चंद्रयान-3: भारत के तिसरहा चंद्रमा खोजबीन मिशन

चंद्रयान-3 भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (ISRO) द्वारा चंद्रमा के खोजबीन करे खातिर भारत के तिसरहा मिशन हवे। एह मिशन में चंद्रयान-2 विक्रम लैंडर आ प्रज्ञान रोवर शामिल बाड़ें, बाकी एकरा में एह बेर ऑर्बिटर नइखे शामिल। एकर प्रोपल्शन मॉड्यूल कम्युनिकेशन रिले उपग्रह नियन बेहवार करी। प्रोपल्शन मॉड्यूल लैंडर आ रोवर कॉन्फिगरेशन के तब तक ले ले जाई जब ले कि अंतरिक्ष यान 100 किमी के चंद्र कक्षा में ना पहुँच जाई।

चंद्रयान-3
चंद्रयान-3: लांच, डिजाइन, औजार
चंद्रयान-3 इंटीग्रेटेड मॉड्यूल
मिशन प्रकार
  • लैंडर
  • रोवर
  • प्रोपल्शन मॉड्यूल
आपरेटरइसरो (ISRO)
वेबसाइटwww.isro.gov.in/Chandrayaan3_New.html
मिशन अवधि
  • प्रोपल्शन मॉड्यूल: ≤ 1 महीना (योजना)
    8 महीना आ 29 दिन
    (बीत चुकल)
  • विक्रम लैंडर: ≤ 14 दिन (योजना)
  • प्रज्ञान रोवर: ≤ 14 दिन (योजना)
अंतरिक्षबिमान लच्छन
सैटेलाईट बसचंद्रयान
निर्माताइसरो (ISRO)
लांच द्रब्यमान3900 किग्रा
पेलोड द्रब्यमानप्रोपल्शन मॉड्यूल: 2148 किग्रा
लैंडर मॉड्यूल (विक्रम): 1752 किग्रा जेह में रोवर (प्रज्ञान) 26 किग्रा सामिल बा
कुल: 3900 किग्रा
पावरप्रोपल्शन मॉड्यूल: 758 W लैंडर मॉड्यूल: 738W, WS जेकरा साथे बा बायस रोवर: 50W
मिशन सुरुआत
लांच तारीख14 July 2023 (2023-07-14) 14:35:17 IST, (9:05:17 UTC)
राकेटLVM3 M4
लांच के जगहसतीश धवन स्पेस सेंटर
ठीकेदारISRO
चंद्रमा लैंडर
अंतरिक्षबिमान कंपोनेंटरोवर
Landing date24 August 2023 (2023-08-24) 17:47 IST, (12:17 UTC)
Landing site69.367621 S, 32.348126 E

(between Manzinus C and Simpelius N craters)
चंद्रयान-3: लांच, डिजाइन, औजार
चंद्रयान-3 मिशन पैच
लूनर पोलर एक्सप्लोरेशन मिशन →

चंद्रयान 2 के लैंडर के चंद्रमा पर उतारत घरी आखिरी समय में एकरा गाइडेंस सॉफ्टवेयर में तकनीकी गड़बड़ी भइल रहल जेकरा चलते ई लैंडर सतह पर क्रैश भ गइल रहे। एही के बाद ई अगिला मिशन चंद्रयान 3 प्रस्तावित कइल गइल रहे।

चंद्रयान 3 के 14 जुलाई 2023 के 02:35 PM भारतीय समय (IST) पर लॉन्च कइल गइल। एकरे रोवर आ लैंडर के 23 अगस्त 2023 के चंद्रमा पर उतरे के समय निश्चित कइल गइल रहल। ई मिशन चंद्रमा के पहिला फोटो 7 अगस्त के भेजलस। कुछ समय ले रूसी मिशन लूना 25 से एकर हाराहूँसी लागल रहल की कवन चंद्रमा पर पहिले उतरी बाकी 19 अगस्त के रोसकोसमोस के लूना 25 चंद्रमा पर क्रैश क गइल रहल।

चंद्रयान-3 23 अगस्त 2023 के साँझ बेर 6:04 बजे चंद्रमा पर सफल सॉफ्ट लैंडिंग क लिहलस आ एह तरीका से भारत चंद्रमा के दक्खिनी ध्रुव इलाका में अइसन लैंडिंग करे वाला दुनियाँ के पहिला देस बन गइल।

