फारस के खाड़ी पच्छिमी एशिया में एगो समुंद्री हिस्सा बा जे लगभग चारों ओर से जमीन से घेराइल बाटे, पातर खा जलजोड़, हरमुज के जलजोड़ एकरा के हिंद महासागर (ओमान के खाड़ी) से जोड़े ला। एक तरह से कहल जा त ई हिंद महासागर के जमीनी इलाका के भीतर ले घुसल बिस्तार हवे जेकरे एक ओर अरब प्रायदीप बा आ दुसरे ओर ईरान (फारस)। एह खाड़ी के उत्तर पच्छिमी माथ पर शत अल अरब नदी आ के एह में आपन डेल्टा बनावे ले।
Persian Gulf خلیج فارس (फ़ारसी) | |
---|---|
लोकेशन | Western Asia |
प्रकार | Gulf |
आगम | Sea of Oman |
थाला के देस | Iran, Iraq, Kuwait, Saudi Arabia, Qatar, Bahrain, United Arab Emirates and Oman (exclave of Musandam) |
अधिकतम लंबाई | 989 किमी (615 मील) |
सतह क्षेत्र | 251,000 किमी2 (2.70×1012 वर्ग फु) |
औसत गहिराई | 50 मी (160 फीट) |
अधिकतम गहिराई | 90 मी (300 फीट) |
खाड़ी ईरान-ईराक जुद्ध के क्षेत्र रह चुकल बा, खाड़ी जुद्ध के दौरान ई पूरा तरीका से दुनिया के खातिर धियान के बिसय बनल रहे आ ईराक के कुवैत पर हमला एही खाड़ी में भइल। मुख्य रूप से ई इलाका पेट्रोलियम उत्पादन के क्षेत्र हवे आ एही कारण ई खाड़ी दुनिया खाती महत्व के बिसय हवे।
खाड़ी में भरपूर मूंगा के चट्टान, मछरी पकडे के इलाका आ मोती निकाले वाला इलाका बाड़ें। हालाँकि, एह खाड़ी के आसपास तेल निकाले, उद्योगीकरण आ जुद्ध वगैरह से एकरे प्राकृतिक इकोसिस्टम के बहुत नोकसान चहुँपल बाटे।
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article फारस के खाड़ी, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.