सदाबहार: फूल वाला पौधा के जाति

सदाबहार (अंग्रेजी आ बैज्ञानिक नाँव: Catharanthus, कैथेरेन्थस) फूलदार पौधा सभ के एगो जाति हवे। एह पौधा सभ में बारहों महीना फूल फुलालें जेकरा चलते इनहना के सदाबहार नाँव दिहल गइल हवे। एह फूल के कुल आठ गो प्रजाति पावल जालीं जिनहन में गुलाबी सदाबहार कैथेरेंथस रोस़स (Catharanthus roseus) बहुतायत से मिले ला। एह आठ गो प्रजाति सभ में से सात गो मैडागास्कर के मूल पौधा हवें जबकि एक ठो कैथेरेंथस पुसिलस (C.

pusillus) भारतश्रीलंका के मूल पौधा हवे। एकर अंग्रेजी नाँव यूनानी भाषा से आइल हवे जेकर अरथ "शुद्ध फूल" होला। बैज्ञानिक रूप से ई एपोसाइनेसी (Apocynaceae) परिवार के पौधा हवें जेह में विंका जाति के पौधा भी आवे लें। कैथेरेंथसविंका दुनों जाति के कई पौधा सभ के अंग्रेजी में आम नाँव पेरिविंकल से भी जानल जाला। खुद गुलाबी सदाबहार के पहिले विंका रोसस के नाँव से विंका जाति में रखल गइल रहे।

सदाबहार
सदाबहार: प्रजाति, गैलरी, इहो देखल जाय
गुलाबी सदाबहार
बैज्ञानिक वर्गीकरण
किंगडम: प्लांटाई
(बिना रैंक कइल): एंजियोस्पर्म्स
(बिना रैंक कइल): यूडिकोट्स
(बिना रैंक कइल): एस्टेराइड
ऑर्डर (Order): Gentianales
परिवार: Apocynaceae
उपपरिवार: Rauvolfioideae
जाति (Genus): Catharanthus
George Don
टाइप प्रजाति
Catharanthus roseus
(L.) G. Don.
अउरी दूसर नाँव
  • Ammocallis Small
  • Lochnera Rchb. ex Endl., illegitimate superfluous name

पौधा झाड़ीनुमा होला आ फूल पाँच पंखुरी वाला होलें।

इनहन में से कई प्रजाति सभ के जड़ी-बूटी के रूप में इस्तेमाल होला। आधुनिक बैदकी में भी इनहन के इस्तेमाल होला आ करीबन 130 किसिम के एल्केलाइड निकासल जालें जिनहन में दवाई के गुन होला।

प्रजाति

एह पौधा के कुल आठ गो प्रजाति पावल जाली:

  • Catharanthus coriaceus Markgr. – मैडागास्कर
  • Catharanthus lanceus (Bojer ex A.DC.) Pichon – मैडागास्कर
  • Catharanthus longifolius (Pichon) Pichon – मैडागास्कर
  • Catharanthus ovalis Markgr. – मैडागास्कर
  • Catharanthus pusillus (Murray) G.Don. – भारत, श्रीलंका, पच्छिमी हिमालय
  • Catharanthus roseus (L.) G.Don. – (अंग्रेजी नाँव: Madagascar periwinkle, old-maid, rosy periwinkle, pink periwinkle) – मैडागास्कर, इटली में प्राक्रितीकरण हो चुकल बा, दक्खिन एशिया, ऑस्ट्रेलिया, अमेरिका देस के दक्खिनी हिस्सा, मध्य अमेरिका क्षेत्र, भारत आ अउरी कई गो समुंद्री दीप सभ पर
  • Catharanthus scitulus (Pichon) Pichon – मैडागास्कर
  • Catharanthus trichophyllus (Baker) Pichon – मैडागास्कर, भारत में सदाबहार या बारहमासी के नाँव से जानल जाला

गैलरी

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

सदाबहार प्रजातिसदाबहार गैलरीसदाबहार इहो देखल जायसदाबहार संदर्भसदाबहार बाहरी कड़ीसदाबहार

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

ट्विटरसुरुजदि हिंदूअवधी भाषापटना कॉलेजहजारी प्रसाद द्विवेदीसंगमद्वारिकाधीश मंदिरमैरवाबांग्लादेशकलकत्ता विश्वविद्यालयमहावीरशिवाजीदुर्गा सप्तशतीझंझावातकेसर के पौधासुभाष चंद्र बोसकबीरऔरंगजेबमानव भूगोलशहरी भूगोलचायलैटिनपंजाबी भाषारोमइंडो-आर्यन भाषाटॉरनैडोसारनाथसलमान खानलद्दाखभैरो बाबारानी चटर्जीविकिपीडियामादा जननांगपूनम सिन्हाभोजपुरी खानाचंद्रशेखर आज़ाद रावणसैफ अली खाननेपाल के जिला सब के लिस्टसोनाक्षी सिन्हाबनारस हिंदू विश्वविद्यालयदुपहरियाजॉर्डनकंचनपुर जिलाकुंचिकल झरनाशतरंजवाट्सएपबिहाररमजानलीबियामिसीसिपी नदीपरिणीति चोपड़ावराहमिहिरकोसी नदीपोर्न फिलिमन्यूयॉर्क सिटीहिमालयबाबा धामएक्टरकारदुसरा बिस्व जुद्धपेयताजमहलजमानियामहात्मा गाँधी सेतुकलकत्तादवाई🡆 More