लांच

चंद्रयान-3 के 14 जुलाई 2023 के निर्धारित समय के अनुसार दुपहरिया 2:35 बजे IST पर, भारत के आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा में सतीश धवन स्पेस सेंटर के सेकेंड लॉन्च पैड से लांच कइल गइल। एह अंतरिक्षबिमान के बढ़ियाँ ढंग से ओह ट्रैजेक्टरी में पहुँचावल गइल जवना में भ्रमण करत ई चंद्रमा पर चहुँपी। अनुमान बा कि चंद्रयान-3 मिशन 23 अगस्त के चंद्रमा के दक्खिन ध्रुव क्षेत्र पर सॉफ्ट लैंडिंग करी। अबहिन ले, चंद्रमा पर सॉफ्ट लैंडिंग करे के मोकाम खाली भर रूस, अमेरिका आ चीन के हासिल बाटे। चंद्रयान-3 के लॉन्चिंग खातिर जुलाई महीना बीछे के खास वजह इसरो के ओर से पृथ्वी अउरी चंद्रमा के नजदीकी के लेके एगो गणना कइल गइल गणना रहल।

डिजाइन

चंद्रयान-3 के डिजाइन में तीन गो मुख्य चीज सामिल बा:

प्रोपल्शन मॉड्यूल

प्रोपल्शन मॉड्यूल एकर ऊ हिस्सा हवे जे लैंडर अउरी रोवर के साजबाज के चंद्रमा के 100 किमी ऑर्बिट तक ले ले जाई। ई बक्सा नियर ढाँचा हवे जेह में एक ठो बड़हन सोलर पैनल एक ओर लगावल गइल बाटे आ ऊपर से एगो बड़हन सिलेंडर (इंटरमॉड्यूलर एडाप्टर कोन) लगावल गइल बा जे लैंडर खातिर माउंटिंग ढाँचा के काम करे ला। लैंडर के अलावा ई मॉड्यूल एगो अउरियो पेलोड ले के चले गइल बा जेकरा के स्पेक्ट्रो-पोलारिमेट्री ऑफ हैबिटेबल प्लैनेट अर्थ (SHAPE) नाँव दिहल गइल बाटे। ई नियर-इन्फ्रारेड (NIR) वेवलेंथ रेंज (1-1.7 μm) में चंद्रमा के ऑर्बिट से पृथ्वी के स्पेक्ट्रल आ पोलारिमेट्रिक नापजोख करी।

लैंडर

चंद्रमा पर सॉफ्ट लैंडिंग के जिम्मेदारी लैंडर मॉड्यूल के बाटे। ईहो एगो बक्सा नियर ढाँचा बाटे जवना में चार गो लैंडिंग लेग आ चार गो लैंडिंग थ्रस्टर 800-800 न्यूटन के लागल बाड़ें। एकरा में रोवर आ अउरी कई किसिम के बैज्ञानिक इक्विपमेंट बाड़ें जिनहन के मदद से इन-साइट एनालिसिस कइल जाई।


रोवर

चंद्रयान-3 रोवर के परिचय:

  • छव-चक्का डिजाइन
  • कुल वजन 26 किलोग्राम (57 पाउंड)
  • रेंज बाटे 500 मीटर (1,600 फीट)
  • डाइमेंशन: 917 मिलीमीटर (3.009 फीट) x 750 मिलीमीटर (2.46 फीट) x 397 मिलीमीटर (1.302 फीट)
  • बैज्ञानिक इंस्ट्रुमेंट जिनहन में कैमरा, स्पेक्ट्रोमीटर आ ड्रिल (बरमा) सामिल बाड़ें
  • सक्रियता के समय अवधि एक चंद्र दिन (14 पृथिवी दिन)
  • लैंडर आ भारत में मौजूद ग्राउंड कंट्रोल के साथे कम्युनिकेशन

चंद्रयान-3 के रोवर से उमेद बा की ई कई ठे साइंटिफिक खोज करी, जिन्हन में सामिल बा:

