कॉलोनी के नजदीक इ दुर्घटना भइल। दुर्घटना के जगह हेलीकाप्टर के उतरे वाला जगह से करीब 10 किलोमीटर दूर रहे। जनरल रावत — आ उनुकर पत्नी समेत 11 गो अउरी लोग के मौत के बाद में भारतीय वायुसेना के पुष्टि भइल। भारतीय वायुसेना के ग्रुप कप्तान वरुण सिंह एकमात्र दुर्घटना से बचे वाला ब्यक्ति रहलें। लेकिन कुछ दिन बाद उनहूँ के बेंगलुरु के मिलिट्री कमांड अस्पताल में मौत भ गइल। निधन के समय रावत के उमिर 63 साल रहे।

बियफे 10 दिसंबर के जनरल रावत के हिंदू संस्कारन के हिसाब से आ पूरा सैन्य सम्मान का साथे 17 बंदूकन के सलामी के साथे बरार चौक पर दाह संस्कार कइल गइल। दाह संस्कार के संस्कार उनुकर दुनो बेटी पूरा कइल लोग।

पुरस्कार आ सम्मान

उत्तम युद्ध सेवा पदक अति विशिष्ट सेवा पदक
युद्ध सेवा पदक सेना पदक विशिष्ट सेवा पदक
घाव पदक
सामान्य सेवा पदक
विशिष्ट सेवा पदक
ऑपरेशन पराक्रम पदक
सैन्य सेवा पदक
उच्च तुंगता सेवा पदक
विदेश सेवा पदक
आजादी की 50वीं वर्षगांठ पदक
30 वर्ष लमहर सेवा पदक
20 वर्ष लमहर सेवा पदक
9 वर्ष लमहर सेवा पदक
संयुक्त राष्ट्र शांतिस्थापन (मोनुस्को)

संदर्भ

Tags:

बिपिन रावत शुरुआती जिनगी आ शिक्षाबिपिन रावत सेना में सेवाबिपिन रावत रक्षा प्रमुख के रूप में द्विपक्षीय यात्राबिपिन रावत निधनबिपिन रावत पुरस्कार आ सम्मानबिपिन रावत संदर्भबिपिन रावतभारतीय सेना

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

लोकसभाढोला-सदिया पुलपहाड़ीगोदावरी नदीश्रुति हासनविष्णुमिस्रबिंबिसारसदाबहारजननी जन्मभूमिश्च स्वर्गादपि गरीयसीपाणिनिभोजपुरीआसामयूआरएलकोलंबिया पिक्चर्सरामनाथ कोविंदवेबसाइटइसरोमोहम्मद अली जिन्नाएरोसोलपौधाप्रियंका गांधीभारत के प्रशासनिक खंडग्रहनौतन ब्लाक, सिवानमैनाअमेरिकाकिली पॉलअवधतराईअंकगणितनेनुआस्टेपदिल्ली चिड़ियाघरभोलामीरा कुमारस्पून्स सेक्स पोजीशनरसड़ागंगा नदी बेसिनपृथ्वी के घूर्णनभूमिका चावलाआंध्र प्रदेशआलूमहावीरअंटार्कटिकावैनगंगा नदीदक्कन पठारप्रादेशिक भूगोलमैथ्यू अर्नाल्डवात्स्यायनकुसुमी जंगलललित निबंधनेपाल के जिला सब के लिस्टनरेंद्र मोदी26 अप्रैलक्रिस गेलभारतीय राज्यन के वर्तमान मुख्यमंत्री लोग के लिस्टभारत के भूगोलकियारा आडवानीजमीनतारासिनेगॉगयुगांडासंस्कृत व्याकरणहिंदू धर्मचार धामबराबर गुफासभचट्टानपुराना नैनी पुलअलका याग्निकछेना के पानीधर्मो रक्षति रक्षितःबाणभट्टश्रीदेवीशिवदासपुर🡆 More