  • चंद्रमा के सतह के संघटन (कंपोजीशन)
  • चंद्रमा के सतह के माटी में बर्फ नुमा पानी के खोज
  • चंद्रमा पर पड़े वाला आघात (इम्पैक्ट) सभ के अध्ययन
  • चंद्रमा के वायुमंडल के अध्ययन आ एकर उत्पत्ती के इतिहास (इवोल्यूशन)

औजार

लांच

चंद्रयान-3: लांच, डिजाइन, औजार 
LVM3 M4, Chandrayaan-3 — Launch vehicle lifting off from the Second Launch Pad (SLP) of SDSC-SHAR, Sriharikota

चंद्रयान-3 के 14 जुलाई 2023 के, पहिले से निश्चित समय के अनुसार दुपहरिया 2:35 बजे IST पर, भारत के आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा में सतीश धवन स्पेस सेंटर सेकेंड लॉन्च पैड से लांच कइल गइल। एह अंतरिक्षबिमान के प्रभावी ढंग से ओह ट्रेजेक्टरी में चहुँपावल गइल बा जवना में यात्रा क के ई चंद्रमा ले जाई। अनुमान लगावल गइल बाटे कि चंद्रयान-3 मिशन 23 अगस्त के चंद्रमा के दक्खिन ध्रुव इलाका पर सॉफ्ट-लैंडिंग करी। ई चंद्रमा के दूर वाला साइड हवे, जेकरा के अन्हार वाला साइड भाषा डार्क साइड कहल जाला; अबहिन ले कौनों लैंडर एह इलाका में लैंड करे में सफल नइखे भ पवले।

चंद्रयान 3 के लॉन्चिंग खातिर जुलाई महीना के चुनल एगो खास कदम रहे काहे कि इसरो के ओर से पृथ्वी अउरी चंद्रमा के नजदीकी के लेके एगो खास गणना कइल गइल।

मिशन प्रोफाइल

चंद्रयान-3 के एनीमेशन
पृथिवी के चारो ओर – ऑर्बिट उठान
पृथिवी के चारो ओर
चंद्रमा के चारो ओर
       चंद्रयान-3 ·        पृथिवी ·        चंद्रमा

ऑर्बिट उठान आ स्टेशन रखरखाव

The satellite was launched aboard the LVM3-M4 rocket in the afternoon of 14 July 2023, at 2:35 pm IST to a EPO perigee of 170 किमी (106 मील). This will be followed by a series of orbit raising operations (using an on-board LAM and chemical thrusters) to place the satellite in the Trans-lunar injection orbit.

चंद्रयान-3: लांच, डिजाइन, औजार 
चंद्रयान-3 ऑर्बिटल मैनूवर
# तारीख/
टाइम (UTC)
एलएएम बर्न टाइम ऊँचाई हासिल ऑर्बिट काल हासिल संदर्भ
Apogee/Apolune Perigee/Perilune
पृथिवी से जुड़ल मैनूवर
1 15 जुलाई 2023 N/A 41,762 किमी (25,950 मील) 173 किमी (107 मील) N/A Success
2 17 जुलाई 2023 N/A 41,603 किमी (25,851 मील) 226 किमी (140 मील) N/A Success
3 18 जुलाई 2023 N/A 51,400 किमी (31,900 मील) 228 किमी (142 मील) N/A Success
4 20 जुलाई 2023 N/A 71,351 किमी (44,335 मील) 233 किमी (145 मील) N/A Success
5 25 जुलाई 2023 N/A 127,603 किमी (79,289 मील) 236 किमी (147 मील) N/A Success
ट्रांस लूनर इंटरजेक्शन
1 31 जुलाई 2023 N/A 369,328 किमी (229,490 मील) 288 किमी (179 मील) N/A Success
चंद्रमा से जुड़ल मैनूवर
1 5 अगस्त 2023 1,835 sec[convert: unknown unit] 18,074 किमी (11,231 मील) 164 किमी (102 मील) Approx. 21 h (1,300 min) Success
2 6 अगस्त 2023 N/A 4,313 किमी (2,680 मील) 170 किमी (110 मील) N/A Success
3 9 अगस्त 2023 N/A 1,437 किमी (893 मील) 174 किमी (108 मील) N/A Success
4 14 अगस्त 2023 N/A 177 किमी (110 मील) 150 किमी (93 मील) N/A Success
5 16 अगस्त 2023 N/A 163 किमी (101 मील) 153 किमी (95 मील) N/A Success
लैंडर मॉड्यूल बिलगाव
1 17 अगस्त 2023 N/A 163 किमी (101 मील) 153 किमी (95 मील) N/A Success
लैंडर डीऑर्बिट बर्न्स
1 अगस्त 2023 TBD
2 अगस्त 2023 TBD
लैंडिंग
1 23 अगस्त 2023 TBD

फंडिंग

दिसंबर 2019 में खबर आइल कि इसरो एह प्रोजेक्ट के सुरुआती फंडिंग के माँग कइले बा, जेकर रकम ₹75 करोड़ (9.4 मिलियन अमेरिकी डॉलर) रहल, जेह में से ₹60 करोड़ (7.5 मिलियन अमेरिकी डॉलर) मशीनरी, इक्विपमेंट आ अउरी चीजन के खरचा पूरा करे खातिर पूँजीवाला खर्चा (कैपिटल एक्स्पेंडिचर) होखी, जबकि बाकी ₹15 करोड़ (1.9 मिलियन अमेरिकी डॉलर) के आगम खर्चा (रेवेन्यू एक्स्पेंडिचर) मद में माँगल गइल रहल।

एह प्रोजेक्ट के पुष्टि करत इसरो के पूर्व अध्यक्ष के. सिवन बतवलें कि एकर अँटकर वाली लागत लगभग ₹615 करोड़ (2023 में ₹721 करोड़ भा 9 करोड़ अमेरिकी डॉलर के बराबर) होई।

मिशन के कार्यकारी लोग

  • इसरो अध्यक्ष: एस. सोमनाथ
  • मिशन डाइरेक्टर: एस. मोहनकुमार
  • एसोशियेट मिशन डाइरेक्टर: जी. नारायणन
  • व्हीकल डाइरेक्टर: बिजु सी. थॉमस
  • एसोशियेट व्हीकल डाइरेक्टर: पी. के. सुदीश कुमार
  • स्पेसक्राफ्ट डाइरेक्टर: पी. वीरामुथुवेल

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

चंद्रयान-3 लांचचंद्रयान-3 डिजाइनचंद्रयान-3 औजारचंद्रयान-3 लांचचंद्रयान-3 मिशन प्रोफाइलचंद्रयान-3 ऑर्बिट उठान आ स्टेशन रखरखावचंद्रयान-3 फंडिंगचंद्रयान-3 मिशन के कार्यकारी लोगचंद्रयान-3 इहो देखल जायचंद्रयान-3 संदर्भचंद्रयान-3 बाहरी कड़ीचंद्रयान-3इसरोचंद्रमाचंद्रयान-2प्रज्ञान रोवर

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

कोशी प्रदेशरेलगाड़ीखसराजंगलनेशनल हाइवे 482024 के भारतीय आम चुनावहरियाणाभारत के सीमाराहुल गांधीमोतीलाल नेहरूईलॉन मस्कस्वेज नहरपर्यावरणवादएक्सएनएक्सएक्सअमरनाथ गुफा मंदिरअरवल जिलानरेंद्र मोदीसौर समयकरिया कंठ पनडुब्बीअंजना सिंहसावनक्लाइटोरिसलैटिनसंस्कृतिऊटीकंचनपुर जिलाआदित्यनाथसमाजमनी प्लांटनिर्मलीपृथ्वीशाहजहाँवेनेजुएलाचायस्पेनप्रदूषणचंद्रयान-2मादा जननांगसेंटीमीटरभीमराव अंबेडकरअताउल्लाह ख़ानकाहिराचिंबोराजोअटल बिहारी वाजपेयीआजमगढ़मऊरानीपुरसैम मानेकशॉहांगकांगसतलजपंजाबी भाषासिक्किमपरेश रावलप्रयाग प्रशस्तिअहरौराबलियाँ जिलामोइन उल हक स्टेडियमभागलपुर जिलाखेसारी लाल यादवशुभी शर्मालंदनसिवान जिलाबिसुवत रेखाजार्ज ग्रियर्सन2023 आईपीएलताराब्राज़ीलसत्यमेव जयतेमाइकल जैक्सनकाशी विश्वनाथ मंदिररोमबेरोजगारीभारविआसारामझंडा🡆